Go to ...
RSS Feed

शिक्षा

बिहार बोर्ड के नकलचियन पर जुर्माना लगावल जाई

बिहार बोर्ड के मैट्रिक अउर इंटर परीक्षा में नकल करत पकड़इला पर नकलची पर दू हजार से बीस हजार ले जुरमाना लगावल जाई आ ओकरा के इम्तिहान से निकालियो दीहल जाई. बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के अध्यक्ष लालकेश्वर प्रसाद सिंह के कहना बा कि नकल रोके ला सगरी इन्तजाम कइल जा रहल बा. अगर कवनो

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा में नकल रोके ला वीडियोग्राफी

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा के फॉरम 15 जनवरी से भरावल शुरु होखे वाला बा. एकर अधिसूचना जल्दिये जारी होखी. अबकी मैट्रिक अउर इंटर परीक्षा में नकल रोके खातिर राज्य सरकार का तरफ से परीक्षा केन्द्रन पर सीसी टीवी कैमरा लगावल जाई आ भीतर के वीडियोग्राफी करावल जाई.

यूपी के शिक्षा मित्रन के बकाया 10 फरवरी से पहिले

यूपी के शिक्षामित्रन ला राहत के खबर बा कि ओह लोग के मामिला के अगिला सुनवाई से पहिलहीं बकाया के भगतान मिल जाई. सुनवाई 24 फरवरी के होखेवाला बा. एह से शित्क्षा विभाग चाहत बा कि 10 फरवरी ले पूरा भुगतान मिल जाव एह लोग के. ओने बेसिक शिक्षा पदाधिकारियन के कहना बा कि जबले

एफ़टीआईआई के अध्यक्ष पर आ गइलन गजेन्द्र चौहान

बरीसन से पढ़ाई छोड़ फालतू राजनीति करे में लागल छात्रन के विरोध का बावजूद अभिनेता गजेंद्र चौहान आजु बियफे का दिने पुणे के एफ़टीआईआई संस्थान चहुँप के आपन पदभार सम्हार लिहलन. एह मौका पर हल्ला गुल्ला करत चालीस गो छात्रन के पुलिस हिरासत में ले लिहलसि. छात्रन के कहना बा कि ओहनी पर पुलिस लाठियो

सीबीएसई बोर्ड के इम्तिहान 1 मार्च से

सीबीएसई बोर्ड परीक्षा के तारीखन के एलान काल्हु हो गइल. दसवीं आ बारहवीं दुनू बोर्ड के इम्तिहान 1 मार्च से शुरु होखी. दसवीं के परीक्षा 28 मार्च के आ बारहवीं के परीक्षा 22 अप्रेल के पूरा हो जाई.

बिहार में खोलल जाई छह गो कौशल विकास केन्द्र

केन्द्र सरकार राष्ट्रीय कौशल विकास मिशन के तहत बिहार में छह गो प्रशिक्षण केन्द्र खोले के इजाजत दिहले बिया. एह केन्द्रन के बक्सर, सारण, दरभंगा, सीतामढ़ी, मुजफ्फरपुर अउर भागलपुर में खोलल जाई. श्रम संसाधन विभाग के सचिव बतावत बाड़न कि सारण, मुजफ्फरपुर अउर बक्सर में जमीन उपलब्ध बा एहसे एह जगहन पर भवन बनावे के

बिहार में इंटर में अढाई लाख सीटे बढ़ावल जाई

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति अगिला साल से इंटर के सीट में अढाई लाख के इजाफा करे जात बिया एकरा खातिर बोर्ड एक सौ से अधिका नया स्कूल काॅलेजन के मान्यता दे दिहले बिया. बोर्ड के कहना बा कि बढ़त आबादी का साथे सीट आ स्कूल काॅलेजन के संख्या बढ़ावल जरूरी हो गइल बा. इंटर में

बलिया के छात्र संघ चुनाव में प्रशासन के रणनीति काम आ गइल

काल्हु अतवार का दिने बलिया शहर के तीन गो काॅलेजन का साथही रसड़ा के एगो काॅलेज छात्र संघ के चुनाव एकही दिन करवावे के प्रशासन के रणनीति सफल साबित भइल. छात्र नेता लोग आ ओह लोग के समर्थकन के जमावड़ा एके जगहा ना हो पावल आ लोग छितरा के रहि गइल. परिणाम भइल कि चारो

सीबीएसई के परीक्षा नियम में फेरू बदलाव

अगिला सत्र से, माने कि 2017 से, सेंटंल बोर्ड ऑफ सेंकेडरी एजुकेशन (सीबीएसई) के दसवीं के इम्तिहान बोर्डे वाला होखी. पहिले विद्यार्थियन के विकल्प रहुवे कि स्कूल वाला इम्तिहान दीहें कि बोर्ड वाला. बाकिर अब स्कूल वाला इम्तिहान के विकल्प ना रही. एके गो इम्तिहान होखी बोर्ड वाला आ सभका ओही में शामिल होखे के

संस्कृत विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह

आजु वाराणसी के सम्पूर्णानन्द संस्कृत विश्वविद्यालय के 33वां दीक्षांत समारोह के सम्बोधित करत राज्यपाल राम नाईक कहलन कि हमनी के मातृभाषा संस्कृत दुनिया के सबले पुरान भाषा हिय. एह समारोह मेंं 8 गो छात्रा समेत 29 विद्यार्थियन के बीच 67 गो स्वर्ण पदक बाँटल गइल. आ डी.लिट वगैरह उपाधि दीहल गइल.

यूपी के विकास से ‘गदगद’ टाटा ग्रुप सपा सरकार से हाथ मिलवलसि

आजु टाटा संस आ यूपी सरकार का बीच शिक्षा आ स्वास्थ्य से जुड़ल अनेके काम खातिर समझौता पर दस्तखत कइल गइल. एह मौका पर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ टाटा संस के अध्यक्ष रतन टाटा मौजूद रहलें. टाटा टंस्ट्स के अधिशासी ट्रस्टी आर. वेंकट रमन बतवलन कि टोरंटो विश्वविद्यालय के प्रोफेसरन के मदद से यूपी के

यूपी के इम्तिहान में खुलेआम किताब ले के इम्तिहान देबे के सुविधा दीहि सरकार

भाजपा के कल्याण सिंह सरकार का दौरान यूपी में नकल के अपराध बना दीहल गइल रहुवे जवना का खिलाफ बाकायदा अभियान चला के सपा के मुलायम सिंह सरकार बनावे में सफल हो गइल रहलन आ उनुका सरकार के पहिलके फैसला रहुवे कि नकल के अपराध माने वाला कानून हटा दीहल जाव. अब फेरू एक बेर

बिहार में बंपर वैकेन्सी

बिहार सरकार राज्य के एक हजार पंचायतन में नया हाई स्कूल खोले के तय कइले बिया जवना खातिर तीस हजार से अधिका शिक्षकन के बहाली होखे वाला बा. मिडिल आ हायर सेकेन्डरी स्कूलनो में खाली पड़ल शिक्षकन के पद भरे के योजना बा सरकार के. अतना बड़हन बंपर वैकेन्सी भरे खातिर स्पेशल शिक्षक पात्रता परीक्षा

चन्दौली में मेडिकल काॅलेज

वाराणसी के अगल बगल के इलाका के लोग के बढ़िया इलाज मुहैया करावे ला यूपी सरकार चंदौली में सरकारी मेडिकल काॅलेज खोले के फैसला लिहले बिया. एही महीना में एकर नींवो डाल दीहन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. एह मेडिकल काॅलेज में 150 सीट पर एमबीबीएस कोर्स के दाखिला मिले के बात बतावल जात बा. मोदी सरकार

यूपी बोर्ड परीक्षा के तारीख घोषित

यूपी बोर्ड काल्हु आपन परीक्षा के कार्यक्रम घोषित क दिहलसि. मैट्रिक आ इंटर दुनू परीक्षा 18 फरवरी से 21 मार्च का बीच पूरा करा लीहल जाई. एह साल मैट्रिक परीक्षा ला 37,49,977 आ इंटर परीक्षा ला 30,43,057 छात्र अपना के पंजीकृत करवले बाड़ें. बलिया, गाजीपुर, गोंडा, अंबेदकर नगर, संतकबीर नगर, सिद्धार्थनगर, कुशीनगर, आजमगढ़, जौनपुर, इलाहाबाद,

ई यूपी ह एहिजा कुछऊ हो सकता

आगरा विश्वविद्यालय बीएड के इम्तिहान में 12800 परीक्षार्थी बइठलें बाकिर जब रिजल्ट तइयार होखे चलल त पता चलल कि बीस हजार कापी जंचा गइल बा। एह बात के जानकारी मिलते रिजल्ट के तईयारी रोक दीहल गइल बा अब जांच के आदेश दीहल गइल बा कि गड़बड़ी कइसे भइल आ के कइल।

बिहार में नौ गो नया निजी विश्वविद्यालय

बिहार सरकार जल्दिए बिहार में चार गो नया निजी विश्वविद्यालय खोले के मंजूरी देबे जात बिया. एहमेंं वैशाली जिला में सी.वी. रमण विश्वविद्यालय, मुजफ्फरपुर में जागेश्वरी मेमोरियल विश्वविद्यालय, मधुबनी में संदीप विश्वविद्यालय अउर कटिहार में अता करीम विश्वविद्यालय खोले ला नो आब्जेक्शन दे दीहल गइल बा. एकरा अलावे पाँच गो अउर विश्वविद्यालयन का बारे में

शिक्षामित्रन के राहत दे दिहलसि सुप्रीम कोर्ट

काल्हु सोमार का दिने सुप्रीम कोर्ट अपना फैसला में यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के हटवला पर रोक लगा दिहलसि. कहलसि कि अतना बड़हन संख्या में होखे वाला बरखास्तगी से बहुते तरह के मानवीय समस्या उठ खड़ा होखी आ एहसे एह तरह के फैसला ना लीहल जा सके. बाकिर साथही इहो कह दिहलसि

जेपी विश्वविद्यालय में पढ़ाई के माहौल बनावल जाई : प्रभारी वीसी

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति के प्रभार प्रोवीसी प्रो लोकेश चंद्र शनिचर का दिने सम्हार लिहलन, उनुका के एह पद पर ज्वायन करे के निर्देश कुलाधिपति आ राज्यपाल का तरफ से आइल रहे. प्रभार लिहला का बाद प्रोवीसी कहलन कि जेपीविवि में पढ़ाई के माहौल बनावल जाई. सत्र नियमित करे आ समय पर परीक्षा

बिहार में चार गो नया प्राइवेट यूनिवर्सिटी खोले के मंजूरी

शनिचर का दिने बिहार सरकार राज्य में चार गो निजी विश्वविद्यालय खोले के मंजूरी दे दिहलसि. ई मधुबनी, मुजफ्फरपुर, वैशाली अउर कटिहार में खोलल जइहें सँ आ अगिला साल से एहनी में पढ़ाई शुरू कर दीहल जाई. एह विश्वविद्यालयन के दीहल डिग्री, डिप्लोमा अउर सर्टिफिकेट के यूजीसी, औषधि परिषद, एमसीआई अउर एनसीटीई से मान्यता मिलल

Older Posts›› ‹‹Newer Posts