बिहार
मोदी सरकार में मंत्री ना बनावल गइला पर छिरियाइल यशवन्त सिन्हा के कहना बा कि नीतीश कुमार नामे भर के मुख्यमंत्री रहीहन बिहार के. भाजपा उनुका के तबले निचोड़ी जब ले ऊ बजान परान के नइखन हो जात. आजु थोड़ही देर बाद नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के किरिया लेबे जात बाडन. आजु होखे वाला किरिया
बिहार में भाजपा गठबन्हन के जीत आ पूरा देश में भइल उपचुनाव में भाजपा के मिलल शानदार सफलता का खबर का बीच शेयर बाजार के बड़हन आ ऐतिहासिक उछाल के खबर दबा गइल. काल्हु देश के शेयर बाजार एगो नया इतिहास बनावत अबले के सबले ऊँच निशाना लगा दिहलसि. बीएसई सेंसेक्स पहिला बेत 43277 अंक
कुल्हि 243 सीटन के परिणामराजग 125 राजद 110 बाकी के 8 भाजपा 74जदयू 43विइंपा 4हिअपा 4 राजद 75कांग्रेस 19बँवारा 16 लोजपा 1अउरी गोल 7
पचासो से अधिका साल राजनीति में धुरंधर रहल आ छह गो प्रधानमंत्रियन के सरकार में मंत्री रहल रामविलास पासवान के काल्हु बियफे का दिने हृदय रोग से निधन हो गइल. अबहीं पिछला शनिचर के उनुका हृदय पर शल्यक्रिया कइल गइल रहुवे बाकिर ऊ एह बीमारी से छुटकारा ना पा सकलें. अपना पापा के मौत के
बिहार विधानसभा चुनाव के एलान होखला का साथही चुनावी बेंगन के टरटराइल शुरु हो गइल बा. तरह-तरह के आकलन आवे लागल बा बाकिर एह टरटराहट में जवन एक बाति साझा लउकत बा ऊ ई कि अबकी के चुनाव भाजपा के अगुअई वाला राजग का पक्ष में तय बा. लोग नीतीश से नाराजो बा बाकिर अतना
कोरोना महामारी के पसार का बीचे पड़ल बिहार विधानसभा चुनाव 2020 के टारल ना गइल आ कुछ राजनीतिक गोल के माँग नकारत चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. काल्हु के एलान का साथही बिहार में आचार संहिता लागू हो गइल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा नयी दिल्ली में पत्रकारन का सोझा
हालही में राजद छोड़े के एलान कर वाला रघुवंश बाबू आजु अतवार का दिने दुनिया से प्रयाण क गइलन। कुछ दिन पहिले अस्पताले का बेड से एगो पाती लिख के रघुवंश बाबू राजद से इस्तीफा दे दिहले रहलन। लिखले रहलन कि कर्पूरी जी का गइला का बाद से ऊ हमेशा लालू का साथे खड़ा रहलन
काल्हु सबेरे छह बजे से बिहार में ट्रक वालन के बेमियादी हड़ताल शुरु होखे जा रहल बा. एकर एलान करत मालिकन के संघ अध्यक्ष भानु प्रताप सिंह कहलन कि एकरा से होखे वाला जनता के परेशानी के जिम्मेदार बिहार सरकार होखी जे हमनी के माँग सुने के तइयार नइखे.जान जाईं कि जब जब चुनाव के
बिहार सरकार शहर के बीचोबीच आरा टीसन का नियरा खाली पड़ल कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के 25 अकड़ जमीन आरा मेडिकल कॉलेज खातिर अधिग्रहण करे के फैसला कइले बिया. बाकिर खुरचाली विवि प्रबंधन नइखे चाहत कि विश्वविद्यालय के जमीन पर मेडिकल कॉलेज खुले.जबकि सरकार ओकरा बदले विश्वविद्यालय के कोईवनर हॉस्पीटल के जमीन देबे के तइयार बिया.जान
झारखंड में भाजपा के हरवावे वाला सरयू राय अब बिहारो का राजनीति में फच्चर फँसइहें. बिहार के भोजपुर के मूल निवासी आ अब जमशेदपुर में डेरा जमवले सरयू राय के गोल भारतीय जनता मोर्चा बिहारो चुनाव में आपन प्रत्याशी उतारी. भाजमो के केंद्रीय अध्यक्ष धर्मेंद्र तिवारी शुक का दिने अपना गोल के पहिलका उमीदवार के
जस जस बिहार विधानसभा चुनाव नियरात बा तस तस छरपा-छरपी के खेल रफ्तार धइले जात बा. काल्हु पटना में जदयू मुख्यालय में मिलन समारोह क के अइसने कुछ नेतवन के जदयू में शामिल कइल गइल.एह नेतवन में मंत्री रहल आ लालू के राजद से तीन बेर राघोपुर विधायक रहल भोला राय, कांग्रेस के गोविंदपुर विधायक
यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी सोमार का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज अस्पताल में कई नया निर्माण के उद्घाटन कइलें. एह में प्रदेश के पहिलका बायोसेफ्टी लैब, तीन सौ बेड के नया लेवल थ्री अस्पताल, गेस्ट हाउस, आ सौ बेड के पीजी हॉस्टल शामिल बा. पहिले के लेवल थ्री अस्पताल के क्षमता
बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक
रेलवे देश में 12 सितम्बर से 80 जोड़ी ट्रेन के शुरुआत करे जा रहल बा. एह ट्रेनन में कृषक एक्सप्रेस आ चौरीचौरा एक्सप्रेस शामिल बाड़ी सँ. एह गाड़ियन में आरक्षण के शुरुआत 10 सितम्बर से हो जाई. समय सारिणी का बारे में टीसन से पता क लीहल जरुरी बा काहे कि ठहरावन में कुछ बदलाव
बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ
लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ
गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.बाद में मंगल बुध
उत्तर प्रदेश फिल्म विकास परिषद के अध्यक्ष राजू श्रीवास्तव प्रदेश सरकार से गोहार लगवले बाड़न कि कोविड महामारी से काम ठप्प पड़ला का चलते फिल्म आ यीवी इंढस्ट्री से जुड़ल लोग भूखमरी का कगार पर चहुँप गइल बा. जरुरत बा कि सरकार एह लोग के आर्थिक सहायता करे कि ई लोग एह संकट से सही
करीब बीस बरीस पहिले सारण जिला के मशरक से विधायक अशोक सिंह के भइल हत्या के दोषी मानल गइल बाहुबली आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह अउर उनुका भाई दीनानाथ सिंह के हजारीबाग अदालत से सुनावल गइल उमिरकैद के सजा के राँची हाई कोर्ट बहाल रखलसि. ई लोग हाई कोर्ट से गोहार लगवले रहुवे कि एह
कांग्रेस में अध्यक्ष पद पर गाँधिए परिवार के कवनो बेकत के बनवले राखे ला परिवार सेवक जोर लगवलें. नइखन चाहत कि कांग्रेस में कवनो दोसर आदमी अध्यक्ष बन जाव. कांग्रेस के आगरा जिला अध्यक्षा के एगो स्चिंग मीडिया में सामने आइल बा जवना में पार्टी चलावे के नाम पर एगो बिजली कंपनी से खुलेआम चन्दा
Older Posts››