web analytics

संसद में काम ना होखे देबे के विपक्षी जिद

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अँजोरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी)

संसद में काम ना होखे देबे वाला विपक्षी जिद का दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु मंगल का दिने कोविड-19 के मौजूदा हालात पर एगो सर्वदलीय बइठक कइलन जवना में कांग्रेस, माकपा, राजद, शिअद, आआपा वगैरह कुछ गोल शामिल ना भइलें. हालांकि बइठक में राकांपा, द्रमुक, बीजू जनता दल, शिव सेना, वाईएसआर कांग्रेस, लोजपा, जदयू, जद(से), तेलंगाना राष्ट्र समिति, तमकल मनीला कांग्रेस, बसपा वगैरह अधिकतर गोल शामिल भइलें. राज्यसभा में सदन के नेता पीयूष गोयल, केंद्रीय स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्री मनसुख मंडाविया एह बइठक में उपस्थित रहलें.

कांग्रेस के बुझात नइखे कि पंजाब कांग्रेस के विवाद कइसे हलभल होखे. कैप्टेन सिद्धू से आ सिद्धू कैप्टेन से भेंट-बात करे ला तइयार नइखन त गोल चली कइसे. दुनु ओर से कहल जात बा कि सामने वाला पहिले माफी माँगो तब ओकरा से बतिआएब.

बीसीसीआई क्रिकेट टीम काल्हु श्रीलंका से खेलल आपन दुसरको एकदिना मैच शानदार तरीका से जीत लिहलसि. पचास ओवर में श्रीलंका टीम के नौ विकेट का नुकसान पर बनावल 275 रन का जबाब में बीसीसीआई टीम पाँच गेंद बाकी रहते 49.1 ओवर का खेल में सात विकेट का नुकसान पर 277 रन बनाके मैच तीन विकेट से जीत लिहलसि. एकरा साथही बीसीसीआई टीम सीरिजो जीत लिहलसि. बीसीसीआई टीम 93 बेर श्रीलंका टीम के हरावे के रिकार्डो बना लिहलसि एह जीत का साथे. दुनिया के कवनो टीम दोसरा कवनो टीम के अतना बेर नइखे हरवले.

शेयर बाजार में आइल गिरावट के दौर काल्हुओ जारी रहल. दुनिया के शेयर बाजारन में आइल गिरावट काल्हु उपर चढ़ल बाकिर बकरीद का चलते बंद देश के बाजार एकर कवनो फायदा ना उढआ पइहें. काल्हु वायदा बाजार के साप्ताहिक निपटानो के दिन रही.

सारण जिला के सहाजितपुर इलाका के रामनगर में गाँव में सोमार का राति एगो औरत अपना मरद के कुदारी से काट के मुआ दिहलसि. बाद में गाँव वाले ओकरा के पकड़ि के पुलिस के हवाले कर दिहलें. कोलकाता में चाय बेचे वाला ओकर मरद ओहि दिने आइल रहुवे.

सारणे जिला के एकमा इलाका के तिलकार गांव में मंगल का दिने जमीन का झगड़ा में पंचायत का दौराने गोली चला के सेना के एगो जवान के खून क दीहल गइल, दू जने घवाहिलो हो गइलें एह फायरिंग में.

मोतिहारी जिला के हरसिद्धि इलाका के चड़रहिया के तीन गो चचेरा भाई बाढ़ में डूबल चँवर में डूबला से मर गइलें.

 192 total views,  2 views today

%d bloggers like this: