web analytics

शुक 23 सितम्बर 2022 का दिने खातिर चुनल शेयर

शनीचर आ अतवार के छुट्टी रहे वाला बा आ ब्याजदर बढ़ावे के अमेरिकी फेड के फैसला का चलते अमेरिकी बाजार में गिरावट आइल बा. थोड़ बहुत असर अपनो किहाँ देखे के मिल सकेला. एहसे हरकले रहे के बा. ट्रेडर के सबसे बढ़िया दोस्त ओकर स्टॉपलॉस रहेला. मुनाफा त अपने होखे लागी अगर रउरा सही स्टॉपलॉस लगावे के नियम बना लीं.

बाकिर शुक का अनुमान से पहिल देखल जाव कि बियफे के हमार अनुमान कइसन रहल.

1. ITC लिखले रहीं कि 340.00 का आसपास मिल जाव त लीहल जा सकेला. स्टॉपलॉस 327.60 के रही. सफल रहल. 348.00 से उपर हाई बनवलसि.
2. IOC लिखले रहीं कि 68.00 का आसपास बेचल जा सकेला. स्टॉपलॉस 69.00 के रही. ना सफल रहल ना असफल कहाई. 67.50 के लो बनवलसि. बाकिर काम लायक ना रहल.
3. ZOMATO लिखले रहीं कि 59.40 के स्टॉपलॉस राखत 63.00 का आसपास लीहल जा सकेला. ना सफल रहल ना असफल कहाई. 63.75 के हाई बनवलसि. बाकिर काम लायक ना रहल.
4. IDFCFIRSTB लिखले रहीं कि 49. 0 के स्टॉपलॉस राखत 50.00 का आसपास लीहल जा सकेला. सफल रहल. 51.50 के हाई बनवलसि.

चार गो में से दू गो अनुमान सही रहल आ कवनो नुकसान के मौका ना बने दिहलसि.

अब आईं काल्हु शुक 23 सितम्बर 2022 के अनुमान लगावल जाय. शुक खातिर चार गो शेयर लउकल बा –

1. FORTIS एकरा के 280.00 के स्टॉपलॉस लगाके 282.00 का लगे बेचल जा सकेला.
318.00 पर खुल के 323.7 के हाई आ 250.35 के लो बनावत 264.80 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 311.35 पर बन्द भइल रहुवे.

2. IDFCFIRSTB 51.00 का आसपास मिल जाव त लीहल जा सकेला. स्टॉपलॉस 50.50 के रही.
बियफे का दिने ई 50.05 पर खुल के 51.5 के हाई आ 49.55 के लो बनावत 50.60 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 50.75 पर बन्द भइल रहुवे.

3. ZOMATO ई 64.00 का आसपास मिल सके त खरीदल जा सकेला. स्टॉपलॉस 63.00 के रही.
बियफे का दिने ई 62.90 पर खुल के 63.75 के हाई आ 62.60 के लो बनावत 63.20 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 63.45 पर बन्द भइल रहुवे.

4. ITC एकरा के 346.00 का आसपास खरीदल जा सकेला. स्टॉपलॉस 343.00 के रही.
बियफे का दिने ई 341.00 पर खुल के 348.75 के हाई आ 340.90 के लो बनावत 345.75 पर बन्द भइल. पिछला दिन ई 340.95 पर बन्द भइल रहुवे.

एकरा अलावे अगर निफ्टी भा बैंकनिफ्टी के ऑप्शन खरीदे के शौकीन लोग ला एगो आसान रणनीति –
ट्रेडिंग व्यू पर स्पॉट के आधा घंटा अवधि वाला चार्ट लगा लीं. स्पॉट माने इंडेक्स के चार्ट. बाजार खुलला के एक घंडा बाद दुसरका कैण्डल के आपन मार्गदर्शक बना लीं. अगर ओकरा से उपर निकले त कॉल ऑप्शन आ नीचे गिरे त पुटऑप्शन लीहल जा सकेला. बाकिर ऑप्शन के सौदा बहुते खतरनाक होला. एहसे स्टॉपलॉस लगवले बिना कवनो सौदा ना करे के चाहीं. एह रणनीति के इस्तेमाल चाहीं त शेयरो ट्रेडिंग में कइल जा सकेला. सफलता के मूलमंत्र इहे रही कि स्टॉपलॉस लगवले बिना आगे नइखे बढ़े के.


उदाहरण खातिर आजु दीहल चित्र देखीं जवना में निफ्टी स्पॉट के 30 मिनट वाला चार्ट लगावल गइल बा. चूंकि रणनीति बहुते आसान लागत बा त जोखिमो ओतने हो सकेला. हाथ लगावे से पहिले कुछ दिन पेपर ट्रेडिंग कर के देखलीं.

शेयर चुने के आधार –

स्क्रीप निफ्टी-200 में शामिल होखे. पिछला दिन के आखिरी दाम 500 रुपिया से 50 रुपिया का बीच के होखे. कम से कम सौ करोड़ रुपिया के सौदा भइल होखे आ कम से कम दू करोड़ शेयर के खरीद बिक्री भइल होखे. आ ऊ शेयर के ना त खरीद के रखले होखीं ना बेंच के.

एकरा अलावे इहो जान लीं कि –

हम कवनो तरह के सलाहकार ना हईं आ ट्रेडिंग के हमार अनुभव अबहीं ले बहुते खराब रहल बा. हम एकरा के महज जानकारी खातिर देत बानी आ कवनो तरह के सौदा अपना से सोच समुझ के भा अपना निवेश सलाहकार से पूछ के लीं. हम अलग से केहू के ई जानकारी ना बाँटी. जवन बा तवन सबका सोझा आ एही वेबसाइट पर बा. हम कवनो तरह के फीस ना लीं एह सब ला. कवनो सौदा बाजार खुलला का आधा घंटा बादे कइल बेहतर होला.
रोज के सौदा रोजे निपटा भा सलटा लेबे के चाहीं. अगर तय मापदंड पूरा ना होखत होखे त कवनो सौदा नइखे करे के. पहिले दस बीस दिन एहिजा दीहल आकलन के थाह लीं कि हम कतना सही भा कतना गलत होखत बानी. एकदिन एके स्क्रीप में सौदा करीं जवन ओह दिन सबले पहिले एह तय मापदण्डन के पूरा कर लेव.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: