Go to ...
RSS Feed

Posts by: Editor

प्रो0 राकेश भटनागर बीएचयू के कुलपति बनावल गइलें

वाराणसी, 23 मार्च (वार्ता). जवाहर लाल नेहरू विश्वविद्यायल के प्रो0 राकेश भटनागर के काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के कुलपति बनावल गइल बा. बीएचयू के सूचना अउर जनसंपर्क अधिकारी डॉ0 राजेश सिंह ‘यूनीवार्ता’ के बतवलें कि प्रो0 भटनागर के बहाली का सूचना विश्वविद्यालय प्रशासन के मिल गइल बा. प्रो0 भटनागर उत्तर प्रदेश के कानपुर के नेशनल

भोजपुरी पट्टी से 13 गो खबर, 23 मार्च 2018

भगत सिंह, राजगुरु आ सुखदेव के 87 वाँ शहीदी दिवस मनावल गइल जौनपुर, 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरांवा गांव में महान क्रांतिकारी शहीद-ए-आज़म भगत सिंह, राजगुरु, आ सुखदेव के 87 वां शहीदी दिवस शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकंन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता मनवलें. सभा में लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के

सजा पावे के कीर्तिमान बनवलें लालू यादव

रांची 24 मार्च. बेबाँटल बिहार के अरबों रुपिया के चारा घोटाला में आजु चउथका मामिला में लालू यादव के चौदह बरीस जेल आ साठ लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनावल गइल बा. आजु ले देश के कवनो दोसरा नेता के शायदे अतना बरीस के जेल दीहल गइल होखी. लालू पहिलहीं से साढ़े तेरह बरीस

चुनावी होलिका में फेरू फुए जरली

उप्र से राज्यसभा ला भाजपा के नवो आ सपा के जया विजयी लखनऊ 23 मार्च, उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के दस सीटन ला भइल चुनाव में भाजपा आपन नवो उमीदवारन के जीता ले गइल आ मायावती के उमीदवार हार गइलें. दसवाँ सीट ला मायावती के बसपा के उमीदवार भीमराव अम्बेदकर सपा, कांग्रेस, आ रालोद के

गांधी के समाधि पर फूल चढ़ा के देश के फूल बनावे का काम में लगलें

अन्ना हजारे के बेमियादी भूख हड़ताल नयी दिल्ली, 23 मार्च. अपना के समाजसेवी कहे वाला आ सेना से भगोड़ा आ देश के अरविन्द केजरीवाल जइसन नेता देबे वाला अन्ना हजारे आजु फेरु दिल्ली के रामलीला मैदान में अपना भूख हड़ताल के लीला शुरु कइले बाड़न. अनशन शुरू करे से पहिले अन्ना हजारे राजघाट जाके राष्ट्रपिता

कानून आन्हर होला आ ओकरा के जवन सुनावल जाला उहे सुनेला

आआपा के 20 गो विधायकन के हाईकोर्ट से राहत मिलल नयी दिल्ली, 23 मार्च. ‘लाभ के पद’ मामिला में विधायकी से अयोग्य ठहरावल गइल आआपा के 20 गो विधायकन के अयोग्य ठहरावे वाला चुनाव आयोग के फैसला के निरस्त करत दिल्ली उच्च न्यायालय आयोग से एह मामिला में फेरु से सुनवाई करे के कहलसि. एह

ना नौ मन तेल होखी ना धन्नो नचीहें

अब लोकसभा में मंगल का दिने कांग्रेसो ले के आई आपन विश्वास प्रस्ताव नयी दिल्ली, 23 मार्च (वार्ता). तेलुगु देशम पार्टी आ वाईएसआर कांग्रेस का बाद अब कांग्रेसो लोकसभा में मोदी सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस दिहले बिया. सदन में कांग्रेस के नेता मल्लिकार्जुन खड़गे लोकसभा महासचिव के आजु सउँपल अपना नोटिस में

22 मार्च 2018, बियफे चार बजे ले भोजपुरी पट्टी से सात गो खबर

माई के प्रताप से एहिजा अंग्रेजनो के माथ नवावे पड़ल रहुवे देवरिया, 22 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला मुख्यालय से करीब सात किलोमीटर दूर अहिल्वार गांव में अहिलवार देवी के प्रताप का आगे अंग्रेजनो के आपन फैसला बदलत माई के प्रताप का आगे माझ नवावे के पड़ल रहुवे. जानकार बतावेलें कि करीब 110 साल पहिले बनारस

भोजपुरी पट्टी से 14 गो खबर, 21 मार्च 2018, बुधवार

सोनभद्र में ट्रक के धक्का से एक आदमी के मौत सोनभद्र, 21 मार्च (वार्ता) चोपन इलाका में कोटा ग्राम पंचायत के रानीताली के ओम प्रकाश (40) बुध का साँझ वाराणसी-शक्तिनगर सड़क पार करत रहलें जह डाला का ओर से आवत एगो ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसि आ ऊ गिर के ओकरा चक्का का नीचे

अखिलेश के बोलावल बइठक में ना अइलें शिवपाल

लखनऊ 21 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव लेके बोलावल सपा गोल के विधायकन का बइठक में आजु नितिन अग्रवाल आ शिवपाल सिंह यादव के गैरमौजूदगी चर्चा के विषय बन गइल. सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राज्यसभा खातिर 23 मार्च के होखे जा रहल चुनाव लेके सपा मुख्यालय में पार्टी विधायकन के ई बइठक बोलवले रहलें. एह बइठक

भारत रत्न बिस्मिल्लाह खां के 102वीं जयंती मनावल गइल

वाराणसी आ बक्सर, 21 मार्च (वार्ता). भारत रत्न उस्ताद मरहूम बिस्मिल्लाह खां के 102वीं जयंती पर आजु उनुका कर्मभूमि वाराणसी में उनुका के याद कइल गइल. एह कार्यक्रम में फातमान दरगाह में उनुका मकबरा पर परिवार आ नाते-रिश्तेदारन के अलावहु बहुते संगीत प्रेमी उनुका के आपन श्रद्धासुमन अर्पित कइलें. संगीत के आपन धर्म माने वाला

मायावती जतवली समय से पहिले लोकसभा चुनाव होखे के अनेसा

चंडीगढ़,15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी सुप्रीमो आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल मायावती आजु अनेसा जतवली कि लोकसभा चुनाव समय से पहिले करावल जा सकेला. बसपा गोल के संस्थापक कांसीराम के जयंती का मौका पर एहिजा आयोजित पांच राज्यन के राज्य स्तरीय कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत मायावती सचेत कइली कि आराम से

बसपा उमीदवार के राज्यसभा चहुंपावे ला सपा गोल जबरदस्त दबाव में

लखनऊ, 15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी से मिलल समर्थन का बूता पर लोकसभा उपचुनाव में विजय पताका लहरावे वाली समाजवादी गोल के अब उपहार का तौर पर राज्यसभा में बसपा प्रत्याशी भीमराव अंबेडकर के भेजै ला जबरदस्त दबाव बा. यूपी से राज्यसभा के दस सीट पर एगारह उमीदवार हो गइला का चलते भोयिंग जरुरी

कोलकाता में करावल जाई भोजपुरी सिने अवार्ड समारोह

कोलकाता 15 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन के कहना बा कि कोलकाता में भोजपुरी सिने अवार्ड के कार्यक्रम कइला से दर्शकन के रुझान भोजपुरी फ़िलिमन का ओर बढ़ी. जान जाईं कि पांच मई के कोलकाता के नेताजी इनडोर स्टेडियम में भोजपुरी सिने अवार्ड के आयोजन होखे जा रहल बा. रवि किशन बतवलें

गोरखपुर में ना चलल योगी के जादू,भाजपा के मजबूत किला भस गइल

लखनऊ 14 मार्च. उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के उनुके कर्मभूमि गोरखपुर में पहिला बेर मिलल शिकस्त का चलते भाजपा के एगो मजबूत किला आजु भस गइल. पांच बेर लगातार एही सीट से सांसद रहल योगी आदित्यनाथ का मुख्यमंत्रित्वकाल के पहिलके साल में अतना बड़हन हार मिलल. उनुके इस्तीफा से ई सीट खाली भइल

उपचुनाव हारे के सिलसिला जारी रखलसि भाजपा

फूलपुर (इलाहाबाद) 14 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश में फूलपुर लोकसभा सीट के उपचुनाव में समाजवादी पार्टी (सपा) के नागेन्द्र प्रताप सिंह पटेल भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के कौशलेन्द्र पटेल के 59460 भोट से हरा के ई सीट जीत लिहलन. पिछला बेर एहिजा से केशव प्रसाद मौर्य जीतले रहलें आ यूपी के उप मुख्यमंत्री बनला का

भभुआ से भाजपा आ जहानाबाद से राजद जीतल

पटना 14 मार्च (वार्ता). भभुआ से भाजपा के रिंकी रानी पांडेय कांग्रेस के शंभु पटेल के करीब 16 हजार भोट का अंतर से हरा के एह सीट पर भाजपा के कब्जा बरकरार रखववली. ई सीट उनुके पति आनंद भूषण पांडेय के निधन का चलते खाली भइल रहुवे. जहानाबाद विधानसभा क्षेत्र से मुख्य विपक्षी पार्टी राजद

मशहूर वैज्ञानिक स्टीफन हॉकिंग के निधन

लंदन 14 मार्च (वार्ता). दुनिया के जानल मानल वैज्ञानिक स्टीफन हॉकिंग के 76 बरीस का उमिर में निधन हो गइल बा. ई जानकारी ब्रिटिश प्रेस एसोसिएशन उनुका परिवार के हवाले से आजु दिहले बावे. स्टीफन हॉकिंग एगो अइसन बीमारी से पीड़ित रहलें, जवना चलते उनुका शरीर के कई एक हिस्सा के लकवा मार दिहले रहुवे.

याशी म्युजिक 35 लाख में खरीदलसि हलफा मचा के गइल के संगीत

मुंबई, 9 मार्च (शशिकांत सिंह). टाटा स्काई आ सुनील शेट्टी के कंपनी करी एह फिलिम के प्रमोट. मशहूर फिलिम निर्माता आ फाईनेंसर अभय सिन्हा के कंपनी याशी म्युजिक नयका स्टार राघव नय्यर के मुख्य भुमिका वाली फिलिम हलफा मचा के गइल के संगीत मुंहमांगा दाम दे के खरीद लिहलसि. नया स्टार का हिसाब से ई

सूबेदार जोगिन्दर सिंह के बायोपिक 6 अप्रैल से देशभर के सिनेमाघरन में

पटना (टीम रंजन). परमवीर चक्र विजेता सूबेदार जोगिंदर सिंह के बायोपिक 6 अप्रैल से देशभर के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा. ई जानकारी देत एह फिलिम के डायरेक्‍टर सिमरजीत सिंह वतवलें कि भारत – चीन युद्ध का दौरान साल 1962 में चीनी हमला के मुंहतोड़ जवाब देबे वाला बहादुर सिपाही के बायोपिक ‘सूबेदार

Older Posts›› ‹‹Newer Posts