
टोक्यो पैरालिम्पिक्स 2020 से पहिले भइल कुल पैरालिम्पिक में भारत के कुल 12 गो पदक मिलल रहुवे. बाकिर अबकी का पैरालिम्पिक में भारत कुल 17 गो पदक आजु 4 सितम्बर ले जीत चुकल बा आ अउरी पदक जीते के आस अबहीं टूटल नइखे.
टोक्यो पैरालिम्पिक्स 2020 में भारत के कुल 17 गो पदक में 4 गो स्वर्ण, 7 गो रजत आ 6 गो कांस्य पदक शामिल बा.
स्वर्ण पदक – अवनी लेखरा, मनीष नरवल, प्रमोद भगत, आ सुमीत अंतीला.
रजत पदक – भवानीबेन हसमुखभाई पटेल, सिंहराज अदाना, निषाद कुमार, प्रवीण कुमार, शरद कुमार, मरियम थंगावेलू, आ देवेन्द्र.
कांस्य पदक – अवनी लेखरा, मनोज सरकार, सिंहराज अदाना, सुन्दर सिंह गुर्जर, हरविंदर सिंह, आ योगेश कठुनिया.
अवनी लेखरा आ सिंहराज अदाना दू दू गो पदक जीतले बाड़न.