राजनीति
मोदी सरकार में मंत्री ना बनावल गइला पर छिरियाइल यशवन्त सिन्हा के कहना बा कि नीतीश कुमार नामे भर के मुख्यमंत्री रहीहन बिहार के. भाजपा उनुका के तबले निचोड़ी जब ले ऊ बजान परान के नइखन हो जात. आजु थोड़ही देर बाद नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के किरिया लेबे जात बाडन. आजु होखे वाला किरिया
बिहार में महाराष्ट्र राज आवे के अनेसा बनि गइल बा. काल्हु सुदर्शन टीवी छोड़ सगरी चैनलन पर आइल एक्जिट पोल में तेजस्वी के सरकार बने के उमेद देखावल गइल बा. अगर तेजस्वी के सरकार आ गइल त बिहारो में महाराष्ट्र राज आ जाई काहे कि एहू सरकार का पिछवाड़ा में राकांपा आ शिवसेना के रणनीतिकार
अब बिहारो में महाराष्ट्र राज आवे के संकेत मिल गइल बा. एक्जिट पोल में करीब करीब हर चैनल पर राग तेजस्वी सुने के मिलत बा. एगो अकेला चैनल सुदर्शन टीवी बावे जवन अबहियों कहत बा कि बिहार में राजग के सरकार फेर बने जा रहल बा. अब सही खबर त दस तारीख का पहिले मिले
पचासो से अधिका साल राजनीति में धुरंधर रहल आ छह गो प्रधानमंत्रियन के सरकार में मंत्री रहल रामविलास पासवान के काल्हु बियफे का दिने हृदय रोग से निधन हो गइल. अबहीं पिछला शनिचर के उनुका हृदय पर शल्यक्रिया कइल गइल रहुवे बाकिर ऊ एह बीमारी से छुटकारा ना पा सकलें. अपना पापा के मौत के
जबसे यूपी का हाथरस में देश विरोधी गिरोहन के एगो मौका लउकल बा तबसे देश विरोधी गिरोह पूरा ताकत झोंक दिहले बाड़ें एह मामला पर आग लगावे खातिर. बाकिर देश आ खास क के यूपी के लोग एह देश विरोधी-अपराधी-मजहबी साजिश के बढ़िया से जान ले लें बाड़ें जवना चलते ईहो साजिश तार-तार होखे जा
काल्हु हाथरस के विवादित मामला पर विवाद बढ़ावे के नौटंकी करत कांग्रेसी नेता राहुल आ प्रियंका पीआर एजेन्सी का इशारा पर एगो अइसन नौटंकी कर बइठलें जवना से राहुल गाँधी के बचकानापन सभका सोझा आ गइल. पहिले त ई लोग देश में गैर भाजपा शासित राज्यन में होखे वाला बलात्कारन पर चुप्पी साध लेलें आ
बिहार विधानसभा चुनाव के एलान होखला का साथही चुनावी बेंगन के टरटराइल शुरु हो गइल बा. तरह-तरह के आकलन आवे लागल बा बाकिर एह टरटराहट में जवन एक बाति साझा लउकत बा ऊ ई कि अबकी के चुनाव भाजपा के अगुअई वाला राजग का पक्ष में तय बा. लोग नीतीश से नाराजो बा बाकिर अतना
कोरोना महामारी के पसार का बीचे पड़ल बिहार विधानसभा चुनाव 2020 के टारल ना गइल आ कुछ राजनीतिक गोल के माँग नकारत चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. काल्हु के एलान का साथही बिहार में आचार संहिता लागू हो गइल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा नयी दिल्ली में पत्रकारन का सोझा
विरोध जब खाली विरोध का नाम पर होखे लागे, बिना सोचले विचरले होखे लागे त उहे होला जवन आजु खेती से जुड़ल बिल पर हो रहल बा. विपक्ष के त बस विरोध करे के बा. हँ सरकार में शामिल शिरोमणि अकाली दल के अकेला मंत्री हरसिमरत कौर बादल के एह मुद्दा के बहाना बना के
बरीस 1979 में आइल फिलिम जनता हवलदार के एगो गाना आजु बहुते याद आइल. ओह गीत के लिंक नीचे देले बानी. गीत के एगो पंक्ति रहुवे – हमपे इल्जाम है यह, चोर को क्यों चोर कहा काहे सही बात कही, काहे ना कुछ और कहा. एह गीत के याद करे के मौका दिहली सदी के
बलिया जिला के सिताबदियारा में 30 जून 1956 के जनमल, बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय से पढ़ल, कई एक पत्र-पत्रिका-अखबारन में संपादक, उपसंपादक, पत्रकार रहल, चन्द्रशेखर अतिरिक्त सूयना सलाहकार रहल, प्रभात खबर के संपादक रहल, जदयू के राज्यसभा सांसद रहल आ बरीस 2019 से राज्यसभा के उपसभापति रहल हरिवंश नारायण सिंह फेरु राज्यसभा के उपसभापति चुना गइलें.आजु
आजु से संसद के मानसून सत्र शुरु होखे जा रहल बा आ पहिलके दिन राज्यसभा में उपसभापति पद खातिर वोट डलिहें राज्यसभा सांसद. राज्यसभा में सत्तारुढ़ गठबन्हन का लगे कम सांसद बाड़ें बाकिर ओकर फ्लोर मैनेजर बीजू जनता दल, वाईएसआर कांग्रेस, आ तेलंगाना राष्ट्र समिति के सांसदन के वोट हासिल करे में सफल हो जइहें
हालही में राजद छोड़े के एलान कर वाला रघुवंश बाबू आजु अतवार का दिने दुनिया से प्रयाण क गइलन। कुछ दिन पहिले अस्पताले का बेड से एगो पाती लिख के रघुवंश बाबू राजद से इस्तीफा दे दिहले रहलन। लिखले रहलन कि कर्पूरी जी का गइला का बाद से ऊ हमेशा लालू का साथे खड़ा रहलन
झारखंड में भाजपा के हरवावे वाला सरयू राय अब बिहारो का राजनीति में फच्चर फँसइहें. बिहार के भोजपुर के मूल निवासी आ अब जमशेदपुर में डेरा जमवले सरयू राय के गोल भारतीय जनता मोर्चा बिहारो चुनाव में आपन प्रत्याशी उतारी. भाजमो के केंद्रीय अध्यक्ष धर्मेंद्र तिवारी शुक का दिने अपना गोल के पहिलका उमीदवार के
जस जस बिहार विधानसभा चुनाव नियरात बा तस तस छरपा-छरपी के खेल रफ्तार धइले जात बा. काल्हु पटना में जदयू मुख्यालय में मिलन समारोह क के अइसने कुछ नेतवन के जदयू में शामिल कइल गइल.एह नेतवन में मंत्री रहल आ लालू के राजद से तीन बेर राघोपुर विधायक रहल भोला राय, कांग्रेस के गोविंदपुर विधायक
बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ
लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ
NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात
आजु सबेरे कानपुर वाला विकास दूबे पुलिस के गोली से मरा गइल.बतावल जात बा कि यूपी पुलिस के दर्जन भर कारन के दस्ता विकास दूबे के ले के कानपुर ले आ गइल रहुवे जब विकास एगो पुलिस वाला के हथियार छीने के कोशिश कइलसि आ एही आपाधापी में कार पलटि गइल. एह हादसा के फायदा
कानपुर में आठ गो पुलिसवालन के खून करे वाला अपराधी विकास दूबे के आजु भोरे मध्यप्रदेश के उज्जैन में महाकाल मंदिर से गिरफ्तार कर लीहल गइल. बतावल जात बा कि विकास अपनहीं चिल्ला चिल्ला के आपन परिचय बतवलसि कि ऊ कानपुर वाला विकास दूबे ह. इहो कहल जात बा कि महाकाल मन्दिर में ओकर गिरफ्तारी
Older Posts››