Go to ...
RSS Feed

शिक्षा

जेईई मेन खातिर रजिस्ट्रेशन के काम आजु से शुरू हो गइल

ज्वांयट इंट्रेंस एक्जाम के मुख्य परीक्षा-16 खातिर निबंधन के काम अधिकृत साइट http://jeemain.nic. in पर आजु मंगल के दिन से शुरु हो गइल बा. निबंधन के काम 31 दिसंबर ले चली. लिखित परीक्षा 3 अप्रेल के लीहल जाई आ जे लोग आनलाइन परीक्षा देबेवाला बा ओह लोग के परीक्षा 9 आ 10 अप्रेल के करावल

बीएचयू में दू गो नया संस्थान आ एगो संकाय

स्थापन के सौ साल मनावत बीएचयू में विज्ञान आ प्रबंधशास्त्र संकायन के संस्थान के दरजा मिल गइल बा आ पशुपालन संकाय नया खोलल गइल बा. काल्हु कुलपति प्रो॰ गिरीश चन्द्र त्रिपाठी एह बात के जानकारी खेल मनोविज्ञान कांफ्रेंस के उद्घाटन समारोह में दिहलन. कहलन कि अब बीएचयू में छह गो संस्थान हो जाई आ पशुपालन

यूपी बोर्ड के प्रैक्टिकल इम्तिहान अगिला महीना 20 तारीख से

यूपी बोर्ड के प्रैक्टिकल इम्तिहान 20 दिसंबर से शुरु होखे जात बा. जल्दिए एकर प्रस्ताव प्रशासन का लगे भेज दीहल जाई जवना का बाद तारीखन पर प्रशासन के सुझाव का हिसाब से फैसला लीहल जाई. हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट के सालाना इम्तिहान अगिला साल फरवरी से शुरू होखी. पर साल प्रैक्टिकल 26 दिसंबर से शुरू भइल

यूपी बोर्ड परीक्षा फरवरी में होखे के उमेद

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद साल 2016 के हाईस्कूल अउर इंटरमीडिएट परीक्षा फरवरी महीना के शुरू में करावे के तइयारी में बावे. एह साल लेखा अगिलो साल पूरा परीक्षा चालीस दिन में करा लीहल जाई. परीक्षा के तारीख का बारे में एक दू दिन में फैसला होखे के संभावना बा.

नवीं आ एगारहवीं के कोर्स में बदलाव कइलस सीबीसीई बोर्ड

एह साल से केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) नवीं आ एगारहवीं के पाठ्यक्रम में बदलाव क दिहले बिया. एह साल से एह लोग के प्रॉब्लम सोल्विंग असेसमेंट के खतम कर दीहल गइल बा. एह बारे में सगरी स्कूलन के सर्कुलर भेज दीहल गइल बा.

पहिला पुण्यतिथि पर अवधेश सिंह के प्रतिमा लगावल गइल

सारण जिला के दिघवारा इलाका के आमी में शक्ति शान्ति अकादमी के संस्थापक स्व. अवधेश कुमार सिंह के प्रतिमा स्कूल परिसर में लगावल गइल आ एह प्रतिमा के अनावरण जगदम कालेज छपरा के पूर्व प्राचार्य डा. प्रमेन्द्र रंजन सिंह कइलन. एह मौका पर बोलावल सरधांजलि समारोह में अवधेश बाबू के परिजन, शिक्षा क्षेत्र से जुड़ल

टटका खबर : 14 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु हिन्दी दिवस ह. आजुए जेएनयू के छात्रसंघ चुनाव के रिजल्ट आवे वाला बा. जिउतिया परसो 16 सितंबर के मनावल जाई. 13 सितंबर के पड़ल वोट 16 सितंबर के गिनल जाई. 17 सितंबर के विश्वकर्मा जयन्ती आ नरेन्द्र मोदी के जन्म दिन पड़ी. ओही दिन चीन के राष्ट्रपति भारत यात्रा पर अइहें आ

टटका खबर 13 सितंबर 2014

टटका भारत गोरक्षनाथ मंदिर के बड़का महंत अवेद्यनाथ जी गोलोकवासी हो गइनी. शुक का साँझ 97 साल का उमिर में गुड़गांव के मेदांता अस्पताल में उहाँ के मौत हो गइल. महंत अवेद्यनाथ योगी आदित्यनाथ के राजनीतिको गुरू रहनी. गोरखपुर से चार बेर सांसद रहल महंत अवेद्यनाथ के जनम 28 मई 1921 का दिने भइल रहे.

टटका खबर : 12 सितंबर 2014

टटको में टटका खबर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर प्रकाशित होखल करी आ दिन भर के खबर बिटोर के बाद में एहिजा सिलसिलेवार डालल जाई. टटका भारत करोडों रूपिया के सारधा चिट फंड घोटाला में आरोपी आ पश्चिम बंगाल के पुलिस महानिदेशक रहल तृणमूल कांग्रेस नेता रजत मजुमदार के 16 सितंबर तक ले सीबीआई के हिरासत

बिहार के सहकारिता मंत्री के बेटा कोमा से बाहर

रैगिंग का चलते कोमा में पहुंचल बिहार के सहकारिता मंत्री जय कुमार सिंह के बेटा आदर्श अब कोमा से बाहर आ गील बा बाकिर अबहियों ओकरा बोले में दिक्कत बा. बस थोड़ बहुत आख घुमा लेत बा आ हाथ हिला पावत बा. वेटिलेटर से आदर्श के हटा लिहल गइल बा आ इलाज के सफल होखे

