एह पर बाति करे से पहिले याद कइल जरुरी बा कि पिछलका पोस्ट में हम मंगल 30 अगस्त 2022 के बाजार का बारे में का प्लान बनवले रहीं.
काल्हु हम लिखले रहीं –
1) निफ्टी50 जबले 17275 आ 17380 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब.
2) अगर निफ्टी50 17380 के नीचे से पार क के उपर निकली त कॉल के आप्शन खरीदब. स्टॉप लॉस 17275 के रही आ पहिला निशाना 17490 के राखब. ओकरा ऊपर के कोशिश ना करब.
3) अगर निफ्टी50 उपर से गिरत 17270 का नीचा गिरल त पुट खरीदब. स्टॉप लॉस 17380 के रही आ पहिला निशाना 17160 के राखब. ओकरा नीचे जाई त ओकर पीछा करब trailing stoploss से. काहे कि गिरावट में बहुते बाधा नइखे लउकत जवन चढ़ाई में लउकत बा.
आजु जब बाजार खुलल gap up का साथे आ ओकरा बाद फेरु मूड़ के ना देखलसि. लगातार बढञे गइल.
निफ्टी-50 17415 पर खुलल. आ प्लान का मुताबिक हम कॉल आप्य़न खरीद लिहलीं. देखतेृ देखत पहिलका निशान पार कर गइल. आ एक हजार से उपर के मुनाफा का साथे हम बाजार से निकल गइनी. बेवकूफी त भइल बाकिर कवनो नया ट्रेडर के बदहवास ना होखे के चाहीं. फेरु मौका मिली. बाकिर अबहीं त हाथ सधावे के बा. रोज के हजार रुपिओ कम ना होखे. महीना में औसतन बीस दिन बाजार खुलल रहेला आ एह हिसाब से बीस हजार रुपिया महीना भइल. जब हाथ सधे लागी आ कुछ पूंजी बिटोरा जाई तब बड़हन दाँव लगावे के बात सोचे के चाहीं. दूध से मुँह जरवले आदमी मट्ठो फूंक-फूंक के पिएला.
काल्हु बुध का दिने शेयर बाजार के बन्दी बा गणेष चतुर्थी का चलते. एहसे बाति बियफे 1 सितम्बर के होखी. आजू बिकवाल लोग के जम के पिटाई भइल बा. जतना लोग कॉल आप्शन बेच-बेच के लार टपकावत रहलें सभकर नरेटी सूख गइल होखी. एहिसे हमेशा याद करावत रहल जाला कि सभ दिन रहत न एक समाना. कभी घी-चना, कभी मुट्ठी घना, आ कबो उहो मना. एहसे अपना मनोभावना पर काबू राखल सबले जरुरी होला. एक दिन नफा हो गइल त कूदीं मत आ एक दिन नुकसान हो गइल त उबीं मत. सम्यक भाव से रहीं. जाहि बिधि राखे राम वाहि विधि रहिए. आ दोसरा के कहला पर कबो कवनो सौदा मत करीं. रुपिया डूबी त राउर, ओकर ना. हम बहुते लोग के देखले बानी आ कहीं त बड़हन ट्यूशन फीस दे चुकल बानी.
एह श्रृंखला के मकसद इहे बा कि कम पूंजी बाला आदमी के वायदा बाजार के तरीका सिखावत जाय. पता ना एह मकसद में कतना सफलता मिली. बाकिर एक बात त तय बा. रोज रोज ई लेखा-जोखा ले के हमरो फायदा होखी आ हो सकेला कि पढ़हूं वाला के ज्ञान बढ़ो. पूंजी बढ़ी कि ना से हम नइखी जानत. जवन करे के बा अपने सोच के, समुझ के, आ अपने जिम्मेवारी पर. राउर नुकसान राउरे होखी, दोसरा के दोष दिहला से काम नइखे चले वाला.
हँ त चलीं बियफे बाजार का ओर. संजोग से ओह दिन साप्ताहिक निपटान के दिन हवे, हर हफ्ता के आखिरी बियफे का दिने साप्ताहिक निपटान होला. अगर कवनो कारण से बियफे के डुट्टी पड़ जाई त ओकरा पहिले वाला दिने एकरा के निपटा लीहल जाला. महीना के आखिरी बियफे का दिने भर महीना के बायदा बाजार के निपटान होखेला.
काल्हु बुध का दिने बाजार के छुट्टी रहे वाला त हम चरचा करब वायदा के बारे में. फ्यूचर आ ऑप्शन ट्रेडिंग में का फरक होला एकरो चरचा कइल जाई.
बियफे का दिने चूंकि साप्ताहिक निपटान होखे वाला आ पिछला दिने बाजार लगातार उपर उठत बड़हन बुलिश कैण्डल बनवले बा त हो सकेला कि बहुते सीमित दायरा में कारोबार होखे. दिन में एक दफे करेक्शनो होखे के अनेसा से इंकार ना कइल जा सके. एहसे बहुते सावधान रहब हम.
1) निफ्टी-50 जबले 17380 आ 17780 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब.
2) अगर निफ्टी-50 17780 के नीचे से पार क के उपर निकली त कॉल के आप्शन खरीदब. स्टॉप लॉस 17640 के रही आ पहिला निशाना 17880 के राखब. ओकरा ऊपर के कोशिश ना करब.
3) अगर निफ्टी50 उपर से गिरत 17380 का नीचा गिरल त पुट खरीदब. स्टॉप लॉस 17640 के रही आ पहिला निशाना 17280 के राखब. ओकरा नीचे जाई त ओकर पीछा करब trailing stoploss से.
आपनो अनुभव आ सोचावट के चरचा कइल सीखीं. एहसे मन के गुबार निकलत रही आ हो सकेला कि रउरो कुछ बेहतर बाति बता सकब. नीचे कमेंट बॉक्स में