web analytics

हेहर बिडेन गलती ना मनीहें

Official Portrait of US President

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी)

अफगानिस्तान से भागे का हड़बड़ी में बहुते गलती कर चुकला का बावजूद अमेरिका के राष्ट्रपति जो बिडेन आपन गलती माने के तइयार नइखन. अबहियों कहत बाड़न कि जवन कइलन, सही कइलन. अबहियों जवन अमेरिकी नागरिक अफगानिस्तान में अपना मर्जी से रुकल बाड़न उनुको के निकाल ले आवे ला अमेरिका अबहियों तइयार बा. एहमें से अधिका लोग ऊ बा जे दोहरी नागरिकता वाला बावे आ अपना मूल स्थान के छोड़ल नइखन चाहत.

बिडेन के कहना बा कि तालिबान एह लोग के सुरक्षा देबे खातिर सार्वजनिक रुप से सकार चुकल बा आ अमेरिका का लगे अबहिंयो अतना बेंवत बा कि ऊ तालिबान के एह ला दबाव में ले सके.

बीस बरीस में आपन हजारों सैनिक मरवा चुकल आ 86 बिलियन डॉलर के हथियार आ संपति तालिबान के बिना मँगले दे चुकल बिडेन के एकरा ला कवनो अफसोस नइखे. चिन्ता भारत खातिर बा जवना का खिलाफ एह हथियारन के पाकिस्तानी इस्तेमाल के अनेसा नकारल ना जा सके.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: