Go to ...
RSS Feed

Archives for August 2021

हिन्दू अपना बेटियन के सम्हार के रखसु

(टटका खबर, मंगल, भादो अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) जमीयत उलेमा-ए-हिंद के प्रमुख मौलाना अरशद मदनी काल्हि एगो बयान जारी करि के कहलन कि गैर-मुसलमानन लोग के चाहीं कि अपना बेटियन के को-एजुकेशन में मत पढ़ावसु. काहेंकि को-एजुकेशन में पढ़े वाली लईकियन के बहके के पूरा अनेसा होला आ एकरा खातिर बहकावे वाला लइकन के मारल

टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल

(टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल. दू गो स्वर्ण, चार गो रजत आ एगो कांस्य पदक मिला के कुल्ह सात गो पदक अबहीं ले भारत का हिस्से आइल बा. आ एह पदकन के जीते में कई गो रिकार्डो बनल आ टूटल

तृणमूलिया विधायक पर जानलेवा हमला

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल के बैरकपुर में स्टेशन का प्लेटफार्म का लगे बनल हनुमान मन्दिर के पुनर्निर्माण खातिर मिलल चंदा के इस्तेमाल इलाका के लोगन खातिर बाँटे के सिफारिश करे चहुँपल तृणमूलिया विधायक राज चक्रवर्ती पर कुछ लोग जानलेवा हमला कर दिहलसि आ केहू तरह विधायक के सही

बलिया में तेल भंडार होखे के खबर गलत

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी) बलिया शहर के हैबतपुर में जमीन का नीचे कच्चा तेल के भंडार मिले के खबर के झूठियावत ओएनजीसी साफ कहले बा कि अइसनका मीडियो रिपोर्ट एकदम वाहियात बा आ अइसनका कवनो खोज के खबर से ओएनजीसी के कवनो नाता नइखे. जान जाईं कि दू दिन पहिले

Official Portrait of US President

इस्लामिक आतंकियन के जो बिडेन के गीदड़ भभकी

(टटका खबर, शुक, भादो अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी) अफगानिस्तान से आपन जान बचावत बाकिर इज्जत गँवावत हटल अमेरिका अब अपने चाल में अझूरा गइल बा. राहत के बाति बा कि पाकिस्तान के नाराजगी का डर से अमेरिका भारत के सेना के अफगानिस्तान में ना आवे दिहलसि आ भारत फजीहत से बाच गइल बा. अब अफगानिस्तान

पौने तीन साल बाद जजन में सहमति बनल नया जज बहाली के

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) पिछला पौने तीन बरीस से सुप्रीम कोर्ट में नया जज बहाल करे खातीर अनुशसा करे वाली कॉलेजियम केंद्र सरकार के नौ गो नाम भेजलसि आ सगरी नाम पर केन्द्र आपन सहमति दे दिहलसि. जान जाईं कि दुनिया में अनूठा जज बहाली करे के तरीका भारत के जज

कोरोना कहर में कमी देखत आजु से बिहार खोल दिहलें नीतीश कुमार

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) केरल में कोरोना के कहर बरकरार रहला का बावजूद बाकी देश में कोरोना में कमी आइल बा. बिहारो में कोरोना अब काबू में आ गइल तउकत बा आ ई देखि के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु 26 अशस्त से एक महीना ले, माने कि 25 सितम्बर तक लागू

रामभक्त कल्याण सिंह के परलोकगमन

भारतीय जनता पार्टी के पुरनिया नेता, उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री आ राजस्थान अउर हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल रहल कल्याण सिंह काल्हु राति सवा नौ बजे लमहर बीमारी का बाद 89 बरीस का उमिर में परलोक यात्रा पर निकल गइलें.पिछला करीब दू महीना से ऊ लखनऊ के संजय गांधी स्नातकोत्तर आर्युविज्ञान संस्थान में भरती रहलें आ

गलथेथरई करत बाड़न राहुल गाँधी

दिल्ली के एगो बलात्कार पीड़िता सुकन्या के पहचान उजागर करे के आरोपी कांग्रेस नेता राहुल गाँधी अब गलथेथरई पर उतर आइल बाड़न. टूटकिट मामिला में ट्वीटर के दखलंदाजी के बड़ाई करे वाला कांग्रेस अब ट्वीटर का खिलाफ बोलत बिया. कानून का मुताबिक कवनो बलात्कार पीड़िता सुकन्या के पहचान उजागर कइल अपराध मानल जाई. राहुल गाँधी

टटका खबर, बियफे, सावन अँजोरिया चउथ, 2078 विक्रमी

सुप्रीम कोर्ट के वकील अश्विनी उपाध्याय, जे संजोग से भाजपो के नेता हउवें, के काल्हु दिल्ली के अदालत से जमानत मिल गइल. दिल्ली पुलिस के वकील कवनो सबूत ना पेश कर सकलें उनुका खिलाफ. जान जाईं कि मौलाना साद, अमानुल्लाह खान, जामा मस्जिद के इमाम, किसान आन्दोलन का टेंट में बलात्कारियन के, आ शाहीन बाग

भाजपा के राज में डेराइल आ सहमल रहो हिन्दू

(टटका खबर, मंगल, सावन अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी) केन्द्रीय गृह मंत्री का नियन्त्रण में रहे वाली दिल्ली पुलिस देश के हिन्दुवन के संकेत दे दिहलसि कि हिन्दुवन के डेरा के आ सहमि के रहे के चाहीं. ना त भुगते खातिर तइयार रहो. हिन्दू संत के गरदन काटे के बात करे वाला आ शाहीन बाग में

ईमाम का हुड़की से हड़क गइल एनडीटीवी

(टटका खबर, सोमार, सावन अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) अपना के एगो दमदार चैनल बतावे वाला एनडीटीवी चैनल एगो शरजील उस्मानी का धमकी से अतना डेरा गइल कि आपन ट्वीट हटा लिहलसि. एनडीटीवी के ट्वीट में एगो मुसलमान के कोरोना टेस्ट करावत देखावल गइल रहुवे जवना का बाद अनेके शांतिदूत ओकरा के हीक भर गरियवले आ

बीसन हजार ट्वीट #राजीव_गांधी_पनौती_था

(टटका खबर, अतवार, सावन अमावस, 2078 विक्रमी) ढेर दिन से एगो महिला पत्रकार के पनौती बतावत सोशल मीडिया गुलजार रहत रहुवे. अब पनौती होखे के ई सम्मान राजीव गाँधी के मिल गइल बा. काल्हु नीरज चोपड़ा के टौक्यो ओलंपिक में भाला फेंके के प्रतियौगिता में स्वर्ण पदक मिलते सोशल मीडिया पर हजारन लोग ई कहत

फेंक जहाँ तक भाला जाए

बधाई नीरज ! ICONIC. #IND pic.twitter.com/2kbYByNGOn— Olympics (@Olympics) August 7, 2021 This was said in 2013 by @narendramodi ji#TeamIndia #NeerajChopra #Olympics pic.twitter.com/lxqYoh12FN — Suresh Nakhua ( सुरेश नाखुआ )🇮🇳 (@SureshNakhua) August 7, 2021

खेल रत्न पुरस्कार भइल मेजर ध्यानचंद का नामे, छनछनाईल कांग्रेस

(टटका खबर, शनीचर, सावन अन्हरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी) सही समय पर सही चोट करे में पीएम मोदी के कवनो सानी नइखे. जब पूरा देश हॉकी खिलाड़यन के शानदार प्रदर्शन पर उछाह में आइल बा त पीएम मोदी एलान क दिहलें कि अब खेल जगत के सबले बड़हन पुरस्कार के नाम राजीव गाँधी खेलरत्न पुरस्कार ना

भाजपा के भगतन के निराशा हाथे लागल

(टटका खबर, शुक, सावन अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) एक जमाना से देश में हर समुदाय खातिर एकही कानून बनवावे के बात करे वाली भाजपा अब अपना वादा से मुकर गइल बिया, लोकसभा में कानून मंत्री किरण रिजिजू साफ कह दिहलन कि केंद्र सरकार अबहीं देश में समान नागरिक संहिता लागू करे नइखे जात. कब ले

ओलंपिक में भारत के हॉकी टीम कांस्य पदक जीतलसि

आजु के दिन भारत के हॉकी ला ऐतिहासिक दिन बन गइल जब भारत के पुरुष हॉकी टीम टोक्यो ओलंपिक में जर्मनी के 5 बनाम 4 गोल से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि. बधाई. 41 बरीस के बाद आजु के दिन आइल बा.

कोरोना के भार केरल अकेले सम्हरले बा

(टटका खबर, बियफे, सावन अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) देश के लिबरल मीडिया के चहेता आ बँवारा सरकार वाला इकलौता राज्य केरल आजुकाल्हु अकेलहीं अतना कोरोना मरीज रोज खोज निकालत बा जवना के मुकाबला पूरा देश मिल के नइखे कर सकत. काल्हु केरल में कोरोना के 23 हजार 676 मरीज मिललें जबकि देश के बाकी राज्य

सब गोलमाल है भाई सब गोलमाल है

कहल जाला कि राजनीति में केहू केकरो ना होखे. सभे अपना ला कुरसी खोजे में लागल रहेला. नेहरु का जमाना से मुसलमान कांग्रेस के वोट बैंक रहलें. एह खाता में कांग्रेस कुछ जमा करत रहे कि ना से त दावा से सच्चरो कमिटी ना जान सकल बाकिर एह खाता से ऊ भरपूर निकालत जरुर रहुवे.