web analytics

आईं आपन कमाई लुटावल जाव

रउरो कहब कि ई कवन बाति भइल. भला रुपिया लुटावे भा गँवावे ला केहू से सीखला के का जरुरत. रोजे अपना अगल बगल देखेनी कि लोग आपन त कम, अपना बाप दादा के कमाई तरह-तरह के व्यसन पर लुटावत रहेला. गाँव जवार में कवनो परिवार का बारे में सुनलहूँ होखब कि फलवना के पुरखा रसगुल्ला छील के खात रहलन आ अब रसगुल्ला के का कहीं ओकर रसो मिलल दुर्लभ बा. बाकिर हम आजु के जमाना के सबले तगड़ा खेल – शेयर मार्केट – का बारे में बतियावे जात बानी.

मथैला पर गइला के जरुरत नइखे. चरचा बहुत गंभीर तरीका से करे के कोशिश करब. शेयर मार्केट से अन्हाधुंध कमाई के सपना मत देखीं. ई सपना देखावे वाला लोगन के कमी नइखे. शेयर मार्केट से कमाई कइल आसान ना होखे. अगर आसान रहीत त लोग बाग नौकरी कइल छोड़ि के सट्टा बाजारिए करीत.

एगो शायर के कहल सुनाई्ं त – ये इश्क नहीं आसाँ, बस इतना समझ लीजे। इक आग का दरिया है और डूब के जाना है। भा कवनो ट्रक-बस का पीछे लिखल चेतावनी – लटकले त गइले बेटा.

शेयर बाजार पर देखरेख करे वाली संस्था सेबी (SEBI) बहुते कड़ाई से एह बाजार पर नजर राखेले. हमेशा चेतावतो रहेले कि कउवा कान ले गइल, सुन के दउड़े मत लागीं. पहिले आपन कान टो के देख लीं. तरह तरह के धंधा चलेला एह बाजार में. जइसे कि कवनो संस्था भा आदमी रउरा के लालच दी. कही कि हमरा के अतना रुपिया दीं त हम रउरा के हर महीना भा हफ्ता दू गो सलाह दीहल करब. आजमावे के होखे त एह नंबर पर संपर्क करीं. पहिला दू गो सलाह एकदम फोकट में दीहल जाई.फायदा होखे त जुड़ीं ना त छोड़ दीं. राउर लागते का बा. एह बाति के प्रचार अतना जोर शोर से करावल जाई कि चालीस-पचास हजार लोग लाइन में लाग जाई.

अब शुरु होखी खेला. आधा आदमी के कवनो शेयर खरीदे के सलाह दीहल जाई आ आधा लोग के ओही शेयर के बेचे के सलाह दे दिआई. अब आधा लोग के त फायदा होखबे करी. त अगिला दिने फायदा मिलल लोग के फेरु आधा-आधा बाँटि के ओही तरह कवनो दोसरा शेयर के खरीदे भा बेचे के सलाह भेज दिआई. एह दू दिन में कम से कम एक चौथाई लोग के दुनु सलाह फायदा वाला मिलल होखी आ ओह में से अधिका लोग तब ओकर गहकी ले लीहें. राम केकरा ना भावसु.

अइसन बाति नइखे कि ऊ सलाहकार हवा में उधियात बा. ओकरा शेयर बाजार के निकहा जानकारी होले आ एह सलाह के खरीदे वालन के थोड़ बहुत नफा-नुकसान होखते रही. नफा आ नुकसान वाला दिन कम बेसी होत रही. रउरो संतोष करब कि सब दिन रहत न एक समाना.

शेयर बाजार के खबर देबे वाला चैनलनो के भरमार बा. टीवी पर त कम बाकिर यू ट्यूब पर भरमार बा. कुछ लोग लालच दी कि फलाँ शेयर खरीद लीं, ओकर दाम बहुते बढ़े वाला बा. आ ई सलाह देबे से पहिले ऊ ओह शेयर के बहुते कम दाम पर खरीद के रखले रही. ओकर कहल सुनि के आ देखा देखी कुछ खरीददारी होखहूँ लागी. गँवे-गँवे ओकर दाम बढ़हीं के बा. काहे कि एक त ओह शेयर के दाम बहुते कम रहेला आ बाजार में ओकर गिनितिओ कम होखेला. अब जब एक अनार आ सौ बीमार जुटि जइहें त ओह शेयर के दाम कुदहीं के बा. फेर एक दिन ऊ आपन पुरान निवेश बेच के दोसरा शेयर के सलाह दीहल शुरु कर दी. पिछला में रउरा देखलहीं रहब कि दाम बहुते बढ़ि गइल रहे. अलग बाति बा कि बाद में ऊ फेरु जमीन ध लिहलसि. रउरो कहब कि फायदा त भइबे कइल. हमरे लालच बढ़ि गइल रहल आ हम अउरी कमाए का लालच में बेच के निकलनी ना. चलऽ एकरा के रहे देत बानी आ अगिला शेयर खरीद लेत बानी. कहियो ना कहियो ओकर दिन बहुरबे करी.

अब अतना कहला का बाद इहो बतावल जरुरी बा कि एहिजा कवनो शेयर के खरीदे भा बेचे के सलाह ना दिआई. एहसे खरीदे भा बेचे से पहिले आपन माथ खपाईं भा कवनो अधिकृत सलाहकार के सेवा लीं. फायदा राउर होखी आ नुकसानो राउरो होखी.

भोजपुरी में गीत-गवनई, कथा-कहानी, कविता-साहित्य के कमी नइखे. बाकिर कवनो अइसन जगहा नइखे जहवाँ रउरा के अपना भाषा में शेयर बाजार के जानकारी मिल सको. भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट होखे के गौरव राखे वाला <a href=”http://anjoria.com/“>अँजोरिया </a> परिवार के सदस्य टटका खबर के अब से बाजार वाला साइट बनावल जा रहल बा. एकर सदस्यता बिना कुछ दिहले मिली. बाकिर रउरा हमनी के एह प्रयास के बारे में अपना राय से जरुरे अवगत कराईं. बस नीचे वाला कमेंट बाक्स में आपन कमेंट लिख दीं.

चुँकि कमेंट देबे वाला के ईमेल पता दीहल जरुरी होखी एहसे एगो नया ईमेल बना लीं जवन बस एह काम ला भा अइसने दोसरा जगहा पंजीयन ला इस्तेमाल करीं. ओह ईमेल पता के इस्तेमाल कवनो जरुरी साइट पर मत करीं. एहसे रउरा स्पैम मेल से बाचल रहब आ बिना कवनो झिझक मेल बॉक्स खलियावत रह सकीलें.

अगिला बेर हम चरचा करब कि निवेश कइसन-कइसन होला आ कवना-कवना तरीका से कइल जा सकेला. हमरो इंतजार रही राउर दुबारा आवे के. नीक लागल त जरुर आएब. आ अपना हितो-मीत के एकर जानकारी देब.

 236 total views,  1 views today

%d bloggers like this: