web analytics

नेपाल में अदालती आदेश से सरकार बदली

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी) नेपाली सुप्रीम कोर्ट अपना राष्ट्रपति के आदेश दिहलसि कि ऊ शेर बहादुर देउबा के नेपाल के प्रधानमंत्री बना दीहल जाव. बाद में देउबा नेपाल के प्रतिनिधि सभा में आपन बहुमत 30 दिन का भीतर साबित क के देखइहें. जान जाईं कि मौजूदा प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली … Read more

 93 total views

कांग्रेसो के खाता खुल गइल ब्लॉक प्रमुखी का चुनाव में

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) यूपी में कांग्रेस के नेतृत्व आजुकाल्ह प्रियंका वाड्रा का हाथ में बा. आ अपना कुशल नेतृत्व का बल पर आखिरकार ऊ कांग्रेस के खाता पंचायती चुनाव में खुलवाईए लिहली. जिला पंचायत अघ्यक्ष का चुनाव में सिफर पर सिमटल कांग्रेस आपन चार गो ब्लॉक प्रमुख जितवावे में सफल … Read more

 66 total views

अगिला संघ प्रमुख कवनो राष्ट्रवादी मुसलमान हो सकेला

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अमावस, 2078 विक्रमी) जबसे संघ प्रमुख मोहन भागवत के ऊ बयान आइल बा कि देश के हिन्दू आ मुसलमान के डीएनए एके बा तबसे हिन्दू सकपकाइल बाड़ें आ मुसलमानन में उछाह देखे के मिल रहल बा. हिन्दुवन के लागत बा कि ओह लोग के घटत आबादी आ मुसलमानन के बढ़त आबादी … Read more

 91 total views

लटकबऽ त जइबऽ बेटा, सीखऽ एह लोग से

मोदी सरकार में कुछ मंत्रियन के गलतफहमी रहुवे कि ओह लोग के हटावे भा पाँख कतरे के गुस्ताखी मोदी कबो ना करीहें. एहमें तीन गो नाम सबले खास रहुवे – रविशंकर प्रसाद, प्रकाश जावडेकर, आ रमेश पोखरियाल निशंक के. ई लोग अपना काम में लगातार नाकाबिल साबित भइला आ सोशल मीडिया पर भाजपा समर्थकन के … Read more

 42 total views

मोदी सरकार के दुसरका दौर के पहिलका मंत्रिमंडल विस्तार

मोदी सरकार के दुसरका दौर के पहिलका मंत्रिमंडल विस्तार में आजु जे लोग मंत्री पद के शपथ लीहल ओह लोग के क्रमवार नाम बा –पन्द्रह गो कैबिनेट मंत्रियन में – 1. नारायण राणे (महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री आ शिवसेना के नेता रहलें), 2. सर्बानंद सोनोवाल (असम के मुख्यमंत्री रहलें), 3. डॉ विरेन्द्र कुमार (मध्य प्रदेश के … Read more

 36 total views

आपन थूकल चाटी कि ओकर थूकल चटवाई

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) भाजपा आपन थूकल चाटी कि शिवसेना से ओकर थूकल चटवाई एह पर तरह तरह के चरचा शुरु भइला के अगिले दिन काल्हु एक दर्जन भाजपा विधायकन के विधानसभा से साल भर ला निकाल बाहर कर दीहल गइल. एह लोग पर विधानसभा में बवाल काटे के आरोप बा. … Read more

 66 total views

कलम का सहारे करिखाह कमाई करे का आरोप में राजीव शर्मा के गिरफ्तारी

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) उत्तराखंड में भाजपा सरकार के नयका मुख्यमंत्री बनिहें खटिमा विधायक पुष्कर सिंह धामी. एह राज्य के मुख्यमंत्री बने वालन में ऊ सबले कम उमिर के होखिहें. एगो सैनिक पुत्र आ संघ के पसन्द वाला नेता पुष्कर सिंह धामी में राष्ट्रीयता, सेवा भाव, आ देशभक्ति के भाव का … Read more

 47 total views

यूपी जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में सपा के मिलल शानदार सफलता

आजु करावल गइल जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में पाँच जगहा अपना जीत के परचम लहराए वाली सपा गोल देखा दिहलसि कि अगिला साल होखे जा रहल विधानसभा चुनाव में बाजी अखिलेश का हाथे लागे वाला बा. आजु के चुनाव से साबित हो गइल कि योगी आदित्यनाथ के मजगर चुनौती देबे के बेंवत अखिलेशे का लगे … Read more

 87 total views

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल … Read more

 82 total views

किसानन का नाम पर धोखाधड़ी करत मिललें साढ़े सात लाख लोग

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी) पिछला सात महीना से अधिका समय से किसानन का नाम पर आढ़तियन आ दलालन के आन्दोलन चलिए रहल बा. अब उत्तर प्रदेश में साढ़े सात लाख से अधिका अपात्र प्रधानमंत्री किसान निधि के सम्मान राशि अपना खाता में मँगवावत मिलल बाड़न. अब एह लोग से वसूली होखी … Read more

