लमहर जद्दोजहद का बाद भारत सरकार जीवन बीमा निगम मे अपना हिस्सेदारी के एगो छोटहन हिस्सा आम निवेशक के सीधै बेचे के फैसला कइलसि.
खराब बाजार का दौरान आइल ई देश के अबले के सबले बड़हन IPO में निवेशक भरपूर रुचि देखवलन जबकि सोशल मीडिया पर बहुते ‘सलाहकार’ LIC IPO के हवा बिगाड़े के भरपूर कोशिश कइलन.
खैर अब जेकरा चाहत रहे ऊ त आवेदन क दिहले बा. आजु पूरा उमेद बा कि देर राति ले एकर जानकारी ऑनलाइन मिले लागी कि रउरा मिलल कि ना. बाकिर निवेशक एहू ला परेशान बाड़न कि ई जानकारी मिली त कहवाँ. सर्च कइला पर सैकड़ों जगहा एकरा बारे में बतावल जा रहल बा बाकिर उहो माथ घूमा देत बा.
इहे सोच के हम एगो लिंक साझा करत बानी जहाँ रउरा एकर जानकारी देख सकीलें –