Go to ...
RSS Feed

चुनाव

राहुल गांधी के नेता ना मनीहें विपक्षी गोल : रामविलास

रांची 01 जून (वार्ता). केंद्रीय खाद्य अउर नागरिक आपूर्ति मंत्री रामविलास पासवान हाल का उप चुनाव में विपक्षी गोलन के मिलल सफलता का बावजूद ओह लोग पर चुटकी लेत कहलन कि कवनो विपक्षी गोल कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के आपन नेता नइखे माने जात. केन्द्र में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) सरकार के चार साल पूरा

राहुल, सोनिया इहो बतावे लोग कि कवना मामिला में जमानत पर बा लोग : मोदी

हुबली, धारवाड़ (कर्नाटक) 06 मई (वार्ता) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु संयुक्त प्रगतिशील गठबंधन के अध्यक्षा सोनिया गांधी आ कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी पर आरोप लगावत कहलन कि महतारी बेटा पांच हजार करोड़ रुपिया के घोटाला का मामिला में जमानत पर चलत बावे लोग. एह लोग के चाहीं कि जनता के बतावसु कि आखिर कवन बाति

कर्नाटक के लड़ाई कामदार आ नामदार का बीच बतवलन मोदी

सेंथेमाराहल्ली, कामराजनगर कर्नाटक 01 मई (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु कांग्रेस पर वंशवाद के राजनीति करे आ देश के गुमराह करे के आरोप लगावत कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के चुनौती दिहलन कि ऊ बिना पढ़ले 15 मिनट बोल के देखा देसु. राहुल गांधी पर जमके कडे़र हमला बोलत पीएम मोदी कहलन कि ऊ नामदार हउवन

बिहार विधान परिषद के चुनाव करावे के जरुरत ना पड़ी

पटना 15 अप्रैल (वार्ता). बिहार विधान परिषद के 11 सीटन ला होखे वाला चुनाव में अबहीं ले एगारहे गो उमीदवार मैदान में ताल ठोकले बाड़े जवना से लागत बा कि सभे के निर्विरोध चुनाव हो जाई. राजद का तरफ से चार जने पहिलहीं परचा दाखिल करा चुकल बाड़ें. आजु भाजपा का तरफ से तीन गो

विधान परिषद चुनाव खातिर भाजपा उमीदवारन के नाम घोषित

नयी दिल्ली, 15 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) उत्तर प्रदेश अउर बिहार के विधान परिषद चुनाव खातिर अपना उमीदवारन के नाम आजु घोषित क दिहलसि. भाजपा का ओर से जारी विज्ञप्ति में एह उमीदवारन में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, आ मंत्री मंगल पांडेय अउर उत्तर प्रदेश सरकार में मंत्री महेंद्र सिंह आ

लालू अपना माली के अब विधायक बनवइहें

पटना 13 अप्रैल (वार्ता). बिहार विधान परिषद के 11 सीटन के चुनाव ला राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष आ चारा घोटाला में जेल के सजा काटत लालू प्रसाद यादव के पत्नी आ मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी त परचा दाखिस करबे कइली, लालू के घर पर माली के काम करे वाला खुर्शीद मोहसिनो आपन परचा राजद

अनका धन पर कनवा राजा

लखनऊ 12 अप्रैल. उत्तर प्रदेश विधान परिषद के 13 सीटन ला होखे जा रहल चुनाव में बहुजन समाज पार्टी के उमीदवार भीमराव अंबेडकर बियफे का दिने आपन परचा दाखिल करा के सबले पहिला उमीदवार बन गइलन. राज्यसभा चुनाव हार चुकल अंबेडकर के जीत समाजवादी गोल के भोटे का सहारे हो सकेला आ बुधे का दिने

सुशील आ राहुल स्वर्ण पदक जीतलें, बबीता के मिलल रजत

गोल्ड कोस्ट, 12 अप्रैल (वार्ता). 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के कुश्ती प्रतियोगिता में बियफे का दिने भारत आपन धमाकेदार शुरूआत कइलसि आ स्टार पहलवान सुशील कुमार (74 किग्रा) अउर राहुल अवारे (57किग्रा) देश के स्वर्ण पदक दिअवलें जबकि बबीता कुमारी फोगाट (53 किग्रा) रजत पदक आ किरण (76किग्रा) कांस्य पदक जीतली. सुशील अउर राहुल के स्वर्ण

पश्चिम बंगाल के पंचायत चुनाव पर अदालत के रोक

कोलकाता, 12 अप्रैल (वार्ता). पश्चिम बंगाल में एक मई से शुरू होखे वाला पंचायत चुनावन पर आजु कलकत्ता उच्च न्यायालय 16 अप्रैल तक रोक लगा दिहलसि. साथही अदालत राज्य निर्वाचन आयोग से कहले बावे कि ऊ तीन दौर में होखे वाला एह चुनावन से जुड़ल सगरी दस्तावेज पेश करे. न्यायमूर्ति सुब्रत तालुकदार ई आदेश भारतीय

लोकसभा चुनाव में विपक्ष के एका होखल तय : राहुल

बेंगलुरू 08 अप्रैल (वार्ता). कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी आजु दावा कइलन कि 2019 के लोकसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी का खिलाफ विपक्षी गोलन के एका तय बा आ अगिला सरकार कांग्रेस गठबन्हन के सरकार होखी. कर्नाटक विधानसभा चुनाव के मद्देनजर अपना चुनाव प्रचार के पहिला चरण के आखिरी दौर में राहुल गांधी एहिजा पत्रकारन

बड़हन रैली क के आपन ताकत देखवलसि दुनिया के सबले बड़ राजनीतिक गोल

मुंबई, 06 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी अध्यक्ष अमित शाह अपना गोल भाजपा के 38वां स्थापना दिवस का मौका पर आजु शुक का दिने अगिला लोकसभा चुनाव के बिगुल फूंक दिहलें. पूरा महाराष्ट्र से जुटल कार्यकर्तन के बड़हन रैली के संबोधित करत अमित शाह कहलन कि 38 बरीस पहिले एह गोल के स्थापना मुंबई में

एक उम्मीदवार एके जगह से चुनाव लड़े – एह बाति के समर्थन कइलसि चुनाव आयोग

नयी दिल्ली, 04 अप्रैल (वार्ता). निर्वाचन आयोग एह बाति के समर्थन कइले बावे कि एक उम्मीदवार के एके सीट से चुनाव लड़े के चाहीं. एकरा बाद सुप्रीम कोर्ट अब केन्द्र सरकार से आपन राय देबे के कहले बावे. मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा, न्यायमूर्ति ए एम खानविलकर अउर न्यायमूर्ति डी वाई चंद्रचूड़ के बेंत आजु भाजपा

कर्नाटक जीते जा रहल भाजपा में शामिल भइलें कांग्रेस आ सेकुलर जनता दल के नेता

बेंगलुरु, 04 अप्रैल. कर्नाटक विधानसभा चुनाव से पहिलहीं भाजपा के जीते वाला दल मानत कई नेता ओकर सदस्त बन गइलें. एह नेता लोगन में शामिल बाड़ें कांग्रेस नेता आ ओकरा सरकार में केंद्रीय मंत्री रह चुकल बासवराज पाटिल, कांग्रेसे के नागप्पा भीमप्पा सोलोनी, जनता दल (एस) के मल्लिकार्जुन खुबा आ एगो निर्दलीय विधान पार्षद बासवाना

कर्नाटक जीतके दक्षिण जीते के राह खोली भाजपा : अमित शाह

मैसुरु 31 मार्च. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि दक्खिन में घुसल भाजपा के असल मनसा बा आ एकरा खातिर कर्नाटक विधानसभा चुनाव में भाजपा के जीत मील के पत्थर साबित होखी. अमित शाह आजु पत्रकारन से बतियावत में कहलन कि भाजपा 21 राज्यन में सत्ता में आ गइल बिया बाकिर कर्नाटक

चुनावी होलिका में फेरू फुए जरली

उप्र से राज्यसभा ला भाजपा के नवो आ सपा के जया विजयी लखनऊ 23 मार्च, उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के दस सीटन ला भइल चुनाव में भाजपा आपन नवो उमीदवारन के जीता ले गइल आ मायावती के उमीदवार हार गइलें. दसवाँ सीट ला मायावती के बसपा के उमीदवार भीमराव अम्बेदकर सपा, कांग्रेस, आ रालोद के

अखिलेश के बोलावल बइठक में ना अइलें शिवपाल

लखनऊ 21 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव लेके बोलावल सपा गोल के विधायकन का बइठक में आजु नितिन अग्रवाल आ शिवपाल सिंह यादव के गैरमौजूदगी चर्चा के विषय बन गइल. सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राज्यसभा खातिर 23 मार्च के होखे जा रहल चुनाव लेके सपा मुख्यालय में पार्टी विधायकन के ई बइठक बोलवले रहलें. एह बइठक

शी जिनपिंग चीन के राष्ट्रपति आ वांग क्यूशन उप राष्ट्रपति चुनइलें

बीजिंग 17 मार्च (रायटर). चीन के पार्लियामेंट आजु सभका एकमत राय से शी जिनपिंग के फेरु चीन के राष्ट्रपति आ एगो अउर बरियार नेता वांग क्यूशन के उप राष्ट्रपति चुन लिहलसि. राजधानी बीजिंग के ग्रेट हॉल ऑफ द पीपुल्स में पत्रकारो लोग एह चुनाव के प्रत्यक्षदर्शी गवाह बनले. सदन सत्तारूढ़ कम्युनिस्ट पार्टी के प्रतिनिधियन से

मायावती जतवली समय से पहिले लोकसभा चुनाव होखे के अनेसा

चंडीगढ़,15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी सुप्रीमो आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल मायावती आजु अनेसा जतवली कि लोकसभा चुनाव समय से पहिले करावल जा सकेला. बसपा गोल के संस्थापक कांसीराम के जयंती का मौका पर एहिजा आयोजित पांच राज्यन के राज्य स्तरीय कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत मायावती सचेत कइली कि आराम से

बसपा उमीदवार के राज्यसभा चहुंपावे ला सपा गोल जबरदस्त दबाव में

लखनऊ, 15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी से मिलल समर्थन का बूता पर लोकसभा उपचुनाव में विजय पताका लहरावे वाली समाजवादी गोल के अब उपहार का तौर पर राज्यसभा में बसपा प्रत्याशी भीमराव अंबेडकर के भेजै ला जबरदस्त दबाव बा. यूपी से राज्यसभा के दस सीट पर एगारह उमीदवार हो गइला का चलते भोयिंग जरुरी

गोरखपुर में ना चलल योगी के जादू,भाजपा के मजबूत किला भस गइल

लखनऊ 14 मार्च. उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के उनुके कर्मभूमि गोरखपुर में पहिला बेर मिलल शिकस्त का चलते भाजपा के एगो मजबूत किला आजु भस गइल. पांच बेर लगातार एही सीट से सांसद रहल योगी आदित्यनाथ का मुख्यमंत्रित्वकाल के पहिलके साल में अतना बड़हन हार मिलल. उनुके इस्तीफा से ई सीट खाली भइल

Older Posts›› ‹‹Newer Posts