Go to ...
RSS Feed

रोजी-रोजगार

पाँच लाख सालाना तक के आमदनी टैक्स माफ करे के अपील

काल्हु देश के मजदूर संगठनन आ केन्द्र सरकार का बीच भइल बातचीत में मजदूर संगठन कहलें कि सरकार पाँच लाख रुपिया सालान तक के तमखाह के टैक्स माफ क देव आ कर्मचारियन के मिले वाला स्टैंडर्ड कटौती के सुविधा फेरू दीहल जाव जेहसे देश के वित्तीय हालात में सुधार होखे. वित्त मंत्री अरुण जेटली कहलन

बिहार में खोलल जाई छह गो कौशल विकास केन्द्र

केन्द्र सरकार राष्ट्रीय कौशल विकास मिशन के तहत बिहार में छह गो प्रशिक्षण केन्द्र खोले के इजाजत दिहले बिया. एह केन्द्रन के बक्सर, सारण, दरभंगा, सीतामढ़ी, मुजफ्फरपुर अउर भागलपुर में खोलल जाई. श्रम संसाधन विभाग के सचिव बतावत बाड़न कि सारण, मुजफ्फरपुर अउर बक्सर में जमीन उपलब्ध बा एहसे एह जगहन पर भवन बनावे के

बिहार में सात हजार नर्सन के बहाली

बिहार सरकार प्रदेश के सरकारी अस्पतालन खातिर सात हजार नर्सन के बहाली करे वाली बिया. सगरी जिलन से स्वास्थ्य उपकेन्द्र, अतिरिक्त प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र, प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र अउर अनुमंडलीय अस्पतालन में मौजूद रिक्तियन के जानकारी मंगावल गइल बा जेहसे सगरी खाली जगहा भर दीहल जाव. राज्य के सहकारी बैंकनो में नाहियो त पांच हजार कर्मचारियन

राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के सुन्दर बनावल जाई

चंदौली जिला के राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के अउरी सुन्दर आ पर्यटन जोग बनावे खातिर केन्द्र सरकार अढ़ाई करोड़ रुपिया खरच करे के मंजूरी दिहले बिया. एहीजा गेस्ट हाउस आ संपर्क मार्ग पहिले से बा आ ओकर जीर्णोद्धार कइला का साथही अउरीओ काम करावल जाई जेहसे एह इलाका में पर्यटन के बढ़ावा मिलो. केन्द्र

खेल के सामान बनावे वाला कंपनी के कारीगर चाहीं

पंजाब के अमृतसर में लकड़ी के खिलौना आ खेल के सामान बनाए वाली एगो बड़हन कंपनी के कारीगरन के जरुरत बा. कंपनी का तरफ से बतावल गइल बा कि ऊ लोग कारीगरन के तीन महीना के प्रशिक्षण दे के सक्षम बनाई. एह तीन महीना का दौरान कवनो प्रशिक्षण शुल्क ना लीहल जाई आ ओह लोग

गाजीपुर में सेना बहाली रैली

अगिला महीना 6 जनवरी से 17 जनवरी का बीच गाजीपुर के सैदपुर में करमपुर गाँव के स्टेडियम में सेना बहाली रैली के आयोजन होखे वाला बा. एह रैली खातिर सत्तर हजार से बेसी नवही आपन पंजीकरण करवा चुकल बाड़ें. रैली के प्रभारी कर्नल विनीत प्रभात जिला प्रशासन आ पुलिस अधिकारियन का साथे बहाली रैली वाला

बिहार में बंपर वैकेन्सी

बिहार सरकार राज्य के एक हजार पंचायतन में नया हाई स्कूल खोले के तय कइले बिया जवना खातिर तीस हजार से अधिका शिक्षकन के बहाली होखे वाला बा. मिडिल आ हायर सेकेन्डरी स्कूलनो में खाली पड़ल शिक्षकन के पद भरे के योजना बा सरकार के. अतना बड़हन बंपर वैकेन्सी भरे खातिर स्पेशल शिक्षक पात्रता परीक्षा

बलिया के ददरी मेला खतम बाकिर सोनपुर मेला अबहियों जारी

बलिया के मशहूर ददरी मेला के सरकारी तौर पर काल्हु बुध का दिने समापन हो गइल. बाकिर सोनपुर मेला अबहीं कुछ दिन चले वाला बा. सोनपुर मेला में भिखारी ठाकुर हमेशा जिन्दा रहेलें आ मेला आवे वाली मेहरारुवन के झुण्ड उनुकर कवनो ना कवनो गीत गावत सुना जाले. गवना कराई पिया घर बइठयले अपने गइल

यूपी के सरकारी कर्मचारियन के महँगाई भत्ता बढ़ल

यूपी सरकार अपना कर्मचारियन के महँगाई भत्ता में जुलाई 2015 से 6 फीसदी के बढ़ोतरी करे के एलान कइले बिया. एकर बकाया के पहिलका किश्त जनवरी में दे दीहल जाई. सरकारी कर्मचारियन के अब उनुका मूल वेतन के 119 फीसदी महंगाी भत्ता में मिलल करी. सरकार के एह फैसला से युपी के 18 लाख कर्मचारियन

बिहार में तीस हजार शिक्षकन के बहाली

बिहार सरकार के शिक्षा विभाग राज्य के माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक हाई स्कूलन में बहाल करे खातिर तीस हजार शिक्षकन के बहाली कार्यक्रम जारी कइले बावे. सोलह दिसम्बर से बीस जनवरी का बीच लोग के नियुक्ति पत्र मिल जाए के बात कहल जात बा. पुस्तकालयध्यक्षन के बहाली 21 जनवरी ले क लीहल जाई.