 57 total views

ओवैसी के बात कटलन राजभर

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी) यूपी से सौ सीट पर लड़े के ओवैसी के एलान के खंडन करत सुभासपा गोल के मुखिया ओमप्रकाश राजभर के कहना बा कि अबहीं ले भागीदारी मोर्चा में सीटन के बँटवारा पर कवनो फैसला नइखे भइल. एहसे ओवैसी के एलान महज उनुकर मनसा बतावत बा कि ऊ … Read more

 76 total views

सपा धिरवलसि कि अब यूपी में खेला होई

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) यूपी में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव का तइयारी में कारसेवकन पर गोली चलवावे वाली, काँवड़ यात्रा रोकवावे वाली, मंदिरन पर से लाउडस्पीकर उतरवावे वाली सपा अपना विरोधी वोटरन के धिरावल शुरु कर दिहले बिया कि अब यूपी में खेला होई. ओकर इशारा बंगाल का तरफ … Read more

 62 total views

अब रामजी तय करसु कि ऊ हनुमान के का करीहें

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी) अपना बाबूजी रामविलास पासवान के बनावल लोक जनता पार्टी पर चाचा के कब्जा होखत देखि परेशान चिराग पासवान कहले बाड़न कि अब ई भाजपा के सोचे के बा कि ऊ केकर सहजोग करी. अबहीं ले त ऊ हर मुद्दा पर भाजपा के समर्थन करत आइल बाड़न जबकि … Read more

 60 total views

इटावा जिला पंचायत अध्यक्ष के पद सपा निर्विरोध जीतलसि

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी) तीन जुलाई के होखे जा रहल उत्तर प्रदेश के जिला पंचायतन के चुनाव में सपा गोल के उमीदवार आ अखिलेश यादव के चचेरा भाई अभिषेक यादव उर्फ अंशू का खिलाफ केहू परचा दाखिल करे के हिम्मत ना कइल.कुल 75 गो जिला पंचायतन में से 17 गो जिलन … Read more

 52 total views

कबाड़ ल अगर कबाड़ सकऽ

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी) देश के केंद्रीय कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद अपना कमजोरी के सुबूत देत काल्हु घिघियात लउकलें जब ट्विटर उनुकर अकाउंट कुछ देर ला सस्पेंड कर दिहलसि. ट्वीटर एक तरह से उनुका के आ देश के कानूनो के एक तरह से चुनौती दिहले बावे कि कबाड़ ल अगर कबाड़ … Read more

 67 total views,  1 views today

चार हाथ के दूरी आ मास्क बा जरुरी

केन्द्र सरकार साफ कह दिहलसि कि जम्मू कश्मीर के राज्य के दरजो दीहल जाई आ ओहिजा मतदानो करावल जाई बाकिर ओकरा पहिले परिसीमन के काम पूरा करावे के बा. मतदान तब करावल जाई जब ओहिजा के लोग तैयार हो जाई आ माहौल ओकरा लायक बन जाई.जम्मू कश्मीर के भावी का बारे में बतियावे खातिर प्रधानमंत्री … Read more

 51 total views,  1 views today

टटका खबर, बियफे, जेठ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

बतिआएब बाकिर हमरे कहल माने के होखी किसानन के नाम पर फर्जी आन्दोलन चलावत नेतवन का तरह कश्मीर के गुपकारो नेतवन के कहना बा कि केन्द्र सरकार ओह लोग के कहल माने तबे बतियवला के कवनो मतलब बा. महबूबा मुफ्ती के कहना बा कि पाकिस्तानो से एह बारे में बतियावल जरुरी बा. आजु पीएम आवास … Read more

 111 total views,  1 views today

बइठक त हो गइल बाकिर बोलावल के

राकांपा नेता शरद पवार का दिल्ली वाला निवास पर आजु देश के विरोधी गोलन के बइठक त हो गइल बाकिर भरम साफ करे के पड़त बा कि बइठक बोलवले के रहुवे. कांग्रेसी गोल के शिकायत बा कि एह बइठक में ओकरा के ना बोलावल गइल रहुवे आ ई गैर-भाजपा गैर-कांग्रेसी गठजोड़ बनावे के शरद पवार … Read more

 45 total views

देश के विरोधी गोल अब गिरोह बना के लड़ीहें

बंगाल में ममता आ तमिलनाडु में स्टालिन के जितवावे के श्रेय लेबे वाला प्रशांत किशोर का इशारा पर नाचे ला तइयार देश के विरोधी गोलन के चुनिंदा लोगन के एगो बइठक आजु मंगल का दिने दिल्ली में बोलावल गइल बा.एह बइठक के बोलावा भाजपा से निकल के तृणमूलिया बन गइल यशवंत सिन्हा के राष्ट्र मंच … Read more

 51 total views

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब … Read more

 89 total views