Go to ...
RSS Feed

Posts by: Reporter

बँवारा गोलबन्दी के सरकार का मर्जी का खिलाफ तिरंगा फहरवलें संघचालक

आजु गणतंत्र दिवस का मौका पर केरल के पलक्कड़ जिला में भारतीय विद्या निकेतन के एगो स्कूल में पर राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत तिरंगा फहरवलें. वइसे त हर साल 15 अगस्त आ 26 जनवरी का दिने संघचालक जहँवे रहेलें तहँवे तिरंगा फहरावेलें आ एहमें कवनो खास बाति ना होखे के चाहीं. बाकिर

भोजपुरी पट्टी से शुक, 19 जनवरी 2018 के कुछ समाचार

प्रयागराज में होखत माघ मेला में विहिप का संत समागम में चहुँपल यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि मुख्यमंत्री बन गइला का बावजूद उनुका में कवनो बदलाव नइखे आइल, बस कुछ जिम्मेदारी अउर बढ़ गइल बा. संतन से योगी के आग्रह रहे कि सरकार से कुछ कहला मंगला के जरुरत नइखे काहे कि अब

हिन्दी टीवी चैनल जीन्यूज पर पीएम मोदी के इन्टरव्यू

My government's only agenda for Budget is development: PM Modi to Zee Newshttps://t.co/FEq60TyZHx#ModionZee pic.twitter.com/nqhh62YBTx — Zee News (@ZeeNews) January 19, 2018 एह साल 2018 में पहिला बेर कवनो टीवी चैनल के दीहल इन्टरव्यू में पीएम मोदी हिन्दी टीवी चैनल जीन्यूज पर आपन बाति देश का सोझा रखलन. एह इन्टरव्यू में बहुते कुछ मसलन के चरचा

आआपा के बीस गो विधायकन के विधायकी गइल

शुक का दिने चुनाव आयोग दिल्ली के सरकार चलावत आआपा गोल के बीस गो विधायकन के विधायकी रद करे जोग मान लिहलसि आ राष्ट्रपति का लगे आपन अनुशंसा भेज दिहलसि. अपना बेहया टेढ़ियई का ताव में आआपा वाले चुनाव आयोग का सोझा पेशे ना भइलें. कहलें कि मामिला हाई कोर्ट में बा आ जब ले

सुप्रीम कोर्ट के फैसला राजपूत समाज के निराश कइलसि

सुप्रीम कोर्ट अपना एगो फैसला से मध्य प्रदेश, हरियाणा, राजस्थान, गुजरात सगरी राज्यन के निर्देश दे दिहलसि कि पद्मावत फिलिम का रिलीज पर कवनो तरह के पाबन्दी मत लगावल जाय. अदोलत के एह फैसला प आपन निराशा जतावत राजपूत समाज के संगठन अखंड राजपूताना सेवासंघ के राष्ट्रीय अध्यक्ष आर पी सिंह के कहना बा कि

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा प्रवेश पत्र आ कुछ अउर खबर

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा प्रवेश पत्र आजु शुक का दिने से बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के वेबसाईट पर मिलल शुरु हो जाई. बोर्ड के वेबसाईट bsebbihar.com हवे. एहिजा से 23 जनवरी ले आपन प्रवेश पत्र उतार सकीहें परीक्षार्थी. अगर उतारल प्रवेश पत्र में कवनो गलती मिले त अपना विद्यालत के प्राचार्य का माध्यम से

नोएडा आ लखनऊ का बाद अब कानपुर, आगरा आ मेरठो में चली मेट्रो

यूपी के तीन गो अउर महानगरन – कानपुर, आगरा अउर मेरठ – में मेट्रो सेवा शुरु कइल जाई. एकर फैसला बियफे का दिने भइल यूपी कैबिनेट का मीटिंग में लीहल गइल बा. ई काम साल 2024 ले पूरा करा लीहल जाई. तीनों शहरन में मेट्रो रेल के दू दू गो कारीडोर होखी. कानपुर आ आगरा

मुसलमानन के फायदा चहुँपावे का मकसद से हज सबसिडी बन्द कइलसि केन्द्र सरकार

तीन तलाक के गैरकानूनी अपराध बनवला का बाद एगो अउर बड़हन फैसला में केन्द्र सरकार हज पर दीहल जाए वाला सबसिडी के एही साल से बन्द क दिहलसि. सरकार एकरा के सुप्रीम कोर्ट के एगो फैसला का चलते एह तरह के फैसला लेबे के कारण बतवले बिया. एह साल देश से हज करे जाए वालन

फरियाइल नइखे अदालत के रार

सुप्रीम कोर्ट का चार गो जज अपना लायक भा अपना पसन्द वाला केस ना मिल पवला का चलते पिछला हफ्ता प्रेस कांफ्रेंस क के बखेड़ा कर दिहले रहुवन. बँवारा गिरोह के नाता डी राजा के बुड़बकहीं कहीं भा हड़बड़ी, बाकिर चौकड़ी के एगो जज से उनुका मुलाकात के खबर जगजाहिर हो गइला का बात बहुते

हिन्दू नेता के लागत बा अपना जान प खतरा

विश्व हिन्दू परिषद के नेता प्रवीण तोगड़िया के अपना जान प खतरा लउकत बा आ ऊ देश के हिन्दूवादी सरकारन से आपन जान बचावे के जुगाड़ गगावत जलत बाड़ें. सोमार का दिने करीब बारह घंता लापता रहला का बाद उनुकर पता तब चलल जब उनुका के केहू बेहोशी का हालत में अस्पताल में भरती करा

बसपा वाली बहिना बीचे में चुनाव के बाति कहली

सोमार का दिने बसपा वाली बहिना कुमारी मायावती अनेसा कहीं भा आशा जतवली कि पीएम मोदी लोकसभा चुनाव समय से पहिलहीं करा सकेलें. आ अपना लोगन के एहला तइयार रहे के कहली. उनुका हिसाब से कांग्रेस आ भाजपा दूनू मौसेरा भाई हउवें आ दूनू दलितन के खिलाफ रहेलें. ऊ एह बाति के साफे अनदेखी क

सेर प तीन सेर

पाकिस्तानी सेना के मिजाज ठिकाने लगावे में लागल भारत के सेना सोमार का दिने ओकर भुरकुच निकालत एगो मेजर समेत सात गो पाकिस्तानी सैनिकन के ठिकाने लगा दिहलसि. पिछलका सरकार में सेना के हाथ बान्हल रहत रहुवे आ ओकरा मजगर जबाब देबे के इजाजत ना मिलत रहुवे. नयकी सरकार एह बारे में सेना के पूरा

टटका खबर, शुक, 12 जनवरी 2018

मशहूर हिन्दी साहित्यकार प्रो0 दूधनाथ सिंह के निधन 82 बरीस का उमिर में बियफे का देर रात इलाहाबाद के एगो अस्पताल में हो गइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह पिछला दू बरीस से प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहलीं. बलिया के सोबंथा गांव में 17 अक्टूबर 1936 के जनमल प्रो0 दूधनाथ पिंह के बलिया के पढ़ाई का बाद

टटका खबर पर बियफे 11 जनवरी 2018 के कुछ खास खबर

वाराणसी में बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पुण्यतिथि पर अनेके कार्यक्रम आयोजित कइल गइल. एगो समारोह उनुका पैतृक निवास रामनगर में आयोजित भइल. राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लखनऊ के लाल बहादुर शास्त्री भवन में आयोजित समारोह में शामिल भइनी आ आपन पुष्पांजलि अर्पित कइनी. योगी जी

बुध, 10 जनवरी 2018 के खास खास खबर

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद एक दिन का दौरा प बियफे का दिने बिहार आएब. राष्ट्रपति एहिजा राजगीर में नालंदा विश्वविद्यालय, सीएसआरएस, इंडिया फाउंडेशन अउर विदेश मंत्रालय का ओर से आयोजित तीन दिन के धर्म-धम्म सम्मेलन के उद्घाटन करब. एह सम्मेलन में राज्यपाल सत्यपाल मलिक, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ श्रीलंका के विदेश मंत्री तिलक मरापाना समेत अनेके

मंगल, 9 जनवरी 2018, खास-खास खबर

नई दिल्ली में दुनिया के तमाम देशन से आइल भारतीय मूल के सांसदन के पहिलका सम्मेलन के संबोधित करत पी एम मोदी ओह लोग से गोहार कइनी कि भारत के विकास बढ़ावे में उत्प्रेरक के आपन भूमिका निबाहे. चीन के नाम लिहले बिना पीएम मोदी के कहना रहल कि भारत कबहियों कवनो दोसरा देश के

चारा घोटाला के दुसरको केस में लालू के मिलल जेल आ जुर्माना

27 बरीस पहिले का बिहार में – जब झारखण्ड अलगा ना भइल रहुवे – भइल चारा घोटावा में चारा चोर का नामम से मशहूर हो गइल लालू प्रसाद के आजु साढ़े तीन बरीस के जेल आ पाँच लाख रुपिया के सजा सुना दीहल गइल सीबीआई का विशेष अदालत में. लालू का साथही एह घोटाला के

टटका खबर, शुक, 5 जनवरी 2018

मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से हो गइल. एह हादसा में पाँच गो विद्यार्थियन आ ड्राइवर के मौत हो गइल आ दर्जनो घवाहिल हो गइलें. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी शुक का दिने

टटका खबर, बियफे, 4 जनवरी 2018

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे का दिने आजमगढ़ जिले के सठियांव ब्लॉक का किसान सहकारी मिल के मैदान में आसवनी आ एथेनॉल प्लांट समेत पांच सौ बावन करोड़ रुपिया के अनेके परियोजनन के शिलान्यास भा लोकार्पण करत कहनी कि उहाँ के सरकार राज्य के बाईस करोड़ लोगन के सुरक्षा के जिम्मेदारी आ नवहियन अउर

टटका खबर, मंगल, 2 जनवरी 2018

देश में चुनाव लड़े वाला गोल के चंदा देबे वाला लोग, फर्भ, संस्था भा कंपनी अब स्टेट बैंक के निर्धारित शाखा से एक हजार से ले के एक करोड़ रुपिया तक के बॉण्ड खरीद के ओह गोल के दे सकीहें. चंदा पावे वाला आ देबे वाला अपना अपना खाता में एकर जिक्र करीहें बाकिर ई

Older Posts›› ‹‹Newer Posts