web analytics

पैरालिम्पिक खेलन में पदक अतना कि पप्पू के पादल बन्द हो गइल

टोक्यो में होखत पैरालिम्पिक 2020 में आजु भारत का नामे दू गो अउर पदक आ गइल आ अबकी का खेल में अबहीं ले 19 गो पदक जीते के रिकार्ड बन गइल. आए दिन तरह तरह के उलजलूल पादे वाला पप्पू अब पदक जीते वाला खिलाड़ियन के बधाई दिहले बन्द कर दिहलसि. हो सकेला कि ओकरा … Read more

 189 total views

ममता के जान में जान आ गइल

आखिरकार निर्वाचन आयोग ममता सरकार के निहोरा मानत पश्चिम बंगाल के तीन गो विधानसभा सीटन पर उपचुनाव करावे के एलान करिए दिहलसि. अब विधायकी के चुनाव हरला का बावजूद सगरी नैतिकता आ मर्यादा ताखा पर राखत मुख्यमंत्री का कुरसी पर विराजमान ममता बनर्जी बरकरार रह सकीहें. काहें कि उऩुका परम्परागत सीट भवानीपुर से उनुका हारे … Read more

 141 total views

टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 में भारत के 17 पदक

टोक्यो पैरालिम्पिक्स 2020 से पहिले भइल कुल पैरालिम्पिक में भारत के कुल 12 गो पदक मिलल रहुवे. बाकिर अबकी का पैरालिम्पिक में भारत कुल 17 गो पदक आजु 4 सितम्बर ले जीत चुकल बा आ अउरी पदक जीते के आस अबहीं टूटल नइखे. टोक्यो पैरालिम्पिक्स 2020 में भारत के कुल 17 गो पदक में 4 … Read more

 161 total views

महामहिमन के शिकायत बा कि लोग बोल कइसे लेत बा

लोकतंत्र के मर्यादा होखेला कि तंत्र लोक का अधीन होखे बाकिर सचाई इहे बा कि तंत्र भरपूर कोशिश में रहेला कि लोक ओकरा अधीन होखे.अपना देश के न्यायपालिका अपना के सबले ऊपर मानेला. ओकरा पर कवनो बंधन केहू ना डाल सके आ हालात अइसन हो गइल बा कि अब न्यायो के बंधन नइखे रहि गइल … Read more

 161 total views

मीडिया के अजगरन का बीच के चन्दन ना रहलें

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया 2078 विक्रमी) राष्ट्रवादी पत्रकार, अंग्रेजी दैनिक द पायनियर के संपादक, आ दू बेर के राज्यसभा सांसद चन्दन मित्रा के बुध का देर राति (2 सितंबर 2021) कुछ दिन से चलल आ रहल बीमारी का चलते गंगा लाभ हो गइल. 12 दिसंबर 1955 के जनमल चन्दन मित्रा अगस्त 2003 से अगस्त … Read more

 123 total views

हेहर बिडेन गलती ना मनीहें

Official Portrait of US President

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) अफगानिस्तान से भागे का हड़बड़ी में बहुते गलती कर चुकला का बावजूद अमेरिका के राष्ट्रपति जो बिडेन आपन गलती माने के तइयार नइखन. अबहियों कहत बाड़न कि जवन कइलन, सही कइलन. अबहियों जवन अमेरिकी नागरिक अफगानिस्तान में अपना मर्जी से रुकल बाड़न उनुको के निकाल ले आवे … Read more

 146 total views

शीतलनाथ शिव मंदिर पूजा अर्चना ला खुल गइल

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) जम्मू कश्मीर के आतंकियन का डर से आ ओहनी के हमलन में क्षतिग्रस्त हो चुकल शीतलनाथ शिवमन्दिर के 26 बरीस बाद फेर से पूजा अर्चना करे ला खोल दीहल गइल बा. कश्मीर के राजधानी श्रीनगर में बनल एह एतिहासिक मन्दिर में काल्हु केंद्रीय राज्य मंत्री प्रह्लाद सिंह … Read more

 150 total views

टोक्यो पैरालिम्पिक में पदक जीते के दौर बरकरार

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) टोक्यो पैरालिम्पिक में पदक जीते के दौर बरकरार राखत भारत के मरियप्पन थंगावेलू पुरुष ऊंची कूद में 1.86 मीटर के ऊँचाई पार कर के रजत पदक जीत लिहलें. शरद कुमार एही प्रतियोगिता में 1.83 मीटर के ऊँचाई पार कर के कांस्य पदक जीतलन. मंगले का दिने भारत … Read more

 161 total views

हिन्दू अपना बेटियन के सम्हार के रखसु

(टटका खबर, मंगल, भादो अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) जमीयत उलेमा-ए-हिंद के प्रमुख मौलाना अरशद मदनी काल्हि एगो बयान जारी करि के कहलन कि गैर-मुसलमानन लोग के चाहीं कि अपना बेटियन के को-एजुकेशन में मत पढ़ावसु. काहेंकि को-एजुकेशन में पढ़े वाली लईकियन के बहके के पूरा अनेसा होला आ एकरा खातिर बहकावे वाला लइकन के मारल … Read more

 147 total views

टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल

(टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल. दू गो स्वर्ण, चार गो रजत आ एगो कांस्य पदक मिला के कुल्ह सात गो पदक अबहीं ले भारत का हिस्से आइल बा. आ एह पदकन के जीते में कई गो रिकार्डो बनल आ टूटल … Read more

 135 total views

तृणमूलिया विधायक पर जानलेवा हमला

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल के बैरकपुर में स्टेशन का प्लेटफार्म का लगे बनल हनुमान मन्दिर के पुनर्निर्माण खातिर मिलल चंदा के इस्तेमाल इलाका के लोगन खातिर बाँटे के सिफारिश करे चहुँपल तृणमूलिया विधायक राज चक्रवर्ती पर कुछ लोग जानलेवा हमला कर दिहलसि आ केहू तरह विधायक के सही … Read more

 138 total views

बलिया में तेल भंडार होखे के खबर गलत

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी) बलिया शहर के हैबतपुर में जमीन का नीचे कच्चा तेल के भंडार मिले के खबर के झूठियावत ओएनजीसी साफ कहले बा कि अइसनका मीडियो रिपोर्ट एकदम वाहियात बा आ अइसनका कवनो खोज के खबर से ओएनजीसी के कवनो नाता नइखे. जान जाईं कि दू दिन पहिले … Read more

 156 total views

इस्लामिक आतंकियन के जो बिडेन के गीदड़ भभकी

Official Portrait of US President

(टटका खबर, शुक, भादो अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी) अफगानिस्तान से आपन जान बचावत बाकिर इज्जत गँवावत हटल अमेरिका अब अपने चाल में अझूरा गइल बा. राहत के बाति बा कि पाकिस्तान के नाराजगी का डर से अमेरिका भारत के सेना के अफगानिस्तान में ना आवे दिहलसि आ भारत फजीहत से बाच गइल बा. अब अफगानिस्तान … Read more

 206 total views

पौने तीन साल बाद जजन में सहमति बनल नया जज बहाली के

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) पिछला पौने तीन बरीस से सुप्रीम कोर्ट में नया जज बहाल करे खातीर अनुशसा करे वाली कॉलेजियम केंद्र सरकार के नौ गो नाम भेजलसि आ सगरी नाम पर केन्द्र आपन सहमति दे दिहलसि. जान जाईं कि दुनिया में अनूठा जज बहाली करे के तरीका भारत के जज … Read more

 160 total views

कोरोना कहर में कमी देखत आजु से बिहार खोल दिहलें नीतीश कुमार

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) केरल में कोरोना के कहर बरकरार रहला का बावजूद बाकी देश में कोरोना में कमी आइल बा. बिहारो में कोरोना अब काबू में आ गइल तउकत बा आ ई देखि के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु 26 अशस्त से एक महीना ले, माने कि 25 सितम्बर तक लागू … Read more

 135 total views

रामभक्त कल्याण सिंह के परलोकगमन

भारतीय जनता पार्टी के पुरनिया नेता, उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री आ राजस्थान अउर हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल रहल कल्याण सिंह काल्हु राति सवा नौ बजे लमहर बीमारी का बाद 89 बरीस का उमिर में परलोक यात्रा पर निकल गइलें.पिछला करीब दू महीना से ऊ लखनऊ के संजय गांधी स्नातकोत्तर आर्युविज्ञान संस्थान में भरती रहलें आ … Read more

 138 total views

गलथेथरई करत बाड़न राहुल गाँधी

दिल्ली के एगो बलात्कार पीड़िता सुकन्या के पहचान उजागर करे के आरोपी कांग्रेस नेता राहुल गाँधी अब गलथेथरई पर उतर आइल बाड़न. टूटकिट मामिला में ट्वीटर के दखलंदाजी के बड़ाई करे वाला कांग्रेस अब ट्वीटर का खिलाफ बोलत बिया. कानून का मुताबिक कवनो बलात्कार पीड़िता सुकन्या के पहचान उजागर कइल अपराध मानल जाई. राहुल गाँधी … Read more

 177 total views

टटका खबर, बियफे, सावन अँजोरिया चउथ, 2078 विक्रमी

सुप्रीम कोर्ट के वकील अश्विनी उपाध्याय, जे संजोग से भाजपो के नेता हउवें, के काल्हु दिल्ली के अदालत से जमानत मिल गइल. दिल्ली पुलिस के वकील कवनो सबूत ना पेश कर सकलें उनुका खिलाफ. जान जाईं कि मौलाना साद, अमानुल्लाह खान, जामा मस्जिद के इमाम, किसान आन्दोलन का टेंट में बलात्कारियन के, आ शाहीन बाग … Read more

 156 total views

भाजपा के राज में डेराइल आ सहमल रहो हिन्दू

(टटका खबर, मंगल, सावन अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी) केन्द्रीय गृह मंत्री का नियन्त्रण में रहे वाली दिल्ली पुलिस देश के हिन्दुवन के संकेत दे दिहलसि कि हिन्दुवन के डेरा के आ सहमि के रहे के चाहीं. ना त भुगते खातिर तइयार रहो. हिन्दू संत के गरदन काटे के बात करे वाला आ शाहीन बाग में … Read more

 179 total views

ईमाम का हुड़की से हड़क गइल एनडीटीवी

(टटका खबर, सोमार, सावन अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) अपना के एगो दमदार चैनल बतावे वाला एनडीटीवी चैनल एगो शरजील उस्मानी का धमकी से अतना डेरा गइल कि आपन ट्वीट हटा लिहलसि. एनडीटीवी के ट्वीट में एगो मुसलमान के कोरोना टेस्ट करावत देखावल गइल रहुवे जवना का बाद अनेके शांतिदूत ओकरा के हीक भर गरियवले आ … Read more

 167 total views