web analytics

सांसद प्रभुनाथ मंत्री शाही के विरोध कइलन

बिहार सरकार के शिक्षा मंत्री प्रशांत कुमार शाही के बयान आइल बा कि खाली शिड्यूले कास्ट के अभ्यर्थियन के अनट्रेंडो रहला पर शिक्षक बहाल कइल जाई. सांसद प्रभुनाथ सिहं एकर विरोध करत कहले बाड़न कि एह तरह के पक्षपात ना होखे के चाही आ सगरी अनट्रेंड उम्मीदवारन के शिक्षक बने के मौका मिले के चाहीं … Read more

 160 total views

पिछला साल भइल बीपीओ आ क्लर्क बहाली परीक्षा रद्द

महादलित विकास मिशन खातिर प्रखंड परियोजना पदाधिकारी आ क्लर्क सह एकाउन्टेंट बहाली ला अगस्त में भइल परीक्षा में धाधली भइला का चलते ओकरा के रद्द कर दिहल गइल बा. आगे इम्तिहान कब होखी़ भा होखी कि ना एकर फैसला अबहीं नइखे भइल कहल जाता कि अगर दबारा परीक्षा ना भइल त परीक्षा खातिर लिहल शुल्क … Read more

 183 total views

यूपी टीईटी परीक्षा 27 आ 28 जून के

कक्षा एक से पाँच के विद्यार्थियन के पढ़ावे ला शिक्षकन के बहाली खातिर अध्यापक पात्रता परीक्षा (टीईटी) 27 आ 28 जून के आयोजित कइल जाई. 27 जून के प्राइमरी शिक्षकन ला दू पाली में टीईटी होखी. 28 जून के पहिला पाली में कक्षा छह से आठ के शिक्षकन ला आ दुसरका पाली में उच्च प्राथमिक … Read more

 150 total views

बीएड पासो लोग शिक्षक बहाल हो पाई

पटना हाई कोर्ट के आदेश का बाद 29 सितंबर 2012 से पहिले बीएड पास कर चुकल अभ्यर्थी माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक शिक्षक पद पर बहाली के पात्र मानल जइहें. बहाली के विज्ञापन 29 सितंबर 2012 के निकलल रहुवे बाकिर बाद में 18 अप्रैल के बहाली के मानदंड बदल दिहल गइल आ खाली ट्रेडे लोग के … Read more

 145 total views

सारण जिला में बारह सौ प्लस टू शिक्षकन के बहाली होखी

सारण जिला में 1233 गो प्लस टू शिक्षकन के बहाली होखी. शिक्षा विभाग का तरफ से प्लस टू शिक्षक बहाली के जिलावार रिक्ति जारी कर दिहल गइल बा. 11 जून से 10 जुलाई का बीच अभ्यर्थियन के आवदेन नियोजन इकाई में जमा लिहल जाई आ मेधा सूची जारी भइला का बाद चुनाइल शिक्षकन के 30 … Read more

 195 total views

पिछड़ा वर्ग में जातियन के गिनिती बढ़ावल जाई

यूपी में पिछड़ा वर्ग का कोटा में आरक्षण के हकदार जातियन के गिनिती बढ़ावे का बारे में राज्य पिछड़ा वर्ग आयोग आपन प्रस्ताव तइयार कर लिहले बिया आ एह प्रस्ताव के जल्दिए सरकार का लगे भेजल जाई एह सूची में पहिले से पचपन गो जाति के नाम शामिल बा आ अब उन्नासी जातियन के ई … Read more

 145 total views

प्लस टू शिक्षकन के बहाली आदेश 30 अगस्त के जारी होखी

बिहार में प्लस टू शिक्षक लोग के बहाल करे ला 11 जून से 10 जुलाई का बीच अभ्यर्थियन से आवेदन लिहल जाई. आ ओकरा बाद दस जुलाई से तीस अगस्त का बीच बहाली के सगरी प्रक्रिया पूरा कर लिहल जाई. अभ्यर्थियन के मेरिट लिस्ट अनुमोदित हो गइला का बाद चुनाइल अभ्यर्थियन के बहाली के चिट्ठी … Read more

 222 total views,  2 views today

नियोजन मेला अब 12 जून से

बिहार सरकार के श्रम संसाधन विभाग 10 मई से होखे वाला नियोजन मेला के कार्यक्रम में बदलाव कइले बा आ अब ई मेला 12 जून से शुरू होखी. एकरा पीछे महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव का चलते लागू आचार संहिता बतावल जात बा. नियोजन मेला के शुरुआत छपरा से होखी. पूरा राज्य में २९ जून ले एह … Read more

 190 total views

ग्राम्य स्वास्थ्य मित्रन के बहाल करी प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान

‘स्वस्थ भारत विकसित भारत’ के अपना सपना के पूरा करे का दिशाईं एक डेग अउर बढ़त प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान देश के एगारह राज्य में ग्राम्य स्वस्थ्य मित्र बहाल करे जात बिया. मुम्बई में भइल प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान के नेशनल एक्जीक्यूटिव कमेटि के बइठक का बाद नेशनल को-आर्डिनेटर आशुतोष कुमार सिंह बतवले कि देश में स्वास्थ्य … Read more

 165 total views

अब प्रोमोशनो खातिर इम्तिहान देबे के पड़ी

राज्य प्रशासनिक सेवा के पदाधिकारियन के आईएएस में प्रोमोशन देबे से पहिले अबले कवनो इम्तहान ना लिहल जात रहुवे आ ओह लोग के साक्षात्कारे ले के पैनल में नाम दे दिहल जात रहुवे. अबसे ई व्यवस्था कर दिहल गइल बा कि अब प्रोमोशन खातिर बाकायदा इम्तिहान देबे के पड़ी.  185 total views

 185 total views

बिहार पुलिस बहाली में औरतन ला पैंतीस फीसदी आरक्षण

काल्हु पटना गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार घोषणा कइलन कि अब राज्य में हर तरह के पुलिस बहाली में पैंतीस फीसदी जगहा औरतन ला आरक्षित रही. पहिले ई आरक्षण तीने फीसदी के रहुवे. बतवलन कि बिहार सरकार नारी सशक्तिकरण ला समर्पित बिया. इहो कहलन कि अबसे सगरी सहकारी … Read more

 168 total views

आईएएस परीक्षा ला अंगरेजी जरूरी ना होखी

केन्द्र सरकार काल्हु राज्यसभा में बतवलसि कि लोक सेवा आयोग के परीक्षा से अंगरेजी के अनिवार्यता हटा दिहल गइल बा. अब फेरू कवनो अधिसूचित भाषा में परीक्षा दिहल जा सकी. निबंध वाला पेपर से अंगरेजी के हिस्सा निकाल दिहल जाई बाकिर कवनो दू गो आधुनिक भारतीय भाषा आ अंगरेजी में परीक्षा पास कइल जरूरी होखी. … Read more

 160 total views

जिए भोजपुरी ! बाकिर कइसे?

पिछला दस साल से भोजपुरी के वेबसाइट चलावत अपना अनुभव से इहे सिखले बानी कि भोजपुरी में वेबसाइट चलावल बहुते मुश्किल काम होला. सबसे पहिले भोजपुरी में वेबसाइट शुरू भइल रहे अँजोरिया. एकरा बाद बहुते वेबसाइट अइलीं स. कुछेक त बहुते मजगर तरीका से निकलली सँ बाकिर गँवे गँवे सभकर उत्साह मधिम होत चल गइल. … Read more

 234 total views

यूपी में सवा पाँच सौ नर्सन के बहाली

राज्य में नर्स के बहाली पर लगावल रोक हटा के उत्तर प्रदेश स्वास्थ्य विभाग पाँच सो पच्चीस गो नर्स के बहाली करे के फैसला लिहले बा. एह लोग के बहाली एक सौ पचहत्तर गो नया बनल स्वास्थ्य केन्द्रन खातिर कइल जाई.  225 total views

 225 total views

सीमा सुरक्षा बल में बहाली

केन्द्रीय सशस्त्र सीमा सुरक्षा बल, एसएसबी, में दू हजार आठ सौ बत्तीस रिक्ति पर बहाली खातिर आवेदन मँगाइल बा. टेलीकॉम कैडर के आवेदन ३१ जुलाई ले, कांस्टेबुल के आवेदन ९ अगस्त ले, ड्राइवर ला आवेदन अउर पारामेडिकल रिक्तियन खातिर आवेदन ३१ अगस्त ले दिहल जा सकेला. एह सगरी रिक्तियन के जानकारी एसएसबी के वेबसाइट से … Read more

 76 total views,  2 views today

जरूरत बा कुछ सहयोगियन के

अगर रउरा भोजपुरी भाषी हईं, (ना रहतीं त एहिजा अइतीं काहे?) बिहार, यूपी, झारखंड, भा छत्तीसगढ़ के ओह इलाका में रहीलें जहाँ भोजपुरी बोलल जाले.(राज्य के राजधानी में रहल जरूरी नइखे, जिला मुख्यालय पर होखल जरूरी बा.) इंटरनेट के उपयोग जानीलें.(ना जनतीं त अइतीं कइसे?) यूटीएफ फांट में टाइप करे आवेला भा सीखे के इरादा … Read more

 194 total views

बीस मार्च से यूपी में सेना के भर्ती रैली

एह बीस मार्च से लखनऊ छावनी के 11वीं गोरखा राइफल्स रेजीमेंटल सेंटर मैदान में सेना के भरती रैली शुरू होखे वाला बा. दौड़ में शामिल होखे खातिर मिले वाला टोकन भरती स्थल से अलगा जगहा दिहल जाई. मध्य कमान के प्रवक्ता बतवले बाड़न कि सबेरे पांच बजे से दस बजे ले दौड़ में शामिल होखे … Read more

 210 total views

कुल 6388 गो बहाली

यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ के बहाली सरकारी बैंक यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ प्रोबेशनरी आफिसर के 2473 पद खातिर बहाली होखे वाला बा. तनखाह 14500 – 25700 उमिर सीमा 21 – 30 साल का बीच फीस सामन्य आ अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर 300/- जबकि बाकी खातिर 50/- यूनियन बैंक के कवनो शाखा … Read more

 86 total views

आकाशवाणी पटना में अंशकालीन संवाददाता के बहाली

आकाशवाणी पटना के समाचार विभाग में संविदा पर अंशकालीक संवाददाता के नियुक्ति छह गो जिला, कटिहार, सीतामढ़ी, भोजपुर, वैशाली, जहानाबाद आ अररिया, में होखे वाला बा. एकरा खातिर पत्रकारिता में डिग्री भा डिप्लोमा का साथे दू साल के पत्रकारिता के अनुभव चाहीं. उमिर चौबीस से पैंतालिस साल का भीतर होखे आ कैमरा आ कंप्यूटर चलावल … Read more

 80 total views,  2 views today

सचिवालय सहायक आ टीईटी परीक्षा

सचिवालय सहायक समेत अनेक पद खातिर पीटी परीक्षा अठारह दिसम्बर के करावल जाई. एह खातिर राज्य भर में सात सौ तिरसठ गो केन्द्र बनावल गइल बा जहवाँ कुल तीन लाख छियासी हजार परीक्षार्थियन के इन्तिहान लिहल जाई. बीस आ इकइस दिसम्बर के होखे वाला टीईटी परीक्षा खातिर हेल्पलाइन नम्बर जारी कइल गइल बा जहवाँ से … Read more

 157 total views