Go to ...
RSS Feed

विज्ञापन

भोजपुरी में सबसे पहिले अठारह बरीस पहिले शुरु होखे भइल वेबसाइट http://anjoria.com भोजपुरी इलाकन के सगरी संस्ठानन, प्रतिष्ठानन के प्रचार मुफ्त में करे के तय कइले बा.

अगर रउरा भोजपुरी इलाका में कवनो स्कूल, कॉलेज, शिक्षण संस्थान, दुकान, उद्योग, अस्पताल, संस्था चलाइलें त ओकर प्रचार रउरा एहिजा कर सकीलें. एकरा खातिर कवनो तरह के शुल्क नइखे देबे के. कुछ छोटमोट शर्त बा –

  1. संस्था भा संस्थान भोजपुरी बोले वाला जिला में होखे.
  2. विज्ञापन भोजपुरी में होखे.
  3. संपर्क करे खातिर पूरा पता, फोन, ईमेल के जानकारी दिहल होखे.
  4. विज्ञापन के वर्गीकरण अँजोरिया अपना हिसाब से करी.
  5. नया विज्ञापन सबले ऊपर रही. पुरनका नीचे चलल जात रही.
  6. विज्ञापन 100 शब्द से अधिका के ना होखे.
  7. आपन विज्ञापन सीधे एहिजे टिप्पणी में डाल दीं. विज्ञापन सकार लीहल जाई त ओकरा के उचित जगहा स्थापित कइत जाई आ टिप्पणी में से हटा दीहल जाई.

एह काम ला केहू के कवनो तरह के भुगतान नइखे करे के. तीन महीना ले कवनो प्रकाशित विज्ञापन हटावल ना जाई.

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: