Go to ...
RSS Feed

राजनीति

पिछड़ा वर्ग आयोग के संवैधानिक दर्जा देबे खातिर संसद के मंजूरी

नयी दिल्ली 06 अगस्त (वार्ता). राष्ट्रीय पिछड़ा वर्ग आयोग के संवैधानिक दर्जा दिआवे वाला 123वां संविधान संशोधन विधेयक के सोमार का दिने राज्यसभा पारित कर दिहलसि. एकरा खातिर भोट करावल गइल बाकिर एकरा विरोध में एकहू वोट ना पड़ल. 145 भोट एकरा पक्ष में पड़ल. कुछ सांसद आपन संशोधन के प्रस्ताव दिहले रहलें बाकिर बाद

महाराष्ट्र के जलगांव नगर निगम आ सांगली नगरपालिका में भाजपा जीतल

जलगांव अउऱ सांगली, 03 अगस्त (वार्ता) जलगांव नगर निगम खातिर भइल चुनाव में कांग्रेस आ राकांपा के सूपड़ा साफ करत भाजपा 75 सीज में से 57 सीट जीत लिहलसि. एहिजा पिछला बेर खानदेश विकास अघाडी के जीत मिलल रहुवे आ शिव सेना के पूर्व मंत्री अउर नेता सुरेश दादा जैन पिछला 35 बरीस से सत्ता

मिले मियाँ के माँड़ ना बिरयानी के फरमाइश

नयी दिल्ली, 22 जुलाई (वार्ता). कांग्रेस के नयका अध्यक्ष बनल राहुल गाँधी के बनावल पहिलका कार्यसमिति के भइल बइठका में आजु तय कइल गइल कि अगिला लोकसभा चुनाव 2019 में मोदी के अकेले हरावे के बेंवत कवनो गोल में नइखे रहि गइल आ एकरा खातिर मोदी विरोधी सगरी गोलन के मिला जुला के एगो नया

कहीं एकरा पीछे मोदी के मारे के साजिश त नइखे

भाजपा के बड़हन नेता आ राहुल सोनिया का नाक में दम करे वाला डॉ सुब्रह्मण्यम स्वामी के कहना बा कि पीएम मोदी के स्वास्थ्य के तुरते जाँच करावल बहुते जरूरी बा आ धेयान से देखला खोजला के जरूरत बा कि उनुका देह पर कवनो महीन खरोंच त नइखे. डॉ स्वामी के कहना बा कि मोदी

बड़ बड़ भूत कदम तर रोवसु, मुआ माँगे पूआ

कोलकाता, 21 जुलाई (वार्ता) पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी केन्द्र के नरेंद्र मोदी सरकार पर सीधा हमला करत एलान कइले बाड़ी कि 15 अगस्त से ऊ “ भाजपा हटाओ- देश बचाओ” अभियान शुरू करीहें. शनिचर का दिने धरमतल्ला में तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के सालाना शहीद दिवस रैली के संबोधित करत ममता बनर्जी कहली कि

राहुल के कनखी उनुकर खेल बिगाड़ दिहलसि

शुक का दिने लोकसभा में पेश तेदेपा के अविश्वास प्रस्ताव पर आपन मोहर लगावे का बेचैन कोशिश में अपने के कांग्रेस होखे के दावा करे वाला राहुल जवन हरकत कइलन ओकरा के उनुकर पोसुआ मीडिया एगो बड़का बाति बतावे बनावे के कोशिश करिके उनुका के अगिला चुनाव में विपक्ष के चेहरा साबित करावे में कवनो

सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पर जुम्मा का दिने चरचा

नयी दिल्ली, 18 जुलाई (वार्ता). मोदी सरकार का खिलाफ तेलुगुदेशम् पार्टी (तेदेपा) का तरफ से पेश अविश्वास प्रस्ताव लोकसभा में चरचा करे ला बुध का दिने सकार लीहल गइल आ एह पर चरचा आ भोटिंग अब शुक माने जुम्मा का दिने करावल जाई. ओह दिन सदन में ना त प्रश्नकाल चली ना कवनो गैर-सरकारी कामकाज.

मोदी सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव ले आई कांग्रेस

नयी दिल्ली, 17 जुलाई (वार्ता). कांग्रेस का तरफ से आजु कहल गइल कि बुध का दिन से शुरू होखे जात संसद के मानसून सत्र में मोदी सरकार का खिलाफ ऊ अविश्वास प्रस्ताव ले के आई आ एह प्रस्ताव का साथे नाहियो त एक दर्जन गोल तइयारो हो गइल बाड़ी सँ आ कुछ अउरी गोलन के

मुस्लिम तुष्टीकरण आ हिन्दू विरोध के राजनीति करत बिया कांग्रेस

नयी दिल्ली 12 जुलाई (वार्ता). भाजपा कांग्रेस के सांसद आ ओकरा शासन में केन्द्रीय मंत्री रहल शशि थरूर के ओह बयान पर जवना में देश के ‘हिन्दू पाकिस्तान’ बने के बात कहल गइल बा, आपन तिताह टिप्पणी करत कहले बिया कि कांग्रेस फेर भारत आ भारत के लोकतंत्र के बदनाम करे आ हिन्दुअन के विरोध

मरा गइल माफिया डॉन मुन्ना बजरंगी

बागपत/लखनऊ 09 जुलाई (वार्ता). उत्तर प्रदेश के बागपत जेल में आजु सोमार का सबेरे माफिया डॉन आ शार्प शूटर प्रेम प्रकाश सिंह उर्फ मुन्ना बजरंगी के गोली मारके मुआ दीहल गइल. आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि एह मामिला के गंभीरता से लेत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दोषियन पर सख्त कार्रवाई करे के निर्देश देत घटना के

कटहर के कोआ तू खइलू, त ई मोटकी मुगरिया के खाई

सुषमा जी एह घरी बहुते नाराज बाड़ी. उनुका शिकायत बा अपने लोग से कि ऊ उनुका खिलाफ काहे बोलत बाड़ें. अगