बिहार
बलिया, 27 मई. विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आ पाती-रचना मंच के साझा आयोजन में आजु बिहार आ यूपी के सुदूर जनपदन से आइल विद्वान, रचनाकार, अउर सृजनकर्मी तिक्खर घाम आ गर्मी का बावजूद बढ-चढ़ के हिस्सा लिहलें. बलिया के बापू भवन (टाउन हॉल) में आचार्य रह चुकल आ हिन्दी संस्कृत के विद्वान डॉ
पटना 25 मई. जेल के सजा काटे का दौरान इलाज का नाम पर जमानत पर छूटल चारा घोटालेबाज लालू के गोल राष्ट्रीय जनता दल(राजद) आजु कहलसि कि ऊ केन्द्र में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) नीत नरेन्द्र मोदी सरकार के राज में पेट्रोल-डीजल के दाम लगातार बढञत गइला का खिलाफ बिहार भर में विरोध जुतूस निकाली.
रांची 09 मई (वार्ता) बिनबाँटल बिहार के बहुचर्चित चारा घोटाला में जेल के सजा काटत मुजरिम आ बिहार के मुख्यमंत्री रहल राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव अपना बड़का बेटा तेज प्रताप यादव के शादी में अब शामिल हो सकीहें काहें कि पैरोल देबे के उनुकर निहोरा मान लीहल गइल बा. जेल सूत्र आजु बतवलें कि
मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में
जहराइल खाना खा के 100 लोग बीमार आरा 07 मई (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बरौली गांव के अक्षय लाल का घरे शादी का दौरान खाना खइला का बाद करीब 100 लोग के तबियत खराब होखे लागल आ कै करे लागल लोग. सभका के आरा आ पीरो के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल.
घर के तीन बेकत के मौत के खबर सुन के बेहोश भइली पत्नी आज़मगढ़, 06 मई (वार्ता) आजमगढ़ के कंधरापुर इलाका में कार का चपेटा में आके दादा-पोता के मौत हो गइल आ ई खबर सुन के पहिलहीं से अस्पताल में भरती विकलांग पिता के जान निकल गइल. पुलिस बतवलसि कि कप्तानगंज के कौड़िया बाजार
कार आ कंटेनर का बीच टक्कर से तीन लोग के मौत छपरा 06 मई (वार्ता) सारण जिला के दाउदपुर इलाका के भोला ढाला का नियरा काल्हु देर रात एगो कार बेकाबू होके कंटेनर से टकरा गइल आ एह हादसा में दाउदपुर थाना के टेटीहा टोला के शिवनाथ सिंह (50 बरीस), विधायी सिंह (18 बरीस) अउर
रांची 01 मई. झारखंड में चारा घोटाला मामिला में सजायाफ्ता मुजरिम आ जेल के सजा काटत राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव आजु सबेरे कड़ा सुरक्षा का बीच राजधानी एक्सप्रेस से रांची चहुंपल. दिल्ली में सीधा खड़ा हो के पुलिस वालन के धकियावे वाला लालू यादव राँची में अपाहिज कुर्सी ध लिहलें आ
बलिया, गोरखपुर, पटना, 30 अप्रैल. बिहार आ पूर्वांचल में काल्हु रात आइल आन्ही पानी से दर्जनो लोग के मौत हो गइल आ नाहियो त तीन दर्जन लोग के घवाहिलो होखे के खबर बा. सबले बेसी नुकसान कोसी, मिथिलांचल आ सीमांचल के इलाकन में भइल बा. कई जगहा बनौरिओ गिरे के खबर बा त कहीं ठनका
पटना, 26 अप्रैल. नयी दिल्ली से जयनगर जात स्वतंत्रता सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे डकैती पड़ल. बतावल जात बा कि कुछ हथिारबंद लुटेरा सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे सवारियन से जम के लूटपाट कइलें आ जे विरोध कइल ओकरा से मारो पीट क के घवाहिल कर दिहले
