web analytics

बिहार मुखिया सरपंच चुनाव 2021 के जीतल

कैमूर के कुदरा प्रखंड के खरहना पंचायत से अशोक चौरसिया मुखिया चुनइले। रोहतास के दावथ के जमशोना पंचायत के पुरनके मुखिया फेरु जीतले। संझौली के चांदी से मिथिलेश कुमार यादव मुखिया बनले। औरंगाबाद के पडरावां पंचायत से अनिल पासवान मुखिया बनले। औरंगाबाद के खैराबिंद पंचायत से मुखिया सुजीत कुमार सिंह फेरु चुनइले। कुमार पंचायत से … Read more

 768 total views

जान का जोखिम पर जंग करे के जिगरा

पश्चिम बंगाल के भवानीपुर विधानसभा सीट पर होखे जा रहल चुनाव पर देशे ना पूरा दुनिया के नजर टिकल होखी. नन्दीग्राम में चुनाव हार चुकल मुख्यमंत्री ममता बनर्जी ओकरा बावजूद कुर्सी पर टिकल बाड़ी आ ओह पर टिकल रहे खातिर उनुका ई चुनाव जीतल बहुते जरुरी बा. वइसे भवानीपुर ममता बनर्जी के आपन सीट रहल … Read more

 219 total views

ममता के जान में जान आ गइल

आखिरकार निर्वाचन आयोग ममता सरकार के निहोरा मानत पश्चिम बंगाल के तीन गो विधानसभा सीटन पर उपचुनाव करावे के एलान करिए दिहलसि. अब विधायकी के चुनाव हरला का बावजूद सगरी नैतिकता आ मर्यादा ताखा पर राखत मुख्यमंत्री का कुरसी पर विराजमान ममता बनर्जी बरकरार रह सकीहें. काहें कि उऩुका परम्परागत सीट भवानीपुर से उनुका हारे … Read more

 185 total views

कांग्रेसो के खाता खुल गइल ब्लॉक प्रमुखी का चुनाव में

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) यूपी में कांग्रेस के नेतृत्व आजुकाल्ह प्रियंका वाड्रा का हाथ में बा. आ अपना कुशल नेतृत्व का बल पर आखिरकार ऊ कांग्रेस के खाता पंचायती चुनाव में खुलवाईए लिहली. जिला पंचायत अघ्यक्ष का चुनाव में सिफर पर सिमटल कांग्रेस आपन चार गो ब्लॉक प्रमुख जितवावे में सफल … Read more

 233 total views

कलम का सहारे करिखाह कमाई करे का आरोप में राजीव शर्मा के गिरफ्तारी

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) उत्तराखंड में भाजपा सरकार के नयका मुख्यमंत्री बनिहें खटिमा विधायक पुष्कर सिंह धामी. एह राज्य के मुख्यमंत्री बने वालन में ऊ सबले कम उमिर के होखिहें. एगो सैनिक पुत्र आ संघ के पसन्द वाला नेता पुष्कर सिंह धामी में राष्ट्रीयता, सेवा भाव, आ देशभक्ति के भाव का … Read more

 171 total views

यूपी जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में सपा के मिलल शानदार सफलता

आजु करावल गइल जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में पाँच जगहा अपना जीत के परचम लहराए वाली सपा गोल देखा दिहलसि कि अगिला साल होखे जा रहल विधानसभा चुनाव में बाजी अखिलेश का हाथे लागे वाला बा. आजु के चुनाव से साबित हो गइल कि योगी आदित्यनाथ के मजगर चुनौती देबे के बेंवत अखिलेशे का लगे … Read more

 289 total views

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल … Read more

 229 total views,  1 views today

सपा धिरवलसि कि अब यूपी में खेला होई

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) यूपी में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव का तइयारी में कारसेवकन पर गोली चलवावे वाली, काँवड़ यात्रा रोकवावे वाली, मंदिरन पर से लाउडस्पीकर उतरवावे वाली सपा अपना विरोधी वोटरन के धिरावल शुरु कर दिहले बिया कि अब यूपी में खेला होई. ओकर इशारा बंगाल का तरफ … Read more

 175 total views,  1 views today

इटावा जिला पंचायत अध्यक्ष के पद सपा निर्विरोध जीतलसि

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी) तीन जुलाई के होखे जा रहल उत्तर प्रदेश के जिला पंचायतन के चुनाव में सपा गोल के उमीदवार आ अखिलेश यादव के चचेरा भाई अभिषेक यादव उर्फ अंशू का खिलाफ केहू परचा दाखिल करे के हिम्मत ना कइल.कुल 75 गो जिला पंचायतन में से 17 गो जिलन … Read more

 166 total views,  1 views today

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब … Read more

 203 total views,  1 views today

अरविंद शर्मा यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष बनावल गइलें

(टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) काल्हु शनीचर का दिने यूपी भाजपा के संगठन में कुछ बदलाव करत अवकाश पा चुकल आईएएस आफिसर रहल आ अब विधानपरिषद में भाजपा के पार्षद अरविंद कुमार शर्मा के प्रदेश भाजपा के उपाध्यक्ष बनावे के एलान कइल गइल. जान जाईं कि अगिला साल विधानसभा चुनाव होखे वाला … Read more

 190 total views,  1 views today

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के परिणाम अइला का बाद से जारी हिंसा में नाहियो त 16 लोग के मारल जाए के खबर बा बाकिर राज्य सरकार एह बारे में हर जाँच आ कार्रवाई रोके पर आमादा बिया. अब एगो अधिवक्ता अनिंद्य सुन्दर दास का गोहार पर सुनवाई करत कोलकाता हाई कोर्ट के पाँच गो न्यायमूर्तियन … Read more

 204 total views,  1 views today

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

भारत आ ब्रिटेन अब एक दोसरा के रणनीतिक साझेदार बनि के रहिहें. काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन का बीच भइल ऑनलाइन शिखर बईठक में एकरा साथही आठ गो अउर समझौतो पर दस्तखत भइल. सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल आवास उद्योग नियमन कानून 2017 के असंवैधानिक बतावत रद्द कर दिहलसि. राज्य द्वारा … Read more

 110 total views

टटका खबर, मंगल, वैशाख अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

उत्तर प्रदेश में भइल तीन तल्ला पंचायत चुनाव के मतन के गिनिती के काम अबहियों जारी बा. देर रात ले 232612 सदस्य ग्राम पंचायत, 38317 प्रधान ग्राम पंचायत, 55926 सदस्य क्षेत्र पंचायत एवं 181 सदस्य जिला पंचायत के परिणाम घोषित हो चुकल बा. भाजपा के दावा बा कि घोषित 2008 परिणामन में से 918 पर … Read more

 193 total views

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

देश अब संतोष कर सकेला कि चुनावन का बाद टूलकिट गिरोह कुछ दिन ले आराम करी. जइसन सफलता ऊ चहले रहुवे ओकरा के हासिल कर लिहलसि. अब देश में आक्सीजन के कमी, अस्पतालन में बेड के कमी, कोरोना के कहर, दवा खातिर गिड़गिड़ात लोगन के सोशल मीडिया पर लागल गोहार, शमशानन आ कब्रिस्तानन में मुर्दन … Read more

 294 total views,  1 views today

भतरा मरे त मरे, सउतिनिया राँड़ होखे के चाहीं

देश के चार गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश के विधानसभन के चुनाव परिणाम आवल जारी बा. अबहीं आखिरी परिणाम नइखे आइल बाकिर कांग्रेस के खुशी के ढिकाना नइखे. ओकरा लागत बा कि भाजपा के हार हो गइल एहसे बड़हन खुशी का हो सकेला.असम में भाजपा दुबारा सरकार बनाई, पुड्डुचेरी में कांग्रेस के हरा … Read more

 156 total views,  1 views today

टटका खबर, अतवार, वैशाख अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

आजु कुछ देर बाद चार गो राज्य विधानसभा आ एगो केन्द्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी विधानसभा चुनाव में पड़ल मतन के गिनिती शुरु होखे जा रहल बा. अनुमान बा कि असम, पश्चिम बंगाल आ पुड्डुचेरी में भाजपा नीत गठबन्हन के जीत होखी. केरल में अब तक के इतिहास पलटत बँवारा गोल फेरु सत्ता में आ जाई … Read more

 328 total views,  2 views today

टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल समेत चार राज्य आ एगो केंद्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी में भइल विधानसभा चुनावन के एक्जिट पोल में भाजपा के तीन विधानसभा में मिलल बढ़त सामने आइल बा. करीब करीब सगरी पोलहा अंदाज लगवले बाड़ें कि ओहिजा भाजपा के बड़हन बढ़त मिलल बा. पिछला बेर तीने सीट जीत पावे वाली भाजपा अबकी सरकार बनावे … Read more

 176 total views

टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी

कोविड महामारी के बहुते खराब दौर से गुजरत हालात में पूरा दुनिया से भारत के सहायता के प्रसाताव आइल बा. बाकिर भारत सरकार ओहि देशन के सहायता प्रस्ताव पर विचार करत बा जिनका से भारत के विकास साझेदारी चलत बा. चीन आ पाकिस्तान का तरफ से आइल प्रस्तावन पर सरकार कुछुओ बोले से परहेज करत … Read more

 146 total views

टटका खबर, बुध, वैशाख अन्हरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

कोलकाता उच्च न्यायालय काल्हु मंगल का दिने चुनाव आयोग से कहलसि कि कोरोना का चलते बनल हालात काबू में राखे खातिर आयोग मद्रास उच्च न्यायालय के एह बारे मे दीहल फैसला के सटीक तरीका से आ सख्ती का साथ पूरा के पूरा लागू करे. ओने मद्रास उच्च न्यायालय आयोग के चेतवले बा कि अगर 30 … Read more

 146 total views