अब एहसे पहिले कि काल्हु के शेयर बाजार के बाति कइल जाव, आजु के बाजारी चाल के लेखा-जोखा ले लीहल सही रही.
काल्हु हम लिखले रहीं –
1) निफ्टी50 जबले 17630 आ 17570 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब.
2) अगर निफ्टी 17650 पार कइलस त तेजड़िया बन जाएब, माने कि कॉल खरीदब. स्टॉप लॉस 17570 पर रही त पहिला निशाना 17725 के राखब. ओकरा उपर निकली त ओकर पीछा करब trailing stoploss से.
3) अगर निफ्टी 17570 का नीचा गिरल त मन्दड़िया बन जाएब, माने कि पुट खरीदब. स्टॉप लॉस 17630 पर रही आ पहिला निशाना 17475 के राखब. ओकरा नीचे जाई त ओकर पीछा करब trailing stoploss से.
4) एह दौरान एक महीना एक लॉट से अधिका ना खरीदब. अधिक से अधिक नुकसान 500 के बरदाश्त करब आ ओहि तरह 500 के मुनाफा ले के निकल जाएब. देखल जाव कइसन रहत बा.
आजु जब बाजार खुलल त बड़हन गिरावट का साथे gap down. मन के बाति मने में रहि गइल काहे कि जहाँ सौदा करे के सोचले रहीं ओहिजा त अइबे ना कइल.
एक संभावना बनत रहे कि चूंकि बाजार खुलला का बाद शुरुआती 15 मिनट में नीचे ना गिरल त 17200 का ऊपर निकलते कॉल ले लीहल जाव. ओह हालत में स्टॉप लॉस 17160 पर राखल जा सकत रहुवे आ लक्ष्य रहीत (17475 -17165)/2 = 155+17200 = 17355 के. बाकिर मन ना कइल कवनो सौदा करे के आ no trading day हो को रहि गइल. हालांकि सौदा फायदा दे के जाइत
अब काल्हु के बाजार पर हमार जवन प्लान बा तवन पढ़ीं –
1) निफ्टी50 जबले 17275 आ 17380 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब.
2) अगर निफ्टी50 17380 के नीचे से पार क के उपर निकली त कॉल के आप्शन खरीदब. स्टॉप लॉस 17275 के रही आ पहिला निशाना 17490 के राखब. ओकरा ऊपर के कोशिश ना करब.
3) अगर निफ्टी50 उपर से गिरत 17270 का नीचा गिरल त पुट खरीदब. स्टॉप लॉस 17380 के रही आ पहिला निशाना 17160 के राखब. ओकरा नीचे जाई त ओकर पीछा करब trailing stoploss से. काहे कि गिरावट में बहुते बाधा नइखे लउकत जवन चढ़ाई में लउकत बा.
अब चलीं काल्हुए के बाजार चाल पर चरचा कइत जाव. एगो हाथी आ सात गो अन्हरा के कहानी रउरा सुनलही होखब. सातो आन्हर हाथी के टो-टा केअपना-अपना जानकारी का हिसाब से बतवलें कि सूप जइसन बा, बहुते मोट खंभा जइसन बा, साँप जइसन लहरदार बा, बहुते बड़ पत्थर जइसन बा जवना का नीचे से आराम से आर-पार जाइल जा सकेला वगैरह. शेयर बाजार के अटकर पचीसी लगावहूं वालन के हाल कुछ अइसने रहेला. तरह तरह से बाजार के चाल समुझे-समुझावे के कोशिश करेला हर आदमी.
कहे के मततब एही से जान जाईं कि दोसरा का कहला पर कवनो सौदा भुलाइओ के ना करे के चाहीं. शेयर बाजार के ककहरा सीखे के कोशिश करीं. बाद में अक्षर अक्षर जोड़त शब्द बनावल सीखीं. फेरु आई वाक्य बनावे के बाति. आ तब बाजार भाषा माने चार्ट के व्याकरण जाने के कोशिश करीं. तरह तरह के व्याकरण सूत्र बाड़ी सँ. आ हर सूत्र फायदा-नुकसान दुनु करा सकेला. अब एहिजा ई मत याद करीं कि –
लीक लीक गाड़ी चले, लिकही चले कपूत।
लीक छोड़ि तीनो चले, शायर सिंह सपूत।
भरसक कोशिश रहे के चाहीं कि बाजार का चाले चलल जाव. बाजार राउर बाति ना सुनी, रउऱे ओकरा बाति सुने के पड़ी. ना त बाजार बहुते निर्दयी होखेला.
अबहीं ले कवनो पाठक के कवनो टिप्पण पढ़े के ना मिलल. पता ना केहू पढ़तो बा कि ना. बाकिर हम त जंगल में मोर नाचल वाला अंदाज में रहब. काहे कि ट्रेडिंग में कहल जाला प्लान बना के राखीं आ ओहि प्लान से काम करीं ना त बेपलानी होखत देर ना लागी. एहि बहाने एक तरह से हम एकरा के आपन डायरी जइसन देखत बानी जवना में रोज के बाजार का बारे में आपन अनुभव लिखत रहब. हो सकेला कि – हम अकेले ही चले थे, कारवाँ जुड़ता गया.
बाकिर आपनो राय आ अनुभव जरुर लिख के बताईं.