Go to ...
RSS Feed

Posts by: Editor

16 मार्च के रिलीज होखे ला तइयार बा ‘मोहब्‍बत मीठ लागेला’

पटना (टीम रंजन). भोजपुरी फिलिम ‘मोहब्‍बत मीठ लागेला’ 16 मार्च से पूरा बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा. ई जानकारी देत निर्माता प्रवीण कुमार बतवलें कि एह फिलिम में भरपूर एक्‍शन, इमोशन, आ रोमांस बा, जवना के देखेवाला खूब पसंद करीहें. शूटिंग मुम्बई, यूपी, पटना, बक्‍सर, आ हाजीपुर में करावल गइल

बिहार में जल्दिए खुलीहें छह गो निजी विश्वविद्यालय

पटना 09 मार्च (वार्ता). बिहार सरकार आजु कहलसि कि पटना, मधुबनी, बिहारशरीफ, वैशाली, कटिहार, अउर सासाराम में निजी विश्ववद्यालय जल्दिए खोलल जइहें स. संसदीय कार्यमंत्री का साथही प्रभारी शिक्षा मंत्री श्रवण कुमार विधानसभा में वित्तीय वर्ष 2018-19 ला शिक्षा विभाग के बजट मांग पर भइल चरचा के जवाब देत ई जानकारी दिहलन. कहलन कि पटना

बिहार में लोकसभा के एगो आ विधानसभा के दु गो सीटन के उपचुनाव वाला प्रचार रुक गइल

पटना 09 मार्च (वार्ता). बिहार में लोकसभा के एगो आ विधानसभा के दू गो सीटन पर हो रहल उपचुनाव खातिर प्रचार के काम आजु से बन्द हो गइल. बिहार में महागठबंधन के टूटला आ राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के सरकार बनला का बाद पहिला बेर होखे जात कवनो चुनाव में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ विधानसभा में

राज्य कर्मचारियन के इलाज सरकारिए अस्पताल में करावे के होखी : उच्च न्यायालय

इलाहाबाद, 09 मार्च (वार्ता) इलाहाबाद उच्च न्यायालय प्रदेश के खस्ताहाल चिकित्सा व्यवस्था के दुरूस्त करावे ला डाक्टरन आ स्टाफन के खाली पद के जल्दी से भरे के आदेश का साथही कहले बा कि सरकारी वेतन भोगी कर्मियन आ उनुका परिवारवालन के इलाज सरकारिए अस्पताल में करावे के होखी आ केहू के वी.आई.पी. ट्रीटमेंट ना दीहल

मूर्ति तूड़ला के खबरन से खिसिअइली मायावती

लखनऊ, 07 मार्च. लखनऊ आ पूरा प्रदेश में अपना जिनिगेए में आपन मूरती लगवावे वाली बसपा अध्यक्षा मायावती हाल के घटनन से बहुते नाराड बाड़ी. कहले बाड़ी कि भाजपा हिंसा आ नफरत के राजनीति करत बिया आ पूर्वोत्तर राज्यन में जीत के मद में चूर भाजपा कार्यकर्तन के तांडव से लोग डेरा गइल बा. आजु

आईएएस, पीसीएस परीक्षा खातिर मुफ्त कोचिंग कराई पूर्वांचल विवि

जौनपुर, 07 मार्च (वार्ता). जौनपुर में वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय आईएएस, पीसीएस के प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला विद्यार्थियन के मुफ्त कोचिंग कराई. विवि के कुलपति प्रो0 राजाराम यादव आजु एह निःशुल्क कोचिंग सुविधा के उद्घाटन करत कहलन कि प्रतियोगी परीक्षन में निराशा घातक होले आ विद्यार्थियन के अपना मन से निराशा के

देवरिया जेल में अतीक अहमद के बैरक में मिलल प्रतिबन्धित सामान

देवरिया, 07 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला जेल में बन्द पहिले सांसद रहल आ फूलपुर लोकसभा क्षेत्र में होखत उप चुनाव में निर्दल उम्मीदवार अतीक अहमद के बैरक से आजु प्रतिबन्धित सामान बरामद भइल बा. आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि काल्हु देवरिया जिला प्रशासन अचके में अतीक अहमद के बैरक के जांच पड़ताल शुरू क दिहलसि.

भीमराव अम्बेडकर राज्यसभा ला परचा दाखिस कइलन

लखनऊ 07 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश से राज्यसभा खातिर बसपा के उम्मीदवार भीमराव अम्बेडकर आजु आपन परचा दाखिल क दीहलन. राज्यसभा चुनाव ला यूपी से पहिलका परचा दाखिल करे वाला भीमराव अम्बेडकर आजु चुनाव अधिकारी आ विधानसभा के प्रमुख सचिवो प्रदीप दुबे का सोछा आपन परचा पेश कइलन. एह मौका पर उनुका साथे पार्टी के

मुख्य सचिव के बर्खास्त करे के मांग ला परिषद में राजद के हंगामा

पटना 07 मार्च (वार्ता). बिहार विधान परिषद में आजु राष्ट्रीय जनता दल चारा घोटाला मामिला में झारखंड के अदालत से सम्मन जारी होखला का बाद राज्य के मुख्य सचिव अंजनी कुमार सिंह के बर्खास्त करे के मांग करत हंगामा कइलसि. उप सभापति हारूण रसीद के आसन ग्रहण करते राजद के सुबोध राय कार्यस्थगन प्रस्ताव राखत

बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में एमसीआई टीम निरीक्षण करे आइल

गोरखपर, 07 मार्च (वार्ता). बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में 50 से बढाके एक सौ कइल गइल एमबीबीएस सीटन के मान्यता खातिर जरुरी संसाधन देखे आ कॉलेज में चलत परीक्षा देखे खातिर मेडिकल काउंसिल आफ इंडिया के टीम आजु व्यवस्था के निरीक्षण कइलसि. एमसीआई टीम में रोहतक मेडिकल कालेज के बाल रोग विभागाध्यक्ष डा. संजीव नंदा

चंद्रबाबू जतवलें भाजपा नेता लोगन से आपन नाराजगी

अमरावती 06 मार्च (वार्ता). आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री एन चन्द्र बाबू नायडू एह बाति पर नाराज हो गइल बाड़ें कि आंध्र प्रदेश पुनर्गठन अधिनिमय 2014 के प्रावधानन के पूरा करे बदे निशेष राज्य के दर्जा देबे में केन्दमर के आनाकानी पर राज्य विधानसभा में भाजपा नेता बेकार के दलील देत बाड़ें. कहलन कि चूंकि तेलुगू

बॉलीवुड अदाकारा शम्मी के निधन

मुंबई 06 मार्च (वार्ता). बॉलीवुड के बुजुर्ग अदाकारा शम्मी के सोमार का राति एक बजे लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल. ऊ 89 बरीस के रहली. सदी के महानायक अमिताभ बच्चन अपना ट्विटर पर उनुका निधन के जानकारी देच आपन दुख जतवलें. लिखलें – बेहतरीन अदाकारा आ परफॉर्मर हमनी का बीच ना रहि गइली.

बिप्लब देब बनीहें त्रिपुरा के नयका मुख्यमंत्री

अगरतला 06 मार्च (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी के त्रिपुरा इकाई के अध्यक्ष बिप्लब देव राज्य के नयका मुख्यमंत्री बनीहें. बनमालीपुर से विधायक बिप्लव देब के आजु पार्टी विधायक दल के बइठक में नेता चुन लीहल गइल. तीन मार्च के आइल परिणाम में भाजपा त्रिपुरा में मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी के 25 साल से चलल आवत शासन

आईएनएक्स मीडिया मामिला में कार्ति के ना मिलल राहत

नयी दिल्ली 06 मार्च (वार्ता) उच्चतमो न्यायालय से आईएनएक्स मीडिया मामिला में पहिले केंद्रीय वित्त मंत्री रहल पी. चिदंबरम के बेटा कार्ति चिदंबरम के आजु कवनो राहत ना मिलल. अदालत उनुका याचिका पर अगिला सुनवाई आठ मार्च के करी. मुख्य न्यायमूर्ति दीपक मिश्रा, न्यायमूर्ति ए एम खानविल्कर आ डी वाई चंद्रचूड़ के तीन सदस्यीय खंडपीठ

कोनराड संगमा मेघालय के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहलें

शिलांग 06 मार्च (वार्ता) नेशनल पीपुल्स पार्टी (एनपीपी) के अध्यक्ष कोनराड संगमा के आजु मेघालय के मुख्‍यमंत्री पद के किरिया धरा दीहल गइल. मेघालय के राज्यपाल गंगा प्रसाद उनुका के पद आ गोपनीयता के किरिया धरवलें. उनुका साथे अउरिओ मंत्रियन के किरिया धरावल गइल. मेघालय के नयका सरकार में एनपीपी के अलावे भाजपा, यूनाईटेड डेमोक्रेटिक

File Photo of Sushil Modi

टटका खबर, 5 मार्च 2018, सोमार

बिहार में वित्तीय प्रबंधन प्रणाली 01 अप्रैल से ऑनलाइन हो जाई पटना 05 मार्च (वार्ता). बिहार के उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी सोमार का दिने एलान कइलन कि राज्य का वित्तीय प्रबंधन में पारदर्शिता ले आवे खातिर 01 अप्रैल से ऑनलाइन व्यापक वित्त प्रबंधन प्रणाली (सीएफएमएस) लागू हो जाई आ सरकार के

सुंजवान हमला के मास्टरमांइड जैश आतंकवादी मुफ्ती वकास का मार गिरावत गइल

श्रीनगर 05 मार्च(वार्ता) सेना के सोमार का दिने एगो बड़हन सफलता मिलल जब ऊ जैश- ए -मोहम्मद के आतंकवादी मुफ्ती वकास के मार गिरवलसि. वकास पिछला महीना भइल सुंजवान सेना शिविर हमला के मास्टरमाइंड बतावल जा रहल बा. पुलवामा के अवंतिपोरा इलाका में सेना के 50 राष्ट्रीय राइफल्स आ विशेष कार्रवाई दल (एसओजी) के साझा

टटका खबर, 4 मार्च 2018, अतवार

राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के

कह रहीम कइसे निभी, केर-बेर के संग

लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) “कह रहीम कइसे निभी, केर-बेर के संग.” ई कहना बा यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के. उनुका से पुछाइल रहे कि यूपी में समाजवादी पार्टी (सपा) आ बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के बढ़त नजदीकियन के ऊ कवना तरह देखत बाड़न. सुने में आवत बा कि बसपा गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीट

हमरा आ हमरा गोल का बीच दूरी ना बनावल जा सके : अमरिंदर सिंह

नयी दिल्ली 04 मार्च (वार्ता). पंजाब के मुख्यमंत्री आ कांग्रेस के बड़का नेता कैप्टन अमरिंदर सिंह एह बाति पर विरोध जतवले बाड़न कि उनुका के केहू आजाद सिपाही कइसे बता सकेला. कहलन कि एह तरह का बयान से उनुका आ उनुका गोल का बीय दूरी ना बनावल जा सके. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु भाजपा कार्यालय

Older Posts›› ‹‹Newer Posts