रोजी-रोजगार
अगर रउरा अपना माई बोली से लगाव बा आ रउरा एकरा ला कुछ कइल चाहत बानी त टटका खबर पर राउर स्वागत बा. आजुए लॉगिन करीं आ अपना निजी जानकारी का आधार पर (कवनो अखबार, वेबसाइट भा सोशल मीडिया ग्रुप से मिलल जानकारी मान्य ना होखी.) खबर पोस्ट कइल शुरु क दीं. लॉगिन करत घरी
भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे ला लोग गाजा बाजा ले के लागल रहेला. ओह लोग के सफलता ला शुभकामना करत अँजोरिया अपना तरीका से भोजपुरी के सेवा करे में लागल बिया. भोजपुरी के इस्तेमाल बढ़ावे खातिर एह काम में नवहियन के जोड़ल जरुरी बा. इहे सोच के अँजोरिया परिवार के समाचार
आजु लखनऊ में भाजपा के घोषणा पत्र जारी करत भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह दावा कइलन की यूपी में भाजपा दू तिहाई बहुमत ले के सरकार बनाई। कहलन की भाजपा सरकार में कवनो जाति से बेईमानी ना होखी आ सभका साथे समान आ बढ़िया बेवहार होखी। अबहिन नौकरी देबे में, लैपटॉप बनते में, भ
वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु लोक सभा में आयकर कराधान कानून (दुसरका बदलाव) विधेयक, 2016 पेश कइलन। एह विधेयक में अघोषित आमदनी पर कुल मिलाके 50 प्रतिशत टैक्स आ सरचार्ज लगावे के प्रस्ताव बा। एह 50 फीसदी का उपर से 25 फीसदी अउर प्रधानमंत्री गरीब कल्याण जमा योजना-2016 में जमा करावे के पड़ी जवना प
मोहाली टेस्ट में दुसरका दिने भारत के पारी लड़खडाइल नजर आइल आ खेल ख़तम होखे बेरा ले छह विकेट का नुकसान पर 271 रन बना पवले बल्लेबाज। मेलबर्न में होखत चार देशन के हॉकी टूर्नामेंट में भारत मलेशिया टीम के 4-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि। बैडमिंटन के होंगकांग ओपन के फाइनल में
मंगल का रात देश के करिया कमाई करे वालन का खिलाफ एगो बड़हन सर्जिकल स्ट्राइक करत भारत सरकार 500 आ 1000 रुपिया के नोट के प्रचलन बल्द क दिहलसि. अचानक भइल एह एलान से सगरी धनपशुअन के ठकुआ मार दिहलसि. केहु के इचिको अन्दाजा ना रहुवे कि मोदी सरकार सचहूँ करिया धन का खिलाफ अतना
लुकावल चोरावल धन के एलान क के साफ़ सुथरा बन जाए के मौका देबे वाली अघोषित आय घोषणा योजना के आखिरी दिन जस जस नियरा आवल जाट बा तस तस आमदनी वाला लोग के धड़कन बढल जाटी बा। लोग का मन में उमड़त घुमड़त तरह तरह के सवालन के जवाब मुहैया करावे खातिर आयकर विभाग
यूपी के 37683 गो ग्राम रोजगार सेवकन के मानदेय दूना क के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव शनिचर का दिने ओह लोग के भरोसो दिहलन कि बाकियो मांगन पर विचार करत बिया सरकार। ग्राम रोजगार सेवकन के मानदेय पहिले 3630 रुपिया मिलत रहुवे। अब एकरा के बढ़ाके 6000 रुपिया क दीहल गइल बा। दोसरो संविदाकर्मियन के मांग
आम जनता में अपना ‘परम श्रद्धेय’ ‘यशस्वी’ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी खातिर कतना लगाव बा आजु बलिया ई देखा दिहलसि. भोरहीं से लोग के जत्था जुटल शुरू हो गइल रहे आ जस जस सभा के टाइम नियरात रहुवे तस तस लोग के बेचैनी बढ़ल जात रहुवे समय रहते माल्देपुर चहुँप जाए के. भीड़ के उछाह देखिये
बिहार में लगावल शरा बन्दी का बाद अब पूरा प्रशासन के एकर कील काँटी सझुरावे में लागल बा. सभकर धेयान एही पर बा कि एकरा के कइसे सफल बनावल जाय. जौ का साथे घुन पिसाला वाला कहावत के सही बनावत ताड़ी के कारोबार से आपन घर गिरस्थी चलावे वाला गरीब पासी समाज का सोझा भूखमरी
बिहार कर्मचारी चयन आयोग 7 हजार एएनएम के बहाली करे जात बा. एकर विज्ञापन आयोग के साइट प देखल जा सकेला. आवेदन करे के आखिरी तारीख बा 15 मार्च. हर जिला के सिविल सर्जन का अधीन खाली पदन पर ई बहाली होखीहें सँ. आवेदक के कवनो मान्यता मिलल संस्थान से भारतीय नर्सिंग परिषद से तय
31 मार्च 2001 आ ओकरा पहिले से दैनिक मजूरी भा संविदा पर काम करत आवच 25 हजार कर्मचारियन के अब यूपी सरकार आपन नियमित कर्मचारी मान लिहले बिया. एकर शासनादेश जारी करत एगो पेंचो फँसवले बिया सरकार कि ओही लोगन के नियमित कइल जाई जे बहाली के बेरा जरुरी योग्यता राखत रहुवे. ओने एगो अउर
आंगनबाड़ी सेविका आ सहायिका पद खातिर बहाली ला एम.ए., बी.ए. वगैरह उच्च शिक्षा से जुड़ल डिग्रीयन पर कवनो बोनस अंक ना दीहल जाई. एह काम ला बस मैट्रिके के प्रमाण पत्र के देखल मानर जाई. आंगबाड़ी केन्द्रों के बंद मिलला पर, बच्चन के गिनिती में कमी अइला प आ पोषाहार के गुणवत्ता खाति सेविका अउर
एह साल के अपना पहिलका मन के बात में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि ऊ चाहत बाड़न कि देश के नवही “प्रधानमंत्री फसल बीमा योजना” के देश भर का किसानन ले चहुँपा देसु आ एह काम में नवही लोग अपना अपना मोबाइल से एकर जानकारी अधिका से अधिका किसानन के देसु. पीएम कहलन कि खादी
बिहार सरकार जल्दिए एक हजार वेटनरी डॉक्टरन के बहाली करे जात बिया. मवेशी डाक्टरन के कमी का चलते राज्य सरकार के पशुपालन से जुड़ल योजनन के पूरा करे में दिक्कत होखत बा. बहाली करे के पहिले के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा.
रिजर्व बैंक बिहार में 1640 अइसन गाँवन के चुनले बा जवना के आबादी त 5 हजार से अधिका के बा बाकि ओहिजा कवनो बैंक शाखा नइखे. अब एह गाँवन में बैंक खोलल जाई. एह काम का पहिला 13 गो प्रखंडन के मुख्यालयन में बैंक शाखा खोलल जाई जहवां शाखा नइखे. साथही सात रुपिया सैकड़ा सालाना
केन्द्र सरकार देश में 17 गो रिजर्व बटालियन बनावे के एलान कइले बिया. कैबिनेट से एह प्रस्ताव के मंजूरीओ मिल गइल बा. एह बटालियनन में कश्मीर के सिवान प के लोग, आ बाकी राज्यन में नक्सली प्रभावित इलाकन के लोग के प्राथमिकता दे के बहाल कइल जाई. 27 जिलन से नवहियन के एह बहाली ला
गाजीपुर जिला में पचीस गो कामधेनु डेयरी खोले के फैसला कइल गइल बा. एह बात के जानकारी देत ओहिजा के जिलाधिकारी के कहना बा कि हर डेयरी पर 27 लाख के खरचा आई जवना में से महज चउथाई पूंजी डेयरी लगावे वाला लगाई आ तीन चौथाई पूंजी बैंक से करजा मिल जाई. डेयरी खोले वाला
यूपी के शिक्षामित्रन ला राहत के खबर बा कि ओह लोग के मामिला के अगिला सुनवाई से पहिलहीं बकाया के भगतान मिल जाई. सुनवाई 24 फरवरी के होखेवाला बा. एह से शित्क्षा विभाग चाहत बा कि 10 फरवरी ले पूरा भुगतान मिल जाव एह लोग के. ओने बेसिक शिक्षा पदाधिकारियन के कहना बा कि जबले
लखनऊ केमिस्ट एसोसिएशन के कहना बा कि केन्द्र सरकार दवाई दुकान खोले खातिर लाइसेंस फीस दसगुना करे जात बिया. जबकि यूपी के ड्रग कंट्रोलर के कहना बा कि उनका लगे अइसन कवनो जानकारी नइखे. बतावल जात बा कि अब नया दुकान खोले ला तीन हजार का जगहा तीस हजार फीस देबे के पड़ी. नवीकरणो के
Older Posts››
‹‹Newer Posts