सिवान, 26 अप्रैल. बुध का देर राति सिवान के बबुनिया मोड़ का एगो दुकान पर छापा मारि के आईबी आ सिवान पुलिस एगो फर्जी फोन एक्सचेंज के भंडाफोड़ कइलें आ एकरा के चलावे वाला मुमताज खान के गिरफ्तार कर लिहलें. सिवान के बसंतपुर इलाका के सैदपुरा के एमएम कॉलोनी में भाड़ा पर रहे वाला मुमताज
पटना, 26 अप्रैल. बियफे का दिने इन्कम टैक्स विभाग पटना में छापा मार के फेयर ग्रौ होल्डिंग प्राइवेट लिमिटेड के 3 करोड़ 67 लाख के संपति जब्त क लिहलसि. एह कंपनी से लालू खानदान के चार बेकत के नाम जुड़ल रहल बा. अब आयकर विभाग चारा घोटाले में जेल के सजा काटत लालू प्रसाद के
छपरा 25 अप्रैल (वार्ता). दाउदपुर इलाका के बनवार रेल ढ़ाला का नियरा आजु बारातियन से भरल एगो पिकअप वैन पलटि गइल आ एह हादसा में एगो औरत समेत चार गो बारातियन के मौत हो गइल आ नौ जने बहुते घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतवलें कि हाजीपुर से बारातियन के लेके वापिस लवटत एगो पिकअप
महाराजगंज, 19 अप्रैल. सिवान जिला के महाराजगंज इलाका के बगरा गाँव के पुरनिया स्वतंत्रता सेनानी सीताराम सिंह के निधन मंगल के अधरतिया में पटना के एगो निजी अस्पताल में हो गइल. पटना से उनुकर पार्थिव शरीर गाँवे पहुँचते उनुकर आखिरी दर्शन ला लोग के हुजूम उमड़ पड़ल. सीताराम बाबू के मनसा का मुताबिक डुमाई गढ़
भेल्दी, 19 अपेरैल. अमनौर इलका के मदारपुर नोनिया बस्ती में मंगल का राति बिजली के शॉट सर्किट से लागल आग का चलते धह गो घर राख हो गइल आ लाखों के संपति स्वाहा हो गइल. बद्री महतो का घर में शुरु भइल आगि देखते देखत अगल बगल के आठ जने के घर अपना गिरफ्त में
आरा, 19 अप्रैल. पटना आ भोजपुर में दहशत के दोसर नाम बन चुकल सीरियल किलर पवन चौधरी के उदवंतनगर इलाका के बेलाउर गाँव से मंगल का दिने पुलिस के स्पेशल टीम गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस सूत्रन के कहना बा कि पवन जेल में बंद अपना आका रंजीत चौधरी का इशारा पर वारदात करत रहुवे आ
गुठनी, 18 अप्रैल. सिवान जिला के ग्यासपुर गांव में एगो नवही के गरदन रेतल लाश दियरा में गेहूं का खेत में फेंकल मिलल बा. ओकर पहचान ग्यासपुर के भीम राजभर के बेटा धीरज का रुप में भइल बा. जे पिछला कई दिन से लापता रहुवे. मंगल का भोरे केहू फोन क के बतावल त लोग
आरा, 18 अप्रैल. मंगल का दिने आरा टीडीएम के बेकाबू बेकाबू स्कॉर्पियो आरा शहर में जमके उत्पात मचवलसि. सरकारी गाड़ी का नशा में धुत चालक तीन आदमी के कचार दिहलसि. ओहिजा से निकलल त जज कोठी मोड़ का लगे एगो टेम्पो के ठोकर मार दिहलसि. एह पर सवार आठ लोग घवाहिल हो गइल. बाद में
परसा, 18 अप्रेल. पारिवारिक कलह आ बाताबाति में सारण जिला के परसा इलाका के एगो गाँव में छोटका भाई अपना बड़ भाई मिथिलेश राय के छूरा घोंप के जान ले लिहलसि. घवाहिल मिथिलेश के पीएचसी परसा ले जाइल गइल त डॉक्टर उनुका के मर गइल बता दिहलें. घटना काल्ह मंगल सबेर के ह, जानकारी मिलला
पटना 15 अप्रैल (वार्ता). इमारत-ए-शरिया का ओर से अतवार का दिने बोलावल गइल “दीन बचाओ, देश बचाओ” सम्मेलन में मुस्लिम नेता लोग एक चुर से नरेन्द्र मोदी सरकार से तीन तलाक बिल वापस लेबै के मांग कइल आ कहलसि लोग कि मुसलमानन के डरवावे के कोशिश बंद करे के कदम उठावे सरकार. आरोप लगावल लोग
Older Posts››
‹‹Newer Posts