Go to ...
RSS Feed

बिहार

दहेज खातिर पत्नी के हत्या

बेतिया , 28 मार्च (वार्ता). पश्चिम चंपारण जिला के चनपटिया इलाका के झखरा गांव में दहेज के मांग लेके एगो औरत के हत्या क दीहल गइल. पुलिस सूत्र बतवलें कि झखरा गांव के विभू साह के बिआह चार बरीस पहिले अंतिमा (28) का संगे भइल रहुवे आ ओकरा बादे से ससुराल वाले अंतिमा के प्रताड़ित

कार आ ट्रक में टक्कर से एगो बाराती मरल

आरा 28 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के बिहिंया इलाका के खरौनी गांव का लगे एगो कार आ ट्रक के बीच भइल टक्कर में एगो बाराती के मौत हो गइल आ पांच जने घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि कार पर सवार लोग उत्तर प्रदेश के दिलदार नगर में एगो बारात में शामिल होखला

विधानसभा में भोट गिनाइल रहीत त शायद सरकार गिर जाइत – राजद

पटना 28 मार्च (वार्ता). राष्ट्रीय जनता दल के कहना बा कि अगर मंगल का दिने विधानसभा में बिहार विनियोग विधेयक पर भोट गिने के उनुकर माँग माल लीहल जाइत त ओह समय बहुमत ना रहला का चलते नीतीश सरकार गिर जाइत. राजद के ललित यादव विधानसभा में प्रश्नकाल शुरू होखे से पहिले कहलन कि सोमार

सड़क हादसा में विधायक रह चुकल डॉक्टर के मौत

छपरा 27 मार्च (वार्ता). सारण जिला के मशरख से कांग्रेस के विधायक रह चुकल डाक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह के मंगल का दिने सड़क हादसा में मौत हो गइल. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि विधायक रह चुकल डॉ सिंह कवनो निजी काम से पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी गइल रहलें आ ओहिजे से बोलेरो से लवटत

आग लगला से दस से अधिका घर जरल

बेतिया 27 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के नरकटियागंज प्रखण्ड के राजपुर तुमकड़िया पंचायत के सोनासती गांव में मंगल का दिने बिजली से लागल आगि में एक दर्जन से अधिका घर जर गइल. पुलिस के कहना बा कि शिकारपुर थाना के सोनसती गांव में दुपहरिया में बिजली से लागल आगि में लाखों के सम्पति जर

भोजपुरी पट्टी से 26 मार्च 2018, मंगल के 17 गो खबर

बिहार के औरंगाबाद में कर्फ्यू औरंगाबाद 26 मार्च (वार्ता). औरंगाबाद जिला प्रशासन रामनवमी जूलूस पर भइल पथराव का बाद भइल उपद्रव के देखत शहर में कर्फ्यू लगा दिहले बावे. उपद्रवी महाराजगंज बाजार के कई एक दुकान में आग लगा दिहले रहलें. हालांकि अब हालात काबू में बा. विद्यालय का नियरा से औरत के लाश मिलल

भोजपुरी पट्टी से 25 मार्च 2018 के नव गो खबर

अयोध्या में रामजन्मोत्सव के धूम अयोध्या, 25 मार्च (वार्ता). भगवान श्रीराम के जन्म स्थली अयोध्या में चैत्र रामनवमी मेला में लाखों श्रद्धालु सरयू नदी में स्नान ला डुबकी लगवलें. आ प्रमुख मंदिरन में भगवान श्रीराम के जन्मोत्सव मनवलें. कनक भवन मंदिर में जनम के विशेष कार्यक्रम आयोजित भइल. दुपहरिया ठीक बारह बजते मर्यादा पुरुषोत्तम के

भोजपुरी पट्टी से 24 मार्च 2018 शनिचर के 8 खबर

वाराणसी नगर निगम सदन में पार्षदन के बवाल, चार जने हिरासत में वाराणसी, 24 मार्च (वार्ता). वाराणसी नगर निगम कार्यकारिणी सदस्यन के चुने के मांग अनदेखी करत सदन के बइठक स्थगित भइला से नाराज विपक्षी पार्षद जमके हंगामा कइलें. एह पर पुलिस प्रयोग करत सपा पार्षद भैया लाल यादव आ निर्दलीय सुनील यादव अउऱ बबलू

भोजपुरी पट्टी से 13 गो खबर, 23 मार्च 2018

भगत सिंह, राजगुरु आ सुखदेव के 87 वाँ शहीदी दिवस मनावल गइल जौनपुर, 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरांवा गांव में महान क्रांतिकारी शहीद-ए-आज़म भगत सिंह, राजगुरु, आ सुखदेव के 87 वां शहीदी दिवस शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकंन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता मनवलें. सभा में लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के

सजा पावे के कीर्तिमान बनवलें लालू यादव

रांची 24 मार्च. बेबाँटल बिहार के अरबों रुपिया के चारा घोटाला में आजु चउथका मामिला में लालू यादव के चौदह बरीस जेल आ साठ लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनावल गइल बा. आजु ले देश के कवनो दोसरा नेता के शायदे अतना बरीस के जेल दीहल गइल होखी. लालू पहिलहीं से साढ़े तेरह बरीस

