Go to ...
RSS Feed

मनोरंजन

पवन सिंह के ’सरकार राज’ बम्पर ओपनिंग का साथे रिलीज

भोजपुरी सिनेमा जगत के पॉवरस्टार पवन सिंह के भोजपुरी फिलिम ’सरकार राज’ एह शुक का दिने देश भर में एके साथ रिलीज भइल आ हर जगहा एकर बढ़िया स्वागत भइल देखनिहारन का भीड़ के साथ. प्रीमियर का मौका पर देखनिहार अपना सोझा पॉवर स्टार पवन सिंह के देखके गदगद हो गइलें. लोग उनुका साथे जम

टटका खबर, 5 फरवरी 2017, अतवार

जयललिता के विवादित रहल सहेली शशिकला के आजु अन्ना द्रमुक विधायक दल के नेता चुन लीहल गइल. उनुका नाम के प्रस्ताव पार्टी विधायकन के बइठक में तमिलनाडु के मुख्यमंत्री ओ पनीरसेल्वम कइलन जवना के सगरी लोग एकमत से मान लीहल. पनीरसेल्वम मुख्यमंत्री पद से इस्तीफो दे दिहलन. अब शशिकला तमिलनाडु के नयका मुख्यमंत्री बन जइहें.

हाथी के चार सौ एगो साथी

यूपी चुनाव ला सबले पहिले आपन उम्मीदवारन के लिस्ट जारी क दिहली हाथी के पिलवान मायावती. आजु जारी लिस्ट में 101 नाम का साथ बसपा के 401 गो उमीदवारन के नाम के एलान हो गइल. सोनभद्र के दू गो सीट अबहीं ले तय नइखे कि जनरल रहे वाला बा कि रिजरभ. जसहीं तय होखी तसहीं

फादर्स डे पर पापा की बेटी

आजु 19 जून 2016 के दुनिया में फादर्स डे का रुप में मनावल जा रहल बा आ एह मौका पर बिहार हिन्दी साहित्य सम्मेलन का तरफ से पटना में सम्मेलन भवन में एगो सम्मान सह सांस्कृतिक समारोह का आयोजन कइल गइल बा. जवना में हाल में भइल प्रतियोगितन में माथ पर चहुँपल बेटियन का साथ

भोजपुरी सिनेमा कलाकार जाली नोट चलावत धराइल

भोजपुरी फिलिम शहंशाह के सह कलाकार कमलेश यादव के बुध का दिने सारनाथ में पाँच सौ रुपिया के जाली नोट चलावे का आरोप में गिरफ्तार क लीहल गइल. आनन्द डी गहतराज के निर्देशन में बनत फिलिम के शुटिंग आजुकाल्ह सारनाथ के रंगीलदास पोखरा पर चलत बा. ओही में काम करत कलाकार जौनपुर जिला के मंड़ियाहू

एफ़टीआईआई के अध्यक्ष पर आ गइलन गजेन्द्र चौहान

बरीसन से पढ़ाई छोड़ फालतू राजनीति करे में लागल छात्रन के विरोध का बावजूद अभिनेता गजेंद्र चौहान आजु बियफे का दिने पुणे के एफ़टीआईआई संस्थान चहुँप के आपन पदभार सम्हार लिहलन. एह मौका पर हल्ला गुल्ला करत चालीस गो छात्रन के पुलिस हिरासत में ले लिहलसि. छात्रन के कहना बा कि ओहनी पर पुलिस लाठियो

बीतला जमाना के मशहूर हीरोइन साधना के निधन

काल्हु शुक का दिने बीतला जमाना के मशहूर अभिनेत्री साधना, जिनकर पूरा नाम रहुवे साधना शिवदासानी, के लमहर बीमारी का बाद अस्पताल में निधन हो गइल. 2 सितंबर 1941 का दिने आजु के पाकिस्तान आ तब के हिन्दुस्तान के शहर कराची में जनमल साधना के पहिला ब्रेक मिलल रहुवे साल 1958 में एगो सिंंधी फिल्म

सास ससुर पर परेशान करे के मुकदमा लिखवली मोहन राठौर के पत्नी

सास ससुर पर परेशान करे के मुकदमा लिखवली मोहन राठौर के पत्नी महुआ चैनल के सुर संग्राम विजेता रहल मोहन राठौर सफलता का चकाचौंध आ भोजपुरी सिनेमा उद्योग के असर में अइसन बदल गइलन कि पहिलका बीबी छोड़ के दोसरा का अँचरा में डूब गइलन. गाँवे रह गइल पत्नी निर्मला देवी काल्हु अपना सास ससुर

लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहले रहले

लालू प्रसाद से गर मिलल केजरीवाल के गर में अटक गइल बा. अपना गोल के लोग के समुझावे ला काल्हु केजरीवाल कहलन कि हम का करतीं, लालू हमरा के जबरदस्ती खींच के अँकवारी बान्ह लिहलें आ हमार हाथ ले के उठा लिहलन. एह बयान का बाद केजरीवाल के जम के खिंचाई होखत बा सोशल मीडिया

सोनपुर मेला के उद्घाटन 23 तारीख के

दुनिया भर में मशहूर हरिहर क्षेत्र सोनपुर मेला के उद्घाटन सोमार का दिने होखे वाला बा. एकर पूरा तइयारी क लीहल गइल बा. मेला करीब एक महीना ले चली आ मेला में बिकाए ला तरह तरह के जानवर आ चुकल बाड़ें. मेला घूमे आवे वाला लोग खरीद बिक्री करे खातिर कम, मेला में होखे वाला

दुपहरिया ले फटफटिया खबर

केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह चीन यात्रा पर। बरखा का चलते बेंगलुरू टेस्ट रद्द हो गइल। बम के अफवाह से बर्लिन में होखे जात फुटबाल मैच रद्द। जांच में कवनो बम ना मिलल स्टेडियम में। भारत के माथ बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत हांगकांग ओपन के पहिलके मैच हार के बाहर। सलमान खान के फिलिम प्रेम रतन

बांग्लादेशी अभिनेत्री के देश से निकाले के माँग

बांग्लादेश के मशहूर अभिनेत्री जया आहसान पिछला दिने कोलाकात में एगो फिलिम के शूटिंग करत में बहुते उत्तेजक सीन फिलिमवली जवना का बाद ऊ अपना देश के कट्टरपंथी संगठनन के निशाना पर आ गइल बाड़ी. ई लोग जया के तुलना सनी लियोन से करे लागल बा. जया आहसान के दू दू बेर बेहतर अभिनय ला

बलिया बिल्थरारोड में भक्ति जागरण समारोह

बलिया के बांसडीह में चौधरी चरण सिंह तिराहा से सटले सोनाडीह मोड़ का लगे भइल भक्ति जागरण समारोह में बिल्थरावासी रात भर भक्ति गीतन पर झुमलें. गायिका सोनी सिन्हा आ गायक किरण कुमार के गावल बोजपुरी भक्ति गीतन के तान पर समारोह में मौजूद नवही झुम के नचलें. गायिका रीतू राय, गायक किरण महिपाल, त्रिकाल

सारण के तरैया में भोजपुरी नाटक खेलाइल

तरैया प्रखंड के नेवारी बाजार में दुर्गा पूजा के मौका पर एगो भोजपुरी नाटक ‘इज्जत’ खेलल गइल. एकर निर्देशक रहलन अजरुन युवराज आ संचालन कइलन सुभाष कुमार. नाटक के सगरी कलाकारन के पूजा समिति का तरफ से सम्मानित कइल गइल.

‘लंदन ठुमकदा’ गावे वाला गायक लभ जंजुआ के लाश उनुका घर में मिलल

फिल्म ‘क्वीन’ के हिट सॉन्ग ‘लंदन ठुमकदा’ गावे वाला गायक लभ जंजुआ के लाश बियफे का दिने उनुका घर में मिलल जब काम करे वाली नौकरानी घर में घुसल. लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज दीहल बा आ पुलिस मामला के खुलासा करे के कोशिश में लागल बिया.

टटका सिनेमा (25 अगस्त 2015)

भोजपुरी सिनेमा के राजा पवन सिंह आ राजस्थानी सिनेमा के रानी नेहाश्री पहिला बेर एगो भोजपुरी फिलिम ‘अस्सी घाट’ में दर्शकन के मनोरंजन करे ‍आवे वाला बाड़े. राजदेव फिल्म्स के बैनर में बनत एह भोजपुरी फिलिम के निर्माता हवेंं मनोज सिंह आ निर्देशन कइले बाड़न अशोक त्रिपाठी अत्री. सोम इंटरटेनमेंट के बैनर में मुकेश जैन,

टटका सिनेमा : 10 अगस्त 2015

निर्माता शादाब सिद्दीकी आ निर्देशक साहिल सन्नी के आवे वाली फिलिम बेवफा सनम खातिर मुख्य नायिका का रूप में साइन कइल गइल बा अर्चना प्रजापति के. हिन्दी वीडियो अलबमन आ माडलिंग में आपन जलवा देखा चुकल अर्चना प्रजापति भोजपुरी सिनेमा के नयकी सनसनी बन जइहें एह फिलिम का बाद. रक्षा बंधन का मौका पर बिहार

टटका सिनेमा : अतवार, 2 अगस्त 2015

ईद का मौका पर रिलीज भइल भोजपुरी फिलिम “जिगरवाला” के सफलता से सगरी बिहारे ना पूरा देशे मेंं निरहुआ आ आम्रपाली के जलवा देखे के मिलत बा. भोजपुरी के माथ स्टारन में शामिल दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिलिमन के जुबिली मनावे के इतिहास रहल बा आ लागत बा कि जिगरवाला फिलिमो ओह इतिहास के दोहरा

टटका सिनेमा : शनिचर, 1 अगस्त 2015

वसुंधरा मोशन पिक्चर्स के भोजपुरी फिलिम ‘प्रोडक्शन नं. 2’ के शुभ मुहूर्त हालही में मुम्बई के एम फोर यू स्टूडियो में बहुते धूमधाम से कइल गइल. निर्माता सुधीर सिंह आ निर्देशक सुजीत कुमार के एह फिलिम में पवन सिंह मुख्य भूमिका में बाड़न. संगीतकार बाड़न अविनाश झा घुँघुरु, गीतकार मनोज मतलबी आ आजाद सिंह. एह

टटका खबर : 18 जुलाई 2015 (सबेर)

17 जुलाई के अबेर संस्करण से आगे ओडिशा के पुरी में भगवान श्री जगन्‍नाथ जी के रथ यात्रा आजु हो रहल बा. एह शताब्‍दी के पहिलका नव कलेवर रथ यात्रा में शामिल होखे खातिर लाखों के संख्या में श्रद्धालु पुरी चहुँपल बाड़े. देश के बाकियो हिस्सा में कई जगहा से रथ यात्रा निकाले के खबर

Older Posts›› ‹‹Newer Posts