web analytics

शेयर बाजार – नगद उधार भा वायदा कारोबार

छुट्टी के दिन के इस्तेमाल कुछ जाने भा सीखे में कइल आगा चलि के फायदेमंद होला. हालही पिछला कुछ दिन से टटका खबर के राजनीतिक, सामाजिक, अपराध,घटना के जानकारी दीहल छोड़ि शेयर बाजार के चरचा कइले बानी. पता ना पाठकन के कइसन लागत बा. रोज निहोरा कइला का बावजूद केहू कुछ कहत-लिखत नइखे. बाकिर अब जब राह ध लिहले बानी त चलत गइला के काम बा, कारवाँ बने भा ना बने. शेयर बाजार के चरचा भोजपुरी में कइला से भोजपुरी के फायदा होखो भा ना, कवनो नुकसान नइखे होखे वाला.

आजुकाल्ह शेयर में पइसा लगावल आ शेयर के सौदा के धंधा भा रोजगार का रुप में इस्तेमाल बढ़ गइल बा. एहसे अपना भाषा में एकर जानकारी बाँटल सभका फायदा में रही.

शेयर बाजार के जानकारी का शुरुआत में कुछ अंग्रेजी शब्दन के अर्थ साफ क लीहल जाव. scrip, stock, भा share – ई तीनो शब्द पर्यायवाची जइसन लागे भलहीं बाकिर तीनो के अर्थ स्पष्ट आ अलग होला. स्क्रीप के अर्थ समुझे ला हुण्डी के उदाहरण दीहल जा सकेला. स्क्रीप एगो लिखल भा छपल प्रमाण होखेला जवना का बदले कुछ हासिल कइल जा सकेला. एक तरह से ई नकदी के विकल्पो कहल जा सकेला. पुरनका जमाना में जब मुद्रा के चलन ना का बरोबर भा कम रहुवे तवना घरी लोग हुण्डी लिख देत रहुवे. ओह हुण्डी लिखे वाला के अगर प्रतिष्ठा रहत रहुवे त दोसरो व्यापारी ओकरा के मान लेत रहलें. शेयर हिस्सा का तरह होला जवन बतावेला का फलां कंपनी के ई हिस्सेदार हउवें. कंपनी अपना दाम के कई हिस्सा में बाँट का राखेली सँ जवना से लोग के सुविधा होखे कंपनी में हिस्सेदार बनल. कई बेर कर्जा लेबे खातिर उधार का बदले कंपनी आपन कुछ हिस्सा – शेयर – बैंकन का लगे गिरवी राख देलीं सँ. हर शेयर बाजार में खरीदल बेचल जा सकेला बाकिर एह सौदेबाजी खातिर शेयरबाजार होला. अगर रउरा कवनो बिजनेस पसन्द आवेला आ रउरा ओह बिजनेस में उतरल चाहीं त नया बिजनेस शुरु कइला से आसान होला कवनो मौजूदा कंपनी में हिस्सेदार बन गइल. हर शेयर धारक ओह कंपनी के हिस्सेदार होला आ कंपनी के प्रबंधन कवनो बड़हन फैसला करे से पहिले अपना सगरी हिस्सेदारन के राय जानेली सँ आ ओहह बेरा हर शेयर के वोट होला. फैसला बहुमत से होला. stock शब्द के प्रयोग भंडार भा कवनो कारोबार के लेहना आ फत्पाद का साथही शेयर कोषो के कहल जाला.

शेयर बाजार में हमनी का शेयर के खरीद-फरोख्त करेनी सँ. शेयर बाजार कुछ ब्रोकरन के अनुमति दिहले रहेला जेकरा मार्फत ई खरीद-बिक्री होखेला. ब्रोकर आपन सदस्य बनावेलें जे ओकर बनावल मंच, ऐप, भा सॉफ्टवेयर के इस्तेमाल करेलें एह सौदेबाजी में. एगो ग्राहक जब कुछ खरीदल भा बेचल चाहेला त ऊ बतावेला कि ओकर कवन शेयर खरीदे भा बेचे के बा. कतना खरीदे भा बेचे के बा आ साथहीं ऊ ई दामो बतावेला जवना पर ई खरीद बिक्री करे के बा ओकरा. एकरा के लिमिट आर्डर कहल जाला. कुछ लोग इहो कहेला कि जवने दाम मिले तवने पर खरीद-बेच द. एकरा के मार्केट आर्डर कहल जाला. एगो अउरी तरह के आर्डर होला जवन बतावेला कि कवना दाम का उपर भा नीचे खरीदे-बेचे के बा. इहे स्टॉप लॉस आर्डर होला.

