आजु सबेरे जब बाजार खुलल त शुक का बंद भाव से उपर खुलल आ तुरते बढ़त के राहि ध लिहलसि. कैण्डल के पोंछ बहुते छोट रहुवे आ पुट खरीदे के कवनो जगहा ना रहल. दुपहरिया बारह बजे ले निफ्टी-50 आजु के उपरी सिरा 17680 ले चहुँपल बाकिर ओकरा बाद थथम गइल. बाकिर निचहूं गिरे में डेरात रहि गइल. एक तरह से कहीं त निफ्टी-50 बहुते छोटहन दायरा में 17680 से 17620 का बीचे डोलत रहि गइल.
सोमार का बाजार का बारे में हम काल्हु लिखले रहीं –
जब ले निफ्टी-50 17475 से 17650 का बीच रही तबले हम अपना तरहथी पर बइठल रहब जेहसे कि हाथ कंप्यूटर के बटन ना दबा सको. 17650 का उपर निकलला पर एक बेर खरीदे के जरुर सोचब हम. आ अगर जे ई 17450 से नीचे निकलल त बिकवाली के विकल्प चुनब हम. रउरा का करब खुद फैसला करीं भा अपना सलाहकार का सलाह पर काम करीं. हमरा राय पर चले में आम त ना आई बाकिर लबेदा भुलाए के अनेसा हमेशा बनल रही.
एह प्लान के बनवला का बाद आजु हाथ खुल ना पावल. 17650 पार कइला का बाद जवन सौदा कइनी तवन तुरते स्टॉप लॉस पर लुढ़क गइल. आ नीचे के सौदा के त कवनो संभवने ना बने दिहलसि.
अलग बाति बा कि आजु के बाजार उमेद बढ़ा दिहलसि. आ चूंकि बाजार 17654 पर बंद भइल जवन आजु के हाई (Day’s High) 17680 का नजदीके रहल जवन कि आजु खुले का बेरा 17652 से उपरे रहुवे. एहसे लागत बा कि काल्हु मंगलो का दिने बढ़त के हवा बह सकेला. बाकिर बाजार के चाल का बारे में केहू कवनो दावा ना करि सके. एहसे दुतरफा प्लान बना के चलल हमेशा सुरक्षित रहेला.
आईं अब काल्हु के आपन प्लान बतावत बानी –
1) अगर निफ्टी-50 नीचे खुलला का बाद 17620 पार कइलसि भा गैप अप खुलला का बाद 17680 का पार निकलल त कॉल आप्शन खरीदब. दुनु हाल में पहिला लक्ष्य 17030 के राखब.
2) अगर 17700 का नियरा चहुँप के भा नीचे गिरत में 17620 का नीचे जाई त बेचे माने कि पुट आप्शन खरीदे के प्लान बनवले बानी. पहिला लक्ष्य 17550 के राखब आ ओकरो नीचे जाई त 17400 पर संतोष कर लेब.
3) अगर निफ्टी-50 17620 आ 17540 का बीचही नाचत रही त कवनो सौदा ना करब.
4) हर हाल में नुकसान के दायरा दीहल प्रीमियम का 5 फीसदी का भितरे राखब.
रउरा का सोचले बानी, बता देब त कवनो हरज ना होखी राउर. अगर आपन प्लान बतावे के मन नइखे त कम से कम हमरा प्लान पर त कुछ लिख-बोल जाईं. लागो त सही कि हमार मेहनत अकारथ नइखे जात आ सोच सही दिशा मे जात बा.
आखिर में बढ़िया से चेता दीहल जरुरी लागत बा कि हमरा राय से राउर इत्तेफाक होखल जरुरी नइखे. कबो केहू दोसरा का राय पर सौदा ना करे के चाहीं. आपन दिमाग लगाईं आ अपना से फैसला करीं. पुरनिओ लोग कह गइल बा कि एह बाजार में जवनो कमाएब ओकर 40 फीसदी ते एहिजे दे के जाए के बा. आ बंदो घड़ी दिन में दू बेर सही समय बता देले. ओहि तरह कतनो खराब सौदा करब बीच-बीच में त गलती से फायदो
होखहीं के बा. काहे कि बाजार कहेला – परीकऽ हो बिलार, एक ना एक दिन खइब मूसर के मार.
653 total views, 1 views today