रोजी-रोजगार
उत्तर प्रदेश सरकार का तरफ से एगो अधिसूचना जारी कइल गइल बा कि यूपी में एगो विशेष सुरक्षा बल के पाँच गो बटालियन खड़ा कइल जाई.एह विशेष सुरक्षा बल का जिम्मे प्रमुख सरकारी भवनन, कार्यालयन, आ औद्यागिक प्रतिष्ठआनन के सुरक्षा रही. निजी प्रतिष्ठानों भुगतान दे के एह सुरक्षा बल के सेवा ले सकीहें. राज्य के
गृह मंत्रालय के प्रेस सूचना विभाग का तरफ से खंडन आ गइल बा कि पहिला अक्टूबर से देश भर के सिनेमा ह़ल खुले जा रहल बाड़ी सँ.हालही में कुछ अभिनेता, फिल्मकर्मी, आ राजनेता मांग कइले रहलें कि देश भर में सिनेमाघरन के जल्दी से खोल दीहल जाव ना त फिलिम उद्योग से जुड़ल लोग भुखमरी
काल्हु सबेरे छह बजे से बिहार में ट्रक वालन के बेमियादी हड़ताल शुरु होखे जा रहल बा. एकर एलान करत मालिकन के संघ अध्यक्ष भानु प्रताप सिंह कहलन कि एकरा से होखे वाला जनता के परेशानी के जिम्मेदार बिहार सरकार होखी जे हमनी के माँग सुने के तइयार नइखे.जान जाईं कि जब जब चुनाव के
गोरखपुर के सांसद आ अभिनेता रवि किशन आजु केन्द्रीय सूचना अउऱ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर के पाती भेजि के निहोरा कइलन कि देशभर के सिनेमाघरन के दैहिक दूरी बनवले राखत खोले के अनुमति दीहल जाव. अपना पाती में रवि किशन लिखले बाड़न कि लॉकडाउन शुरू भइला का समये से पूरा देश के सगरी सिनेमाघर बन्द
राज्य सभा खातिर होखत चुनाव में कर्नाटक से चार गो आ अरुणांचल प्रदेश से एगो सदस्य बिना विरोध के चुना गइलें. काहे कि एहिजा ओतने लोग परचा दाखिल करुवे जतना सीट रहुवे. पिछला लोकसभा चुनाव में हारल आ पहिले पीएम रह चुकल एच डी देवेगोड्डा आ लोकसभा में कांग्रेस के नेता रहल मल्लिकार्जुन खडगे एह
देश में एह घरी पिछला छह बरीस से मोदी के सरकार चलत बा. मुनव्वर राणा के बतावल सौ करोड़ जानवरन का चलते ओही मुनव्वर के कहला मुताबिक 35 करोड़ आदमियन के ई संकट झेले के पड़त बा. पिछला सैकड़न बरीस के गुलामी का बादो देश के ई सौ करोड़ जानवर माने के तइयार नइखन कि
आरएसएस से जुड़ल भारतीय मजदूर संघ के ईकाई दिल्ली परिवहन मजदूर संघ डीटीसी बसन के ड्राइवर आ कंडक्टरन पर एफआईआर दर्ज कइला के विरोध कइले बावे. दिपमसंघ के कहना बा कि एहसे कर्मचारियन के मनबल टूटी. एहसे ड्राइवर आ कंडक्टरन का खिलाफ दर्ज मुकदमा रद्द कइल जाव. जाने जोग बा कि साजिशन अफवाह फैला के
कोरोना संकट का चलते आम आदमी के राहत देबे ला रिजर्व बैंक कहले रहुवे कि बैंक के कर्ज अदायगी में तीन महीना ले छूट दिहल जाई. ओकरा ला बैंक कर्जदारन के परेशान ना करी आ नाही ओह लोग के क्रेडिट साख खराब कइल जाई. सरकारी बैंक त पहिलहीं एकर एलान क दिहले रहुवें. बाकिर आजु
देश के लोकप्रिय नेता नरेन्द्र मोदी का बारे में कहल जाला कि आजु ले ऊ कवनो दू गो चुनाव एक मुद्दा पर नइखन लड़ले आ हर बेर उनकर मैदान अलग होला आ उनुका खेल के नियम उहे होला जे ऊ चाहेलें. एक बेर फेरु ई कहाउत साँच होखे जा रहल बा. नरेन्द्र मोदी के दुसरका
मध्य प्रदेश के नयका कांग्रेसी सरकार के मुख्यमंत्री कमलनाथ पद के किरिया लिहला का बाद पहिलके दिने खुलेआम कहलन कि बिहार आ यूपी के लोग आ के एहिजा के नौकरियन पर काबिज हो जात बा आ मध्य प्रदेश के लोग बेरोजगार रह जात बा. एहसे उनकर सरकार फैसला कइले बिया कि जवन उद्योग भा व्यवसाय
आजु सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी में दू गो नेशनल हाईवे आ बन्दरगाह के उद्घाटन करीहें. एह दुनु हाईवेज के लम्बाई 34 किलोमीटर बा आ एहनी पर 1572 करोड़ रुपिया का खरच भइल बा. बाबतपुर हवाई अड्डा के वाराणसी से जोड़त हाईवे जौनपुर, सुल्तानपुर होत लखनऊ ले जाई. हरहुआ में बनल फ्लाईओवर आ
नयी दिल्ली 06 अगस्त (वार्ता). राष्ट्रीय पिछड़ा वर्ग आयोग के संवैधानिक दर्जा दिआवे वाला 123वां संविधान संशोधन विधेयक के सोमार का दिने राज्यसभा पारित कर दिहलसि. एकरा खातिर भोट करावल गइल बाकिर एकरा विरोध में एकहू वोट ना पड़ल. 145 भोट एकरा पक्ष में पड़ल. कुछ सांसद आपन संशोधन के प्रस्ताव दिहले रहलें बाकिर बाद
नयी दिल्ली 26 जुलाई (वार्ता). आकलन साल, Assessment Year, 2018-19 खातिर आयकर रिटर्न भरे के आखिरी तारीख वित्त मंत्रालय एक महीना बढ़ाके 31 अगस्त 2018 क दिहलसि. केन्द्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड (सीबीडीटी) का तरफ से जारी बयान में आजु बियफे का दिने कहल गइल बा कि आयकर रिटर्न दाखिल करे के आखिरी तारीख जवन पहिले
नयी दिल्ली, 01 जुलाई (वार्ता) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु वस्तु अउर सेवा कर (जीएसटी) लागू भइला के एक साल पूरा होखला के मौका पर कहलन कि एहसे गरीब आ मिडल क्लास के लोग के फायदा चहुँपल बा आ साथही रोजगार के मौका आ कराधान में पारदर्शिता आइल बा. प्रधानमंत्री कहलन कि जीएसटी का चलते आर्थिक
नयी दिल्ली 29 मई (वार्ता). सरकारी बैंक कर्मचारी संघ काल्हु से दू दिन हड़ताल पर रहे के एलान कइले बावे. एह लोग के मांग बा कि तनखाह में दू फीसदी के मामूली बढोतरी के प्रस्ताव पर फेर से विचार होखे. हड़ताल का चलते बैंकन के कहना बा कि लोग डिजिटल तरीका से भुगतान करे काहे
लखनऊ, 06 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु बेसिक शिक्षा के अपर मुख्य सचिव राज प्रताप सिंह के शासनादेश जारी क के शिक्षामित्रन के मांग सकार लेबे ला जरुरी कार्रवाई करे के निर्देश दे दिहलें. सरकारी प्रवक्ता जानकारी दिहलें कि शिक्षामित्रन के एगो प्रतिनिधिमण्डल आजु मुख्यमंत्री से उनुका सरकारी आवास पर भेंट
नयी दिल्ली 07 मार्च (वार्ता). केन्द्र सरकार महंगाई के बोझ तर दबाइल केन्द्रीय कर्मचारियन के बड़हन राहत देत महंगाई भत्ता में दू फीसदी के बढोतरी कइले बिया जवन पिछला पहली जनवरी से लागू मानल जाई. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अध्यक्षता में भइल केन्द्रीय मंत्रिमंडल के बइठक में आजु एह प्रस्ताव के मंजूरी दीहल गइल. एह
भोजपुरी जन जागरण अभियान के बैनर तरे अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के दिना 21 फरवरी 2018 के दिल्ली के संसद मार्ग पर भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर विशाल शांति पूर्ण धरना के आयोजन कइल गइल. भलहीं भोजपुरियन के ई शांतिपूर्ण धरना रहे बाकिर ई धरना शांतिए शांति में केन्द्र सरकार
लखनऊ, 21 फरवरी (वार्ता). राजधानी लखनऊ में आजु से शुरू दू दिन के ‘इन्वेस्टर्स समिट’ में दुनिया के खासमखास कारोबारी हस्तियन का मौजूदगी से उत्साहित मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि समिट से यूपी में निवेश बढ़ी आ राज्य के 40 लाख नवहियन के रोजगार मिले के मौका बनी. योगी जी कहनी कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी
लखनऊ, 20 फरवरी (वार्ता) यूपी के राजधानी लखनऊ में काल्हु से होखे जा रहल दू दिन के इन्वेस्टर्स समिट में शामिल होखे ला निवेशक आवल शुरू क दिहले बाड़ें. प्रदेश के औद्योगिक विकास मंत्री सतीश महाना आजु बतवलन कि इन्दिरा गांधी प्रतिष्ठान में आयोजित इन्वेस्टर्स समिट अपना में एगो ऐतिहासिक समिट होखी, जवना के देश
Older Posts››