22 मार्च 2018, बियफे चार बजे ले भोजपुरी पट्टी से सात गो खबर

माई के प्रताप से एहिजा अंग्रेजनो के माथ नवावे पड़ल रहुवे देवरिया, 22 मार्च (वार्ता). देवरिया जिला मुख्यालय से करीब सात किलोमीटर दूर अहिल्वार गांव में अहिलवार देवी के प्रताप का आगे अंग्रेजनो के आपन फैसला बदलत माई के प्रताप का आगे माझ नवावे के पड़ल रहुवे. जानकार बतावेलें कि करीब 110 साल पहिले बनारस

भोजपुरी पट्टी से 14 गो खबर, 21 मार्च 2018, बुधवार

सोनभद्र में ट्रक के धक्का से एक आदमी के मौत सोनभद्र, 21 मार्च (वार्ता) चोपन इलाका में कोटा ग्राम पंचायत के रानीताली के ओम प्रकाश (40) बुध का साँझ वाराणसी-शक्तिनगर सड़क पार करत रहलें जह डाला का ओर से आवत एगो ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसि आ ऊ गिर के ओकरा चक्का का नीचे

भारत रत्न बिस्मिल्लाह खां के 102वीं जयंती मनावल गइल

वाराणसी आ बक्सर, 21 मार्च (वार्ता). भारत रत्न उस्ताद मरहूम बिस्मिल्लाह खां के 102वीं जयंती पर आजु उनुका कर्मभूमि वाराणसी में उनुका के याद कइल गइल. एह कार्यक्रम में फातमान दरगाह में उनुका मकबरा पर परिवार आ नाते-रिश्तेदारन के अलावहु बहुते संगीत प्रेमी उनुका के आपन श्रद्धासुमन अर्पित कइलें. संगीत के आपन धर्म माने वाला

भोजपुरी पट्टी से आठ गो खबर. 20 मार्च 2018, मंगल

ट्रक आ ट्रैक्टर के टक्कर में एक आदमी के मौत मोतिहारी 20 मार्च (वार्ता) पूर्वी चम्पारण जिला के पिपरा इलाका में राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या 28 पर दामोदरपुर गांव का लगे सोमार देरराति ऊँख लदले एगो ट्रक आ ट्रैक्टर का बीच सीध टक्कर हो गइल. एह हादसा में ट्रैक्टर पर सवार एगो आदमी के ओहिजे

भोजपुरी पट्टी से साँझ चार बजे तक के सात खबर, 19 मार्च 2018, सोमार

बिहार में प्रॉपर्टी डीलर के गोली मारिके हत्या आरा 19 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के भोजपुर इलाका में दौरागंज के आदित्य कुमार सिंह का घरे आजु सबेरे कुछ बदमाश चहुँपले आ दरवाजा खटखटवले सँ. आ आदित्य जइसहीं दरवाजा खोलले उनुका के गोली मार दिहले सँ बदमाश आ फरार हो गइले सँ. आदित्य के ओहिजे मौत

चारा घोटाला के चउथको केस में महाघोटालाबाज दोषी साबित

रांची, 19 मार्च. बिना बँटाइल पुरनका बिहार के अरबों रुपिया के बहुचर्चित चारा घोटाला से जुड़ल चउथको मामिला में आजु सीबीआई के विशेष अदालत बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ राजद के मलिकार लालू प्रसाद यादव समेत 19 गो आरोपियन के दोषी मान लिहलसि बाकिर एगो अउर मुख्यमंत्री रहल जगन्नाथ मिश्र समेत 12 जने के बरी

चौदह गो खबर, 18 मार्च 2018, अतवार

हम के बागी नेता नरेंद्र सिंह जदयू में शामिल होखिहें पटना 18 मार्च (वार्ता) हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा (हम) के बागी नेता नरेंद्र सिंह गोल पर दावा करत अपना समर्थकन समेत राजग के घटक जनता दल यूनाईटेड में शामिल होखे के एलान कइलन. कहलन कि गोल के बइठक में जीतन राम माँझी के हटा के सीनियर

टटका खबर, 17 मार्च 2018, शनिचर

वाराणसी से बलिया का बीच रेलविद्युतीकरण पूरा, अप्रैल से चली इलैक्ट्रिक इंजन वाराणसी, 17 मार्च (वार्ता). दिल्ली से बिहार आ पूर्वोत्तर ओरि जाए वाला वैकल्पिक मार्ग इलाहाबाद-वाराणसी-बलिया रेल लाइन के विद्युतीकरण पूरा हो गइल बा आ अब 1 अप्रैल से एह लाइन पर बिजली के इंजन से गाड़ी चले लगीहें सँ. रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा,

अज्ञात वाहन से कचरा के एक जने के मौत

गोपालगंज 17 मार्च (वार्ता) गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के सासामुसा बाजार में देर राति कवनो वाहन से कचरा के एक आदमी के मौत हो गइल. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि अदालत में गवाही देके वशिष्ठ शर्मा (45) अपना घरे लवटत रहले जब ई हादसा हो गइल. उनुकर मौत ओहिजे हो गइल. जानकारी पा के

मोटरसाइकिल आ जीप के टक्कर में दू जने के मौत

सिवान 17 मार्च (वार्ता). सिवान जिला के सराय आउट पोस्ट इलाका में मोटरसाइकिल आ जीप के आमने-सामने के टक्कर में दू जने के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि सिवान-वसंतपुर मुख्य मार्ग पर सराय आउट पोस्ट के पपौर गांव का लगे शुक के देर राति एगो मोटरसाइकिल के टक्कर सामने से आवत जीप से

Older Posts›› ‹‹Newer Posts