शिक्षामित्रन के राहत दे दिहलसि सुप्रीम कोर्ट

काल्हु सोमार का दिने सुप्रीम कोर्ट अपना फैसला में यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के हटवला पर रोक लगा दिहलसि. कहलसि कि अतना बड़हन संख्या में होखे वाला बरखास्तगी से बहुते तरह के मानवीय समस्या उठ खड़ा होखी आ एहसे एह तरह के फैसला ना लीहल जा सके. बाकिर साथही इहो कह दिहलसि

प्रोमोशनो में आरक्षण देबे के माँग कइली बीएसपी सुप्रीमो मायावती

आजु राज्यसभा में सांसद आ बसपा सुप्रीमो मायावती कहली कि दलितन आ जनजातियन के सरकारी आ निजी दुनू क्षेत्र में प्रोमोशनो में आरक्षण के सुविधा दीहल जाव. संगही संगे सवर्णो लोग के रिझावे खातिर कहली कि गरीब सवर्णनो के आर्थिक आधार पर आरक्षण मिले के चाहीं. जानते बाड़ी कि अइसन होखे वाला नइखे त बाँग

यूपी के सिपाही बहाली में अब लिखित परीक्षा ना होखी

लिखित परीक्षा में अपना मन मर्जी के प्रतिभागियन के बहाल करावे में आवत दिक्कत देखत यूपी सरकार अब फैसला कइले बिया कि एह बहाली ला लिखित परीक्षा ना लीहल जाई. मैट्रिक आ इंटर के नंबर का आधार पर चुनल गइल लोग के शारीरिक टेस्ट लीहल जाई आ ओकरे आधार पर बहाली होखी. जान जाईं कि

बिहार लोकसेवा आयोग के प्रीलिम के रिजल्ट घोषित

बिहार लोक सेवा आयोग पिछला 15 मार्च के करावल गइल 56वीं से ले के 59वीं सम्मिलित संयुक्त (प्रारंभिक) प्रतियोगिता परीक्षा के रिजल्ट काल्हु शनिचर के साँझ जारी कर दिहलसि. कुल 746 गो होखे वाला बहाली खातिर 28,308 जने के सफल घोषित कइल गइल बा. अब ई लोग मुख्य परीक्षा दी. एह इम्तिहान में जेनरल कैटेगरी

कर्मचारियन के नीमन दिन त आ गइल

सातवां वेतन आयोग के सलाह मान लेवे के संकेत केन्द्र सरकार दिहले बिया आ एकरा बाद कर्मचारियन के त नीमन दिन आ गइल मानल जा सकेला. वित्त आयोग अइसनको एगो सलाह दे दिहले बिया जवना ला आजु ना त काल्हु हड़ताल करबे करतन कर्मचारी. अब सगरी कर्मचारियन खातिर वन रैंक वन पेंशन करे के सलाह

सरकारी कर्मचारियन ला नीमन दिन आवत बा

सातवां वेतन आयोग के सिफारिश में केन्द्र सरकार के पचास लाख कर्मचारियन खाति खुशखबरी आवे वाला बा आ ओह लोग के वेतन में पन्द्रह फीसदी के बढ़ोतरी हो सकेला. एकरा से पेंशन उठावे वाला लोगो के फायदा होखे वाला बा. सातवां वेतन आयोग के रपट 19 नवंबर के सरकार के दीहल जाए के उमेद बा.

गाजीपुर में होखे वाला सेना बहाली के पंजीयन 7 नवंबर से शुरु

अगिला साल 6 जनवरी का दिन से छह गो पूरबी जिलन के नवही सेना बहाली खातिर गाजीपुर में होखे वाला बहाली रैली में शामिल हो सकीहें. एह खातिर पंजीयन शनिचर 7 तारीख से शुरु होखे जा रहल बा आ लोग आनलाइन पंजीयन करा लेव. बहाली रैली 6 जनवरी से शुरु हो के 17 जनवरी ले

अगिला साल से छोटका नौकरियन ला इंटरव्यू ना होखी

पीएम मोदी काल्हु अतवार का दिने अपना मन का बात में बतवलन कि पहली जनवरी से छोटका बहालियन में इंटरव्यू के सिस्टम खतम क दीहल जाई. केन्द्र सरकार के लागत बा कि इंटरव्यू का चलते बहाली में बदहाली आ बेईमानी के बोलबाला रहेला जबकि एह पदन खातिर इंटरव्यू के जरूरत ना होखे के चाहीं. सीधे

नीमन दिन आइल : औद्योगिक कर्मचारियन के मिली दुगुना बोनस

केन्द्र सरकार फैसला क लिहलसि कि अब औद्योगिक कर्मचारियन के पहिले से दुगुना बोनस दीहल जाई. पहिले बोनस के सीमा साढ़े तीन हजार रुपिया रहुवे जवना के बढ़ा के अब सात हजार कर दीहल गइल बा. आ एह बोनस के हकदार बने खातिर तनखाहो के सीमा पहिले के दस हजार रुपिया से बढ़ा के एकइस

यूपी के पौने दू लाख शिक्षामित्रन के सहायता करी केन्द्र सरकार

यूपी में शिक्षामित्र से सहायक अध्यापक बनावल गइल करीब पौने दू लाख लोग के बहाली हाई कोर्ट का आदेश का बाद रद्द कर दीहल गइल बा. एह चलते लाखौ परिवार संकट में आ गइल बाड़न. एह लोग के राहत चहुँपावे ला केन्द्र सरकार राह निकाले में लागल बिया आ अब ऊ अदालत में हलफनामा दी

Older Posts›› ‹‹Newer Posts