Go to ...
RSS Feed

Archives for July 2021

कलम का सहारे करिखाह कमाई करे का आरोप में राजीव शर्मा के गिरफ्तारी

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) उत्तराखंड में भाजपा सरकार के नयका मुख्यमंत्री बनिहें खटिमा विधायक पुष्कर सिंह धामी. एह राज्य के मुख्यमंत्री बने वालन में ऊ सबले कम उमिर के होखिहें. एगो सैनिक पुत्र आ संघ के पसन्द वाला नेता पुष्कर सिंह धामी में राष्ट्रीयता, सेवा भाव, आ देशभक्ति के भाव का

यूपी जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में सपा के मिलल शानदार सफलता

आजु करावल गइल जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में पाँच जगहा अपना जीत के परचम लहराए वाली सपा गोल देखा दिहलसि कि अगिला साल होखे जा रहल विधानसभा चुनाव में बाजी अखिलेश का हाथे लागे वाला बा. आजु के चुनाव से साबित हो गइल कि योगी आदित्यनाथ के मजगर चुनौती देबे के बेंवत अखिलेशे का लगे

भतरा ओकरा के छोड़लसि कि ऊ भतार के छोड़लसि

आजु सोशल मीडिया पर जोरदार चरचा बा आमिर खान के दुसरका तलाक के. दुनु बियाह ऊ हिन्दू लइकी के मुसलमान बना के कइलसि. देश आजाद बा. केहू आपन मुँह मरावे भा .. एहसे दोसरा के का. बाकिर एगो सवाल त बनते बा कि अतना बड़हन आबादी में कुछ हिन्दू लइकियन के कवनो हिन्दू लइका काहें

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल

तबादला करे के मौका ना मिलला से परेशान मंत्री के इस्तीफा

(टटका खबर,, शुक, आषाढ़ अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) बिहार सरकार में समाज कल्याण मंत्री मदन सहनी काल्हु इस्तीफा देबे के आपन ट्वीट में कहलन कि जदयू विधायक राज्य के अधिकारियन के मनमानी से परेशान बाड़ें. मंत्री का स्तर से होखे वाला तबादला पोस्टिंग अधिकारिए स्तर पर हो रहल बा. एह हालात में मंत्री बनल रहला

छूरी खरबूजा पर गिरे भा खरबूजा छूरी पर, कटाई खरबूजे

(टटका खबर, बियफे, आषाढ़ अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी) आँख पर पट्टी बन्हले न्याय करे वाली न्यायपालिका काल्हु फैसला सुनवलसि कि देश में कोरोना से मरे वाला लोग के परिवार के मुआवजा देबे ला सरकार मजबूर बिया. सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन अधिनियम के धारा 12 के प्रावधान का तहत राष्ट्रीय आपदा

‹‹Newer Posts