(चइत अँजोरिया नवमी, 2079 विक्रमी संवत, शनीचर)

सभकर साथ, सभकर विकास, अउर सभकर विश्वास के खयाली पुलाव पकावत मोदी आ भाजपा के सरकारन के लाख कोशिश का बादो हिन्दुवन के शान्ति से आपन पूजा आ शोभायात्रा निकाले नइखे दीहल जात.
आजु रामनवमी का मौका पर निकलल शोभायात्रा पर झारखंड के लोहरदग्गा के एगो गाँव में पथराव कइल गइल आ कई एक गाड़ियन आ घर के आग लगा दीहल गइल. पुलिस के तैनाती का बादो एह हिंसा के रोकल ना जा सकल आ अब पुलिस पूरा कोशिश करे में लागल बिया कि हिंसा के आग अउर पसरे से रोकल जा सके. गनीमत इहे बा कि अबहीं ले केहू के मौत के खबर नइखे, हँ तीन लोग घवाहिल होके अस्पताल में इलाज करावत बाड़ें. एहिजो कई एक लोग घवाहिल भइल बा आ आगजनी कइल गइल.
पढ़ल लिखल लोगन के हालो कवनो दोसर नइखे. जेएनयू में आजु कुछ विद्यार्थी रामनवमी पर हवन-पूजा करत रहलें तवना घरी बँबारा गिरोह के कुछ छात्र आ के पूजा रोके-रोकवावे के कोशिश कइलन बाकिर पूजा करे वालन का सोझा उनुकर इरादा सफल ना भइल. एकरा बाद बँवारा गिरोह वाला छात्र मेस में मांसाहारी खाना परोसवावे के जिद्द ठान लिहलें.
पिछला सरकारनो से बेसी मदद कइला का बादो भाजपा के ठेंगा देखावल छोड़ि कुछ भेंटाव ना. सुविधा आ सहायता लेबे वालन का अगिला कतार में रहे वाला ई जमात भाजपा के किरियो खाए भर के भोट ना देव बाकिर संघ आ भाजपा ओहनी के पटावे में लागल बाड़ें. एह लोग के मालूम बा कि हिन्दुवन का सोझा कवनो दोसर विकल्प नइखे, एहसे हिन्दू भावना के कदर एहू सरकार में नइखे होखत. आजुओ देश के लाखन मंदिरन पर अतग अलग सरकारन के कब्जा बा आ ओहिजा के चढ़ावा से दोसरा संप्रदायन के सहायता दीहल जा रहल बा. कई जगह मदिर प्रबंघन में मुसलमानन आ ईसाईयन के भरती कईल गइल बा.
204 total views, 2 views today