यूपीएससी 2014 मे अंगरेजी कम्प्रीहेन्सन के जवाब नइखे देबे के

लोक सेवा आयोग सूचना जारी क दिहले बावे कि अबकी का इ्म्तिहान मे अंगरेजी कम्प्रीहेन्सन वाला सवाल के जवाब देबे मे समय बरबाद कइला के जरूरत नइखे काहे कि ओह जवाबन के एदेखले ना जाई. एहसे उम्मीदवारन के चाही कि समय के सदुपयोग करत बाकी सवालन पर धेयान देसु. परीक्षा के समय मे कवनो कमी

संघ लोकसेवा आयोग के परीक्षा लेबे के तरीका का खिलाफ धरना प्रदर्शन खतम

संघ लोकसेवा आयोग के सिविल सेवा परीक्षा से सी सेट हटावे ला जारी धरना प्रदर्शन बुध का दिने सरकार के भरोसा दिअवला का बाद खतम हो गइल. सरकार भरोसा दिहलसि कि एह बारे में सोचविचार क के जल्दिए कवनो फैसला लिहल जाई. लागऽता कि 24 अगस्त से होखे वाला संघ लोक सेवा आयोग के सिविल

रिजल्ट त निकल गइल अब एह फरजी युनिवर्सिटियन से बचला के जरूरत बा

भारत के विश्वविद्यालय अनुदान आयोग जानकारी दिहले बावे कि देश में नाहियो त इकइस गो फरजी विश्वविद्यालय चलत बाड़ी स. एह विश्वविद्यालयन में दाखिला लेबे वाला विद्यार्थी आपन रुपिया आ साल दुनू बरबाद कर दीहें. एहमें सबले अधिका विश्वविद्यालय यूपी में बाड़ी सँ. दस गो विश्वविद्यालय माने कि देश के आधा. चलीं एह विश्वविद्यालयन के

विद्यार्थी परिषद कार्यकर्तन प लाठीचार्ज मे बीसन लोग घवाहिल

लखनऊ 29 जनवरी (वार्ता) लखनऊ मे आजु आपन तैंतीस गो माँग ले के प्रदर्शन करे उतरल विद्यार्थी परिषद के कार्यकर्तन प पुलिस के लाठी चार्ज से नाहियो त बीसन कार्यकर्ता घवाहिल हो गइले. शिक्षा के व्यवसायीकरण, छात्रवृत्ति मे मुस्लिम तुष्टिकरण, आ संस्कृत विद्यालयन से भेदभाव का खिलाफ विधानसभा का सोझा होखत एह प्रदर्शन के हटावे

बिहार बोर्ड के फार्म भरे के तारीख बढ़ावल गइल

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मैट्रिक परीक्षा के फार्म भरे के तारीख इकतीस जनवरी ले बढ़ा दिहले बिया. समिति के अध्यक्ष प्रो॰राजमणि प्रसाद बतवले कि पच्चीस जनवरी का बाद फार्म भरे वाला लोग के एक सौ रुपिया दंड देबे के पड़ी. पहिले एगारहे जनवरी ले लोग फार्म भर सकत रहे. इहो बतावल गइल बा कि सतरह

यूपी में मेडिकल पीजी मे गाँव में तैनात सरकारी डाक्टरन ला तीस फीसदी आरक्षण

लखनऊ 16 जनवरी (वार्ता) प्रान्तीय चिकित्सा सेवा संघ प्रदेश सरकार के ओह फैसला के स्वागत कइले बा जवना में प्रान्तीय चिकित्सा एवं स्वास्थ्य सेवा संवर्ग मे तैनात डाक्टरन के प्रदेश के मेडिकल कॉलेजन में पीजी करे ला तीस फीसदी जगहा आरक्षित क दीहल गइल बा. सरकार के एह फैसला से सरकारी नौकरी में आवे वाला

पिछड़ा वर्ग के आरक्षण मे से दू तिहाई हिस्सा मुसलमानन के देबे के साजिश

एटा 16 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल एटा के सांसद कल्याण सिंह आरोप लगवले बाड़न कि कांग्रेस, सपा आ बसपा मिल के पिछड़ा वर्ग के मिलल आरक्षण के फायदा मुसलमानन के देबे के साजिश रचत बाड़ी स. कहलन कि मुस्लिम आरक्षण का बाद पिछड़ा वर्ग के मिले वाला सताइस फीसदी आरक्षण में

दिल्ली वि.वि. मे 90 फीसदी आरक्षण करे का खिलाफ प्रदर्शन

पटना 10 जनवरी (वार्ता) बिहार लोजपा के छात्र इकाई आजु दिल्ली विश्वविद्यालय मे ओहिजा के लोकल छात्रन ला दाखिला में नब्बे फीसदी आरक्षण दिहला का खिलाफ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के पुतला जरवलसि आ प्रदर्शन कइलसि. छात्र लोजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजीव सरदार के कहना बा कि अइसनका होखल बहुत गलत बात बा. दिल्ली

पटना वीमेस कॉलेज के विश्वविद्यालय बनावे प सोच विचार कइल जाई

पटना 09 जनवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु पटना वीमेस कॉलेज के सालाना समारोह के उद्घाटन कइला का बाद कहलन कि एह कॉलेज में केन्द्रीय शोध प्रयोगशाला लगावल जाई. एह काम ला सरकार दू करोड़ रुपिया दी.

टटका खबर ०९ जनवरी

08 जनवरी (वार्ता) मिर्जापुर के अति पिछला आदिवासी इलाका के एगो तेरह साल के लइकी आ महुलार गाँव के सरजू के बेटी सविता जवन खुद सरस्वती विद्या मंदिर मे सतवीं में पढ़ेले अपना अगल बगल के लइकियन आ औरतन के साक्षर बनावे में लागल बिया. सविता उहे करत बिया जवन काम पाकिस्तान में मलाला कइली

Older Posts›› ‹‹Newer Posts