टटका खबर
कोरोना के टीका बने बनवावे पर मोदी सरकार के जोर आ बिहार चुनाव में कहल फोकट में टीका लगवावे के वादा का बाद देश के जनता का बीच ई भावना पनपल कि कोरोना के वैक्सिन बनला का बाद सभका के सरकार ई टीका लगवा दी. बाकिर सकल पदारथ एही जग माँही, लउकत बा पर ठेकी
मोदी सरकार में मंत्री ना बनावल गइला पर छिरियाइल यशवन्त सिन्हा के कहना बा कि नीतीश कुमार नामे भर के मुख्यमंत्री रहीहन बिहार के. भाजपा उनुका के तबले निचोड़ी जब ले ऊ बजान परान के नइखन हो जात. आजु थोड़ही देर बाद नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के किरिया लेबे जात बाडन. आजु होखे वाला किरिया
बिहार में भाजपा गठबन्हन के जीत आ पूरा देश में भइल उपचुनाव में भाजपा के मिलल शानदार सफलता का खबर का बीच शेयर बाजार के बड़हन आ ऐतिहासिक उछाल के खबर दबा गइल. काल्हु देश के शेयर बाजार एगो नया इतिहास बनावत अबले के सबले ऊँच निशाना लगा दिहलसि. बीएसई सेंसेक्स पहिला बेत 43277 अंक
कुल्हि 243 सीटन के परिणामराजग 125 राजद 110 बाकी के 8 भाजपा 74जदयू 43विइंपा 4हिअपा 4 राजद 75कांग्रेस 19बँवारा 16 लोजपा 1अउरी गोल 7
बिहार में महाराष्ट्र राज आवे के अनेसा बनि गइल बा. काल्हु सुदर्शन टीवी छोड़ सगरी चैनलन पर आइल एक्जिट पोल में तेजस्वी के सरकार बने के उमेद देखावल गइल बा. अगर तेजस्वी के सरकार आ गइल त बिहारो में महाराष्ट्र राज आ जाई काहे कि एहू सरकार का पिछवाड़ा में राकांपा आ शिवसेना के रणनीतिकार
अब बिहारो में महाराष्ट्र राज आवे के संकेत मिल गइल बा. एक्जिट पोल में करीब करीब हर चैनल पर राग तेजस्वी सुने के मिलत बा. एगो अकेला चैनल सुदर्शन टीवी बावे जवन अबहियों कहत बा कि बिहार में राजग के सरकार फेर बने जा रहल बा. अब सही खबर त दस तारीख का पहिले मिले
काल्हु शनिचर के बिहार विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के मतदान होखी आ साँझही से टीवी पर एक्जिय पोल के खेला शुरु हो जाई. कहल जात बा कि पुलिस का मामिला में राजनीतिक दखल से अनसाइल महाराष्ट्र के पुलिस महानिदेशक सुबोध जायसवाल केन्द्रीय प्रतिनियुक्ति पर चल जइहे. एहला ऊ जसहीं राज्यसरकार से अनापत्ति मंगलन, उनका
महाभारत के पात्रन का काल्पनिक घटनाक्रम में गाँधारी संजय के गिरफ्तारी करवा दिहली. एह काम में ऊ अपना सेवा में लागल शिखंडी के आगा कइले बाड़ी. कहल जात बा कि गाँधारी शिखंडी के कामकाज में हस्तक्षेप ना करसु. संजय पर आरोप बा कि ऊ धृतराष्ट्र का विरोध में साँच साँच खबर सुनावत रहलें जवना चलते
पचासो से अधिका साल राजनीति में धुरंधर रहल आ छह गो प्रधानमंत्रियन के सरकार में मंत्री रहल रामविलास पासवान के काल्हु बियफे का दिने हृदय रोग से निधन हो गइल. अबहीं पिछला शनिचर के उनुका हृदय पर शल्यक्रिया कइल गइल रहुवे बाकिर ऊ एह बीमारी से छुटकारा ना पा सकलें. अपना पापा के मौत के
जबसे यूपी का हाथरस में देश विरोधी गिरोहन के एगो मौका लउकल बा तबसे देश विरोधी गिरोह पूरा ताकत झोंक दिहले बाड़ें एह मामला पर आग लगावे खातिर. बाकिर देश आ खास क के यूपी के लोग एह देश विरोधी-अपराधी-मजहबी साजिश के बढ़िया से जान ले लें बाड़ें जवना चलते ईहो साजिश तार-तार होखे जा
काल्हु हाथरस के विवादित मामला पर विवाद बढ़ावे के नौटंकी करत कांग्रेसी नेता राहुल आ प्रियंका पीआर एजेन्सी का इशारा पर एगो अइसन नौटंकी कर बइठलें जवना से राहुल गाँधी के बचकानापन सभका सोझा आ गइल. पहिले त ई लोग देश में गैर भाजपा शासित राज्यन में होखे वाला बलात्कारन पर चुप्पी साध लेलें आ
अयोध्या में श्रीराम मन्दिर तूड़ के बनावल बाबरी मस्जिद के ढाँचा गिरावल गइला का बाद तब के कांग्रेसी सरकार हिन्दू संगठनन के प्रभावशाली लोगन पर साजिशन मुकदमा लाद दिहले रहुवे.सुनल सुनावल बात आ हवाई सबूतन का नाम पर 28 बरीस से एह लोग के परेशान कइल जात रहुवे.अब काल्हु एह मामिला पर सुनावाई ला बनावल
बिहार विधानसभा चुनाव के एलान होखला का साथही चुनावी बेंगन के टरटराइल शुरु हो गइल बा. तरह-तरह के आकलन आवे लागल बा बाकिर एह टरटराहट में जवन एक बाति साझा लउकत बा ऊ ई कि अबकी के चुनाव भाजपा के अगुअई वाला राजग का पक्ष में तय बा. लोग नीतीश से नाराजो बा बाकिर अतना
कोरोना महामारी के पसार का बीचे पड़ल बिहार विधानसभा चुनाव 2020 के टारल ना गइल आ कुछ राजनीतिक गोल के माँग नकारत चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. काल्हु के एलान का साथही बिहार में आचार संहिता लागू हो गइल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा नयी दिल्ली में पत्रकारन का सोझा
कोविड-19 के मौजूदा मरीजन के गिनिती अतवार का दिने लगातार दुसरका दिने घट के आइल बा. पिछला दस दिन में ई तिसरका दिन रहल जब कोविड के मौजूद मरीजन के गिनिती में कमी दर्ज भइल.रोज मिलल नया मरीजन के गिनिती में से ठीक भइल मरीजन के गिनिती घटवला का बाद पता चलेला कि कोविड के
विरोध जब खाली विरोध का नाम पर होखे लागे, बिना सोचले विचरले होखे लागे त उहे होला जवन आजु खेती से जुड़ल बिल पर हो रहल बा. विपक्ष के त बस विरोध करे के बा. हँ सरकार में शामिल शिरोमणि अकाली दल के अकेला मंत्री हरसिमरत कौर बादल के एह मुद्दा के बहाना बना के
बरीस 1979 में आइल फिलिम जनता हवलदार के एगो गाना आजु बहुते याद आइल. ओह गीत के लिंक नीचे देले बानी. गीत के एगो पंक्ति रहुवे – हमपे इल्जाम है यह, चोर को क्यों चोर कहा काहे सही बात कही, काहे ना कुछ और कहा. एह गीत के याद करे के मौका दिहली सदी के
केन्द्र सरकार के विदेश व्यापार निदेशालय आजु से हर तरह के पियाज के निर्यात पर रोक लगा दिहलसि. एह रोक में काटल भा पावडर बनावल पियाज शामिल नइखे आ ओकर निर्यात हो सकेला.जान जाईं कि देश में पियाज के किल्लत का चलते ओकर दाम बढ़ल जात बा. पियाज के दाम राजनीतिको तौर पर मौजूदा सरकारन
उत्तर प्रदेश सरकार का तरफ से एगो अधिसूचना जारी कइल गइल बा कि यूपी में एगो विशेष सुरक्षा बल के पाँच गो बटालियन खड़ा कइल जाई.एह विशेष सुरक्षा बल का जिम्मे प्रमुख सरकारी भवनन, कार्यालयन, आ औद्यागिक प्रतिष्ठआनन के सुरक्षा रही. निजी प्रतिष्ठानों भुगतान दे के एह सुरक्षा बल के सेवा ले सकीहें. राज्य के
गृह मंत्रालय के प्रेस सूचना विभाग का तरफ से खंडन आ गइल बा कि पहिला अक्टूबर से देश भर के सिनेमा ह़ल खुले जा रहल बाड़ी सँ.हालही में कुछ अभिनेता, फिल्मकर्मी, आ राजनेता मांग कइले रहलें कि देश भर में सिनेमाघरन के जल्दी से खोल दीहल जाव ना त फिलिम उद्योग से जुड़ल लोग भुखमरी
Older Posts››