मानलीं कि रउरा कवनो शेयर खरीद भा बेच के रखले बानी आ ओह शेयर के दाम उपर भा नीचे जा रहल बा. अगर खरीद के रखले बानी त रउऱातय करेनी कि कतना नुकसान बर्दाश्त कर सकीलें आ अगर दाम ओकरो नीचे गिरे त ओकरा के बेच देबे के आर्डर देबेनी. एकरा उलट अगर रउरा कवनो शेयर बेच के रखले बानी एह उमेद में कि ओकर दाम गिरी आ जब रउरा कम दाम में ओकरा के फेरु खरीद लेब. बाकिर जब दाम बढ़े लागे त रउरो तय करे के होला कि कवना दाम से उपर जातहीं वापस खरीद लेबे के बा.

आम आदमी सोच सकेला कि ओकरा लगे शेयर खरीदे लायक पूंजी होखे के चाहीं भा बेचे का समय ओकरा लगे ऊ शेयर होखे के चाहीं. बाकिर बाजार में ई जरुरी ना होखे. दाम के कुछ हिस्सा राख के ब्रोकर रउरा ला ओह शेयर बाजार के खरीद भा बेच देला. ब्रोकर के मालूम बा कि मोटाृमोटी कतना नुकसान हो सकेला आ ऊ ओकरा से कुछ अधिके रउरा से मार्जिन का तौर पर रखवा लेला. ओतना पूंजी तब रउरा खाता में मौजूद रहे के चाहीं ना त ब्रोकर ओह सौदा के करे से इंकार कर दी. ब्रोकर का माथ पर सेबी के डण्डा रहेला. मान लीं कि रउरा कवनो शेयर बेहिसाब खरीद लिहनी आ जजब दाम देबे के बेरा आइल त मुकर गइनी. ओह हालत में जवन आदमी रउऱा के आपन शेयर बेच के रखले बा त ओकर का होई. सेबी इहे ना चाहे कि कवनो अइसन सौदा होखे जवना के कवनो पक्ष बाद में मना कर देब. जइसे रउरा से ब्रोकर मार्जिन रखवा के रखले रहेला वइसहीं एक्सचेंज ब्रोकरन से मार्जिन रखववले रहेला. एही सब का चलते बाजार के विश्वसनीयता बनवले राखल जाला. अब ऊ जमाना नइखे कि हर्षद मेहता के समय वाला हालात बनि सके.

अब शेयर के खरीददारी नकद हो सकेला भा उधारी. उधारी भा मार्जिन के इंतजाम ब्रोकर करेला आ एकरा एवज में ऊ कुछ ब्याज चार्ज करेला. एहसे उधारी पर खरीददारी करे से पहिले पता कर लीं कि राउर ब्रोकर कतना ब्याज वसूले वाला बा.

ई त भइल शेयर के नकदी बाजार के कहानी. बाकिर दूगो अउरी तरीका होखेला जवना से एह शेयरन के खरीददारी हो सकेला. एगो होला फ्यूचर ट्रेद जवना में रउरा पहिले से तय दिन के कवनो शेयर के खरीदे भा बेचे के करार करीलें. फ्यूचर के करार से मुकरल ना जा सके आ रउरा ओह सौदा के पूरावहीं के पड़ी. फ्यूचर में खरीदे भा बेचे खातिर जवन मार्जिन लागेला ऊ कुल दाम से बहुते कम होला. करीब सात से आठ लाख के सौदा रउरा महज डेढ़ दू लाख जमा करा के कर सकीलें.

आम आदमी ला ई डेढ़ दू लाख के पूंजी जुटावल आसान ना होला आ अधिक से अधिक आदमी एह बाजार में शामिल हो सकसु एह ला एगो तरीका होला वायदा के. एहमे रउरा वादा करीलें कि फलां तारीख के रउरा फलां शेयर फलां दाम पर खरीदे के वायदा करत बानी. एकरा के कॉल खरीदल कहल जाला. आ बाजार में तबले कवनो सौदा ना हो सके जब रउरा उलट केहू ओकरा के बेचे के तइयार ना होखे. त कुछ लोग वायदा बेचेला जवना मैं ऊ ओह तारीख के ओह शेयर के ओतना संख्या रउरा के ओह दाम पर बेचे के तइयार बा.

अब एकरा बाद दू गो संभावना बनत बा. तय तारीख का दिने दाम बढ़ल हो सकेला भा गिरल हो सकेला. कॉल आप्शन के खरीददार के ई आजादी बा कि दाम गिर जाव त ऊ अपना वायदा से मुकर जाव. एह हालत में ओकरा नुकसान ओतने भर के होखी जतना प्रीमियम भा भुगतान रउरा ऊ बायदा भा आप्शन खरीदे ला कइले होखब. बाकिर जब दाम बढ़ जाई तब त रउरा बेचे वाला के कपारे चढ़ जाएब कि हमरा के तय दाम पर तय संख्या में शेयर बेचा. आ ओह हालत में आप्शन बेचे वाला अपना सौदा से मुकर ना सके. एह तरह ओकरे नुकसान के संभावना अपार होला. एकरे एवज में ऊ प्रीमियम ले के वायदा बेचेला. ई त भइल कॉल आप्शन के बाति.

