Go to ...
RSS Feed

टटका खबर

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 7 दिसंबर) देश राज्य सरकार का पसंद के लोकायुक्त बहाल करे से कर्नाटक राज्यपाल के इंकार पर भाजपा नाराजगी जतवलसि. हिमाचल प्रदेश के एगो बौद्ध मठ से जनवरी में जब्त भइल सात करोड़ रुपिया के विदेशी मुद्रा का मामिला में दायर आरोप पत्र में तिब्बती धार्मिक प्रमुख आ 17वाँ करमापा उग्येन त्रिनले दोरजी के

बिहार के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) खगड़िया जिला के चौथम थाना इलाका में माली ग्राम पंचायत से उपचुनाव करा के लवटत एगो सहायक पुलिस निरीक्षक के उनुके पिस्तौल छीन के गोली मार दिहल गइल. औरंगाबाद जिला के टंडवा थाना इलाका में सोमार का रात नक्सलियन आ पुलिस का बीचे गोलीबारी भइल बा. बाकिर केहु के हताहत होखे के

उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) कांशीराम नगर जिला में आजु मंगल का दिने रोडवेज बस आ ट्रक का टक्कर में छव गो सवारियन के मौत हो गइल आ सतरह गो घवाहिल हो गइलें. महाराजगंज जिला में सशस्त्र सीमा बल अउर पुलिस मिल के एगो नेपाली तस्कर के करीब 10 लाख रुपिया के चरस का साथे गिरफ्तार कर

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) देश भारत, जापान अउर अमेरिका का बीच तितरफा बातचीत 19 दिसम्बर के वाशिंगटन में होखे वाला बा जवना में एशिया प्रशांत इलाका के ढेरहन मुद्दन पर बातचीत होखी. विधानसभा में धान के बोरी लिहले चहुँपले एगो विधायक. एह चलते विधानसभा में नियुक्त तीन गो पुलिस अधिकारियन के मुअत्तल कर दिहल गइल. आंध्र

बिहार के खबर

(अतवार, 4 दिसंबर) पटना के सुपर 30 के गुरु आनंद कुमार के दुनिया के 20 गो माथ शिक्षकन का सूची में लंदन के प्रतिष्ठित पत्रिका ‘मोनोकल’ शामिल कइले बिया. पूर्वी चम्पारण आ औरंगाबाद जिलन में दू गो अलग अलग हमला में नक्सली उतपाती एगो कंपनी के दू गो मोबाइल टावरन का लगे जेनरेटर रूम आ

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 4 दिसंबर) प्रदेश विधान सभा के सगरी सीट लड़े के दावा करत अमर सिहं के लोकमंच के कहना बा कि ऊ 150 सीट पर खास जोर लगाई. मुलायम सिंह के बेटा प्रतीक यादव के काल्हु सैफई में भइल शादी में बहुते दिग्गज हस्ती लोग चहुंपल. काल्हु सोमार का दिने लखनऊ में भाजपा नेत्री उमा

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 4 दिसंबर) देश कश्मीर में निकाय चुनाव चाहत बाड़न पीडीपी के मुफ्ती मोहम्मद. कहलन कि उमर अब्दुल्ला राज्य में निकाय चुनाव ना करवा के लोकतंत्र खतम कइल चाहत बाड़न. तमिलनाडु के एगो मंत्री के कहना बा कि जयललिता पर झूठ दोस लगावे वाला स्टालिन के एकर सजाय भुगते पड़ सकेला काहे कि उनुका पर

बिहार के खबर

(शनिचर, 3 दिसंबर) मुजफ्फरपुर-मोतिहारी रेलखंड पर शुक के देर रात पिपरांहा हॉल्ट आ कांटी टीसनका बीच एगो सवारी गाड़ी में लूटपाट का साथे मारपीट कइल गइल. एहमें पाँच गो सवारी घवाहिल हो गइले. बिहार के अनेके पंचायत के खाली जगहन के भरे खातिर आजु राज्य के बहुते जिला में उपचुनाव करावल गइल. वोट के गिनिती

उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 3 दिसंबर) यूपी के शिक्षकन के अब मनमाफिक तबादला दिहल जाई. यूपी विधानसभा के 50 सीट पर आपन उम्मीदवार खड़ा करी कौमी एकता दल. कहलें अफजाल अंसारी. विधानसभा चुनाव में अब उम्मीदवार सोलह लाख रुपिया ले जायज तरीका से खरच कर सकीहें. पहिले ई सीमा दसे लाख रहल बाकिर महँगाई का चलते चुनाव आयोग

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 3 दिसंबर) देश झारखण्ड में निर्दलीय सांसद इंदर सिंह नामधारी के काफिला पर नक्सली हमला में छह गो पुलिस वाले समेत 8 लोग के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलें. कश्मीर में नेशनल कांफ्रेस के नेता के गोली मार के घवाहिल कर दिहल गइल. भंवरी मामला में गिरफ्तार महिपाल मदेरणा के

बिहार के खबर

(शुक, 2 दिसंबर) मोतिहारी जेल में औचक छापा में 23 गो मोबाइल फोन बरामद भइल बा. विधानमंडल के शीतकालीन सत्र आजु से शुरू हो गइल. विधान सभा में अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी बतवलें कि लोजपा विधायक प्रमोद कुमार सिंह आ नौशाद आलम जदयू में शामिल कर लिहल गइल बाड़े. आजु मंत्री हरि प्रसाद साह, मुख्यमंत्री

उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 2 दिसंबर) 7 दिसम्बर से फेर यूपी के दौरा पर अइहन राहुल गाँधी. कानपुर में शुक का दिने बी. टेक. के एगो छात्र के दोसर दू गो छात्र गोली मार के हत्या कर दिहले. पुलिस एकरा के प्रेम प्रसंग से जुड़ल बतावत बिया. केहु के गिरफ्तारी अबही नइखे भइल. बसपा सरकार के तीन गो

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 2 दिसंबर) देश कश्मीर में बारूदी सुरंग में विस्फोट से एगो लड़िकी घवाहिल. अन्ना हजारे कहलन कि लोकपाल विधेयक से बाचे खातिर एफडीआई के बहाना बनवले बिया सरकार. कहलन कि राहुल का दखल का चलते लोकपाल विधेयक में बदलाव कर दिहल गइल. राहुल गाँधी के ई कहला पर कि एफडीआई कवनो मुद्दा नइखे, बसपा

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 1 दिसंबर) देश बियफे का दिने हंगामा का बीच शुरू भइल आंध्र विधानसभा के सत्र. खुदरा कारोबार में एफडीआई के अनुमति के फैसला पर गम्भीर राजनीतिक संकट में पड़ल कांग्रेस अपना सहयोगियन के पटावे में लागल बिया. मप्र विधानसभा में चउथको दिने अविश्वास प्रस्ताव पर चरचा जारी रहल. बीएसएफ बियफे का दिने छावला कैम्प

बिहार के खबर

(बियफे, 1 दिसंबर) मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि बिहार में खुदरा रिटेल में विदेशी निवेश के मंजूरी ना दिहल जाई. बिहार में भारत बंद के असर मिलल जुलल रहल. आजु खुदरा रिटेल में विदेशी निवेश के खिलाफ भारत बंद के गोहार सगरी विपक्ष लगवले रहुवे. पूर्वी चंपारण के विष्णुपुर गाँव से एगो नक्सली विजय प्रसाद

उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 1 दिसंबर) इलाहाबाद उच्च न्यायालय फैसला दिहले बा कि स्थानीय निकायन के कार्यकाल ओकरा अध्यक्ष के शपथ दिअवला का दिन से गिनल जाई. एह बारे में एगो याचिका में कहल गइल रहे कि कार्यकाल पहिला बईठक का दिन से गिनल जाव. अदालत ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि. राज्य सरकार सगरी विश्वविद्यालयन के निर्देश

बिहार के खबर

(बुध, 30 नवंबर) सोनपुर मेला में भईंसियन के फैशन परेड मनोज पाठक पटना, 29 नवंबर (आईएएनएस)|. अब ले रउरा फैशन परेड में मरदे भा मेहरारुवने के बिल्ली चाल चलत देखले सुनले होखब बाकिर अबकी बिहार का मशहूर सोनपुर मेला में सजल धजल भईंसियन के फैशल परेड दर्शकन के ताली जम के बिटोरसलि. एह फैशन परेड

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 30 नवंबर) 65 लाख रुपिया के चंदा से बनल आजमगढ़ में ‘ज्ञान के पुल’ अबु जफर आजमगढ़ (उत्तर प्रदेश), 30 नवंबर (आईएएनएस)| आजमगढ़ जिला में एगो नदी पर गाँव के लोग अपने में चंदा बिटोर के एगो पुल बना लिहल जवना से गाँव के लड़िका बाहर कस्बा जा के बढ़िया पढ़ाई कर सकसु. आजमगढ़

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 30 नवंबर) देश राष्ट्रपति के पुणे ले जाए वाला जहाज तकनीकी गड़बड़ी से 55 मिनट देरी से उड़ल. भाजपा अध्यक्ष बियफे का दिने सहारनपुर से ‘भाजपा लाओ देश बचाओ’ अभियान के शुरूआत करीहें. मणिपुर का राजधानी इम्फाल में संगाई महोत्सव का प्रवेश द्वार पर एगो बम फटला से एक आदमी के जान चल गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल, 29 नवंबर) सोमार का दिने बसपा के दलित पिछड़ा भाईचारा सम्मेलन संबोधित करत मुख्यमंत्री मायावती कहली कि राज्य में कबहियो चुनाव के एलान हो सकेला. कांग्रेस पार्टी के लोग हाथी के सपना देख डेराइल बा. राहुल गाँधी के विदेशी दोस्तन खातिर देश में खुदरा व्यापार में विदेशी निवेशकन के नेवतल जात बा जवना से

Older Posts›› ‹‹Newer Posts