Go to ...
RSS Feed

मनोरंजन

सलमान खान के भइल पांच बरीस के जेल

जयपुर 05अप्रैल (वार्ता). राजस्थान में जोधपुर के स्थानीय अदालत बहुचर्चित कांकाणी हिरण शिकार मामले में सलमान खान के दोषी मानत उनुका के पाँच बरीस के जेल आ दस हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवलसि. मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट (ग्रामीण) देव कुमार खत्री के अदालत सलमान खान के वन्य जीव संरक्षण अधिनियम के धारा 9/51 का तहत

हिरण हत्या मामिला में सलमान दोषी घोषित

जयपुर 05 अप्रैल. जोधपुर के मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट (ग्रामीण) के अदालत बीसन बरीस पुरान बहुचर्चित कांकाणी हिरण के हत्या मामिला में फिल्म अभिनेता सलमान खान के दोषी करार दिहलसु बाकिर उनुका साथे रहल चार गो सह-आरोपियन के बरी कर दिहलसि. मुख्य न्यायिक मजिस्टे्रट देव कुमार खत्री खचाखच भरल अदालत में आजु करीब साढ़े ग्यारह बजे

35 बरीस बाद सऊदी अरब में सिनेमा हॉल खुली

रियाद 05 अप्रैल (रायटर). 35 बरीस ले सऊदी अरब में सिनेमा पर लागल रोक 18 अप्रैल से खतम होखे जा रहल बा. ओहू ले खास बाति ई होखी कि मरद मेहरारू साथे बइठ के सिनेमा देख सकीहें. राजधानी रियाद में सउदी अरब के पहिला सिनेमा घर 18 अप्रैल के खुले जा रहल बा. सरकारी मीडिया

रंगमंच से जुड़ल कलाकार फिलिमन में असफल होइए ना सके : गोविंद नामदेव

आजमगढ़ 29 मार्च (वार्ता). रंगमंच के अभिनय के बारीकि समुझावे के एगो मजगर माध्यम करार देत बालीवुड अभिनेता गोविंद नामदेव कहलन कि रंगमंच से जुड़ल कलाकार फिलिमन में कबो असफल होइए ना सके. नामदेव आजु एहिजा पत्रकारन से बतियावे में कहलन कि थिएटर अभ्यास के माध्यम ह. कलाकार जतने अधिका अभ्यास करी ओतने निखरत जाई.

पाँच दिन के भोजपुरी नाट्य उत्सव

भोजपुरी रंगमंच खातिर समर्पित नाट्य संस्था रंगश्री (स्थापित सन् 1978) आपन 5वाँ पाँच दिन चले वाला भोजपुरी नाट्य उत्सव के आयोजन, संस्कृति मंत्रालय, भारत सरकार के सहयोग से आ स्टील अथारिटी आफ इण्डीया अउर मैथिली भोजपुरी अकादमी के विशेष सहयोग से फिनु दिल्ली में दिनांक 26 मार्च से 30 मार्च तक करे जा रहल बिया.

उन्नाव में बनी फिल्म सिटी : रवि किशन

जौनपुर 17 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन काल्हु राति जौनपुर के शाही किला में हो रहल तीन दिन के जौनपुर महोत्सव में शामिल भइलें. एह मौका पर कहलें कि उन्नाव में फिल्म सिटी बनावे के प्रस्ताव स्वीकार हो गइल बा. फिल्म सिटी बनला से प्रदेश में फिल्म उद्योग के बढ़ावा मिली. रवि

कोलकाता में करावल जाई भोजपुरी सिने अवार्ड समारोह

कोलकाता 15 मार्च (वार्ता). भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार रवि किशन के कहना बा कि कोलकाता में भोजपुरी सिने अवार्ड के कार्यक्रम कइला से दर्शकन के रुझान भोजपुरी फ़िलिमन का ओर बढ़ी. जान जाईं कि पांच मई के कोलकाता के नेताजी इनडोर स्टेडियम में भोजपुरी सिने अवार्ड के आयोजन होखे जा रहल बा. रवि किशन बतवलें

हम नचनियन के मुंह ना लगाईं – कहलन आजम खान

रामपुर,11 मार्च (वार्ता). समाजवादी गोल के फायरब्रांड नेता मोहम्मद आजम खान आजु अपना जमाना के मशहूर अदाकारा आ सांसद रह चुकल जया प्रदा पर घटिया टिप्पणी करत कहलें कि – हम नचनियन के मुंह ना लगाईं. आजम खान आजु एहिजा भइल एगो सार्वजनिक कार्यक्रम के दौरान कहलन कि पद्मावत बनल बा. सुननी हँ कि खिलजी

याशी म्युजिक 35 लाख में खरीदलसि हलफा मचा के गइल के संगीत

मुंबई, 9 मार्च (शशिकांत सिंह). टाटा स्काई आ सुनील शेट्टी के कंपनी करी एह फिलिम के प्रमोट. मशहूर फिलिम निर्माता आ फाईनेंसर अभय सिन्हा के कंपनी याशी म्युजिक नयका स्टार राघव नय्यर के मुख्य भुमिका वाली फिलिम हलफा मचा के गइल के संगीत मुंहमांगा दाम दे के खरीद लिहलसि. नया स्टार का हिसाब से ई

सूबेदार जोगिन्दर सिंह के बायोपिक 6 अप्रैल से देशभर के सिनेमाघरन में

पटना (टीम रंजन). परमवीर चक्र विजेता सूबेदार जोगिंदर सिंह के बायोपिक 6 अप्रैल से देशभर के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा. ई जानकारी देत एह फिलिम के डायरेक्‍टर सिमरजीत सिंह वतवलें कि भारत – चीन युद्ध का दौरान साल 1962 में चीनी हमला के मुंहतोड़ जवाब देबे वाला बहादुर सिपाही के बायोपिक ‘सूबेदार

16 मार्च के रिलीज होखे ला तइयार बा ‘मोहब्‍बत मीठ लागेला’

पटना (टीम रंजन). भोजपुरी फिलिम ‘मोहब्‍बत मीठ लागेला’ 16 मार्च से पूरा बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा. ई जानकारी देत निर्माता प्रवीण कुमार बतवलें कि एह फिलिम में भरपूर एक्‍शन, इमोशन, आ रोमांस बा, जवना के देखेवाला खूब पसंद करीहें. शूटिंग मुम्बई, यूपी, पटना, बक्‍सर, आ हाजीपुर में करावल गइल

बॉलीवुड अदाकारा शम्मी के निधन

मुंबई 06 मार्च (वार्ता). बॉलीवुड के बुजुर्ग अदाकारा शम्मी के सोमार का राति एक बजे लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल. ऊ 89 बरीस के रहली. सदी के महानायक अमिताभ बच्चन अपना ट्विटर पर उनुका निधन के जानकारी देच आपन दुख जतवलें. लिखलें – बेहतरीन अदाकारा आ परफॉर्मर हमनी का बीच ना रहि गइली.

श्रीदेवी के शरीर भारत ले जाए के मंजूरी मिलल

दुबई, 27 फरवरी (वार्ता) बॉलीवुड के पहिलका महिला सुपरस्टार श्रीदेवी के पार्थिव शरीर भारत ले जाए के मंजूरी दुबई के अधिकारियन से मिल गइल बा. ‘गल्फ न्यूज’ के अनुसार एकरा ला आजु 12 बजकर 45 मिनट पर अनापत्ति प्रमाण पत्र भारतीय वाणिज्य दूतावास के प्रतिनिधियन आ दिवंगत अभिनेत्री के परिजनन के मिल गइल. तब करीब

डांसर सपना चौधरी भोजपुरी सीखत बाड़ी

पटना 26 फरवरी (वार्ता). बिहार समेत दुनिया के कईएक देशन में बोलल जाए वाली भोजपुरी भाषा के मिठास के जादू हरियाणा के मशहूर डांसर आ रियलिटी शो ‘बिग बॉस’ फेम सपनो चौधरी पर चल गइल बा. एगो कार्यक्रम में शामिल होखे ला पहिला बेर पटना चहुंपल सपना चौधरी कहतारी कि , “भोजपुरी भाषा बहुते मीठी

कनखीमार हीरोइन प्रिया वारियर के याचिका बुध का दिने सुनल जाई

नयी दिल्ली, 20 फरवरी (वार्ता) कनखी मारत आ भौंह मटकावत अपना 26 सेकेंड के वीडियो क्लिप ले के सोशल मीडिया के सनसनी बन गइल मलयालम अभिनेत्री प्रिया प्रकाश वारियर के याचिका पर उच्चतम न्यायालय काल्ह सुनवाई करी. प्रिया प्रकाश वारियर अदालत से गोहार लगवले बाड़ी कि मलयालम फिलिम ‘अरु अदार लव’ के गाना ‘माणिक्य मलराय

एक्टर सिद्धार्थ मल्होत्रा का खिलाफ पुलिस में शिकायत

हालही में टीवी शो बिग बॉस पर अपना फिलिम अय्यारी के प्रौमोशन करे मनोज बाजपेई आ रकुल प्रीत सिंह का साथे आइल सिद्धार्थ भोजपुरी भाषा का खिलाफ एगो बेहूदा आ अपमानजनक बाति कह गइलें. एह पर आपन नाराजगी जतावत भाजपा के दिल्ली प्रदेश अध्यक्ष आ भोजपुरी मेगास्टार आ सांसद मनोज तिवारी अभिनेता सिद्धार्थ मल्होत्रा का

सुप्रीम कोर्ट के फैसला राजपूत समाज के निराश कइलसि

सुप्रीम कोर्ट अपना एगो फैसला से मध्य प्रदेश, हरियाणा, राजस्थान, गुजरात सगरी राज्यन के निर्देश दे दिहलसि कि पद्मावत फिलिम का रिलीज पर कवनो तरह के पाबन्दी मत लगावल जाय. अदोलत के एह फैसला प आपन निराशा जतावत राजपूत समाज के संगठन अखंड राजपूताना सेवासंघ के राष्ट्रीय अध्यक्ष आर पी सिंह के कहना बा कि

दिल्ली में आज होखी भोजपुरी लोकगीतन प चरचा

दिल्ली के हंसराज कॉलेज के आडिटोरियम में आज दुपहरिया 2 बजे से भोजपुरी लोकगीतन प चरचा का साथही गीतों गवनई होखे वाला बा। दिल्ली में रहे वाला भोजपुरियन से निहोरा ब कि यह कार्यक्रम में मौजूद होके चर्चित भोजपुरी लोकगायक शैलेन्द्र मिश्र आ लोकगायिका चंदन तिवारी के गवनई के आनन्द लीन सभे। ई कार्यक्रम भोजपुरी

सिनेमा के रतौंधी एगो अउर बलि लिहलसि

कच्चे धागे, दम होई जेकरा में ऊहे गाड़ी खूंटा, लहू के दो रंग, दिवानगी हद से, केहू त दिल में बा, हमरा दारू ना मेहरारू चाही वगैरह अनेके भोजपुरी फिलिमन में काम कर चुकल चंचल चितवन, खनकत हँसी आ मोहक अदा से मोहित कर लेबे वाली अभिनेत्री अंजली श्रीवास्तव मुंबई के अपना डेरा मे फाँसी

बसिया खबर, 9 मार्च 2017, बियफे

यूपी विधानसभा चुनाव के सतवाँ आ मणिपुर के दुसरका दौर के वोटिंग का बादो एक दिन ला रोक दीहल गइल एकंजिट पोल के प्रसारण बियफे साँझ के हर टीवी चैनल के खास प्रसारण रहल. एक्जिट पोल आखिर एक्जिटे पोल होला असल ना आ कई बेर एकरो बेनिशाना हो जाए के अनेसा हमेशा बनल रहेला. तबहियों

Older Posts›› ‹‹Newer Posts