पुट आप्शन के बाति माथ चकरा दी. एहिजा शेयर बेचे वाला बेचे के वायदा खरीदेला आ ओकरा के बिकवाल ना खरीददार कहल जाला. काहे कि ऊ ओह वायदा के एगो प्रीमियम दे के खरीदेला. एह ऑप्शन में जे पुट बेचेला ऊ एगो तय दाम पर तय दिने तय संख्या में ओह शेयर के खरीदे के वायदा करेला. एहिजा ऊ शेयर के खरीददार होला बाकिर ओकरा के ऑप्शन विक्रेता कहल जाला. एह ऑप्शन में अगर तय दिने ओह शेयर के दाम बढ़ गइल त पुय ऑप्शन खरीदे वाला अपना वायदा से मुकरे खातिर आजाद होला. बाकिर अगर दाम गिर जाव तबो ओकरा तय दाम पर तय शेयर के खरीदे खातिर मजबूर होला. एहू सौदा में पुट ऑप्शन सेलर के जोखिम अपार होला जबकि ओकरा खरीददार के जोखिम ओतने भर के होला जवन प्रीमियम पहिलहीं दे चुकल बा. एकरा के दुबारा पढ़ीं आ तब ले पढ़त रहीं जब ले बाति साफ ना हो जाव.

खुदरा कारोबारी सबले अधिका ऑप्शन खरीदेलें. मान लीं कि रउरा कॉल खरीद के रखले बानी आ ओकरा दाम बढ़े लागल. ओह बेरा ओकर प्रीमियमो बढ़े लागी आ रउरा पर बा कि तय दिन ला रुकबा आ कि जबे मौका मिले कुछ मुनाफा ले के ऊ ऑप्शन दोसरा के बेच के निकल जाएब. सम्हार के राखे में ई खतरा होला कि हर घंटा ओकर बेंवत घचल जाला आ राउर पूरा पूंजी स्वाहा हो सकेला.

प्रीमियम के चरचा तबले पूरा ना होखी जबले ओकरा बारे में समुझ नइखे लीहल जात. प्रीमियम के तीन हिस्सा होला जवना के जोड़ के प्रीमियन बनेला. पहिला हिस्सा होला ओकरा असली दाम के. जइसे कि मानलीं ओह शेयर के दाम सौदा करत घरी 100 रुपिया बा आ रउरा ओकरा के 90 रुपिया में खरीदल चाहत बानी (एकरा के इन द मनी ऑप्शन कहल जाला – ITM) त पहिला हिस्सा त दस रुपिया के इहे फरक हो गइल. एकरा के आन्तरिक दाम कहल जाला. दोसर हिस्सा होला ओह संभावना के अनुमान लगावत कि दाम बढ़े वाला बा कि गिरे वाला. बढ़े के संभावना अधिका होखल त ओकरा एवज में प्रीमियम के दुसरका हिस्सा जुड़ जाई. तिसरका हिस्सा होला समय के. तय दिन जतने दूर होखी ओकरा एवज में ओतने अधिक देबे के पड़ी. ई भइल प्रीमियम के तिसरका हिस्सा.

अब मान लीं कि रउऱा ओकरा के मौजूदे दाम पर खरीदे के तइयार बानी त प्रीमियन के पहिलका हिस्सा पूरा आ दुसरका हिस्सा कुछ कम हो जाई आ एकरा के एट द मी ऑप्शन (ATM) कहल जाला. तिसरका हिस्सा समय पर होला आ ओकरा में एह सबसे कवनो अंतर ना पड़े कि रउरा कवना दाम पर खरीदत बानी.

तिसरका हालात हो सकेला कि रउरा 100 का बदले 125 देबे के तइतार बानी. एकरा के आउट ऑफ द मनी (OTM) ऑप्शन कहल जाला. एकरा प्रीमियम में पहिलका हिस्सा एकदमे ना रही. दुसरको हिस्सा बहुते कम हो जाई. बाकिर एहिजो तिसरका हिस्सा समय का हिसाबे से रही.

पुट ऑप्शन के सौदा कॉल आप्शन का उलट होखेला. मौजूदा दाम से कम में बेचल आउट ऑफ द मनी (OTM) कहल जाला, मौजूदा दाम पर के ऑप्शन एट द मनी (ATM) कहाई आ मौजूदा दाम से अधिका पर के सौदा इन द मनी (ITM) कहाला.

 791 total views,  1 views today

%d bloggers like this: