web analytics

बिहार के खबर

(अतवार, 11 दिसम्बर) बिहार में गन्ना के दाम में हर क्विंटल पर बीस रुपिया के बढ़ोतरी मिल मालिकन से बतिया के सरकार कर दिहलसि. गन्ना मंत्री अवधेश कुशवाहा कहले बाड़न कि बंद चीनी मिलन के चालू करावे के भरसक कोशिश कइल जा रहल बा. समूचा राज्य में जाड़ा आ कुहासा से जनजीवन अस्तव्यस्त होखे लागल … Read more

 55 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 11 दिसम्बर) बसपा सांसद धनंजय सिंह के हत्या के एगो पुरान मामिला में अतवार का दिने लखनऊ में गिरफ्तार कर लिहल गइल. धनंजय एकरा के सरकार के साजिश बतवले बाड़न. लखनऊ में राहुल गाँधी अतवार का दिने इस्लामिक संस्थान के प्रमुख मौलाना राबे हसन नदवी से भेंट कइले. रालोद नेता अजित सिंह सोनिया गांधी … Read more

 66 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 11 दिसम्बर) देश छत्तीसगढ़ के दूर-दराज इलाकन में सड़क बनावे खातिर राखल 3000 करोड़ रुपिया के इस्तेमाल कई साल से नइखे हो पावत काहे कि विकास आ मानवता विरोधी नक्सलियन के आतंक का चलते कवनो ठेकेदार काम करावे के तइयार नइखे होखत. जिंदगी के तरह तरह के रंगन के अपना कैनवास पर जियतार करे … Read more

 74 total views

बिहार के खबर

(शनिचर, 10 दिसम्बर) आरा सदर अस्पताल के तीन गो नर्सन के शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल जब स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी चौबे का दौरा घरी कुछ परिजन ओह लोग का खिलाफ घूस लेबे के शिकायत कइलें. अस्पताल के चिकित्सिका मधुबाला सिन्हा आ दू गो अउरियो नर्सन के निलंबित कर दिहल गइल. सिवान के हुसैनगंज … Read more

 42 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 10 दिसम्बर) राज्य के सगरी मण्डल मुख्यालयन पर पेंशन अदालत आयोजित करे के निर्देश दिहल गइल बा आ पेंशन से जुरल सगरी मामिला के जानकारी वेबसाइट पर डाले के कहल गइल बा. शनिचर साँझ लागल पूर्ण चन्द्र ग्रहण रात के एगारह बजे खतम भइल. एह दौरान श्रद्धालु लोग अन्न जल ग्रहण ना कइल आ … Read more

 58 total views,  5 views today

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 10 दिसम्बर) देश कोलकाता अग्निकांड के न्यायिक जांच करावे के एलान कइली मुख्यमंत्री ममता बनर्जी. कोलकाता अग्निकांड त्रासदी के अपना तरीका से सम्हारे खातिर प्रणब मुखर्जी ममता बनर्जी के प्रशंसा कइलना. ममता बनर्जी काल्हु घंटनो ओहिजा एगो फेंड़ का नीचे प्लास्टिक के कुर्सी पर बइठ के हालात सम्हारे में लागल रहली. राजस्थान के ऊर्जा … Read more

 85 total views

सचिवालय सहायक आ टीईटी परीक्षा

सचिवालय सहायक समेत अनेक पद खातिर पीटी परीक्षा अठारह दिसम्बर के करावल जाई. एह खातिर राज्य भर में सात सौ तिरसठ गो केन्द्र बनावल गइल बा जहवाँ कुल तीन लाख छियासी हजार परीक्षार्थियन के इन्तिहान लिहल जाई. बीस आ इकइस दिसम्बर के होखे वाला टीईटी परीक्षा खातिर हेल्पलाइन नम्बर जारी कइल गइल बा जहवाँ से … Read more

 57 total views

बिहार के खबर

(बियफे, 8 दिसंबर) सोनपुर मेला के काल्हु विधिवत समापन कर दिहल गइल. एह समारोह में भूमि सुधार मंत्री रमई राम आ श्रम संसाधन मंत्री जनार्दन सिहं सिग्रीवाल मौजूद रहलन. पूर्वी चंपारण के मोतिहारी में पुलिस पताही के दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कइलसि. सचिवालय सहायक समेत अनेक पद खातिर पीटी परीक्षा अठारह दिसम्बर के करावल … Read more

 55 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 8 दिसंबर) झारखंड में कोयला किंग कहाये वाला सुरेश सिंह के बुध का रात गैंगवार में हत्या कर दिहल गइल. पन्द्रह साल से कोयला के कारोबार पर वर्चस्व बनवले सुरश सिंह के भतीजी के शादी बलिया के विधानपार्षद रविशंकर सिहं उर्फ पप्पू सिंह के भाई से भइल बा, एह नाते सुरेश सिंह के संबंध … Read more

 46 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 8 दिसंबर) देश राजस्थान के भंवरी अपहरण आ हत्या मामिला में भँवरी के मरद अमरचंद के गिरफ्तार कर लिहल गइल जे ओकरा अपहरण आ हत्या के आरोप मंत्री महिपाल मदेरणा पर लगवले रहुवे. सीबीआई के कहना बा कि अमरचंद ठीक से आ सही जबाब नइखे देत आ भागे के कोशिश कइलसि एहीसे ओकरा के … Read more

 83 total views

बिहार के खबर

(बुध, 7 दिसंबर) बिहार लोकायुक्त विधेयक विधानसभा में पारित हो गइल. राज्यपाल से अनुमति मिलला का बाद ई कानून बन जाई. किशनंगज जिला के कोचाधामन इलाका में एगो बैंक से मंगल का देर रात 20 लाख रुपिया से बेसी के चोरी हो गइल.  30 total views

 30 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 7 दिसंबर) यूपी में राहुल के जनसम्पर्क अभियान के दुसरका दौर अब 13 दिसम्बर से शुरू होखी. राज्य सरकार के सैनिक कल्याण खातिर संवेदनशील बतवली मुख्यमंत्री मायावती. लखनऊ में बुध का दिने एगो निजी डेंटल कॉलेज के बस नहर में गिरला से ओह पर सवार तीन लोग के मौत हो गइल. बरेली जिला में … Read more

 80 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 7 दिसंबर) देश राज्य सरकार का पसंद के लोकायुक्त बहाल करे से कर्नाटक राज्यपाल के इंकार पर भाजपा नाराजगी जतवलसि. हिमाचल प्रदेश के एगो बौद्ध मठ से जनवरी में जब्त भइल सात करोड़ रुपिया के विदेशी मुद्रा का मामिला में दायर आरोप पत्र में तिब्बती धार्मिक प्रमुख आ 17वाँ करमापा उग्येन त्रिनले दोरजी के … Read more

 85 total views

बिहार के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) खगड़िया जिला के चौथम थाना इलाका में माली ग्राम पंचायत से उपचुनाव करा के लवटत एगो सहायक पुलिस निरीक्षक के उनुके पिस्तौल छीन के गोली मार दिहल गइल. औरंगाबाद जिला के टंडवा थाना इलाका में सोमार का रात नक्सलियन आ पुलिस का बीचे गोलीबारी भइल बा. बाकिर केहु के हताहत होखे के … Read more

 40 total views

उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) कांशीराम नगर जिला में आजु मंगल का दिने रोडवेज बस आ ट्रक का टक्कर में छव गो सवारियन के मौत हो गइल आ सतरह गो घवाहिल हो गइलें. महाराजगंज जिला में सशस्त्र सीमा बल अउर पुलिस मिल के एगो नेपाली तस्कर के करीब 10 लाख रुपिया के चरस का साथे गिरफ्तार कर … Read more

 65 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 5 दिसंबर) देश भारत, जापान अउर अमेरिका का बीच तितरफा बातचीत 19 दिसम्बर के वाशिंगटन में होखे वाला बा जवना में एशिया प्रशांत इलाका के ढेरहन मुद्दन पर बातचीत होखी. विधानसभा में धान के बोरी लिहले चहुँपले एगो विधायक. एह चलते विधानसभा में नियुक्त तीन गो पुलिस अधिकारियन के मुअत्तल कर दिहल गइल. आंध्र … Read more

 65 total views

बिहार के खबर

(अतवार, 4 दिसंबर) पटना के सुपर 30 के गुरु आनंद कुमार के दुनिया के 20 गो माथ शिक्षकन का सूची में लंदन के प्रतिष्ठित पत्रिका ‘मोनोकल’ शामिल कइले बिया. पूर्वी चम्पारण आ औरंगाबाद जिलन में दू गो अलग अलग हमला में नक्सली उतपाती एगो कंपनी के दू गो मोबाइल टावरन का लगे जेनरेटर रूम आ … Read more

 56 total views,  5 views today

उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 4 दिसंबर) प्रदेश विधान सभा के सगरी सीट लड़े के दावा करत अमर सिहं के लोकमंच के कहना बा कि ऊ 150 सीट पर खास जोर लगाई. मुलायम सिंह के बेटा प्रतीक यादव के काल्हु सैफई में भइल शादी में बहुते दिग्गज हस्ती लोग चहुंपल. काल्हु सोमार का दिने लखनऊ में भाजपा नेत्री उमा … Read more

 35 total views

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 4 दिसंबर) देश कश्मीर में निकाय चुनाव चाहत बाड़न पीडीपी के मुफ्ती मोहम्मद. कहलन कि उमर अब्दुल्ला राज्य में निकाय चुनाव ना करवा के लोकतंत्र खतम कइल चाहत बाड़न. तमिलनाडु के एगो मंत्री के कहना बा कि जयललिता पर झूठ दोस लगावे वाला स्टालिन के एकर सजाय भुगते पड़ सकेला काहे कि उनुका पर … Read more

 112 total views

बिहार के खबर

(शनिचर, 3 दिसंबर) मुजफ्फरपुर-मोतिहारी रेलखंड पर शुक के देर रात पिपरांहा हॉल्ट आ कांटी टीसनका बीच एगो सवारी गाड़ी में लूटपाट का साथे मारपीट कइल गइल. एहमें पाँच गो सवारी घवाहिल हो गइले. बिहार के अनेके पंचायत के खाली जगहन के भरे खातिर आजु राज्य के बहुते जिला में उपचुनाव करावल गइल. वोट के गिनिती … Read more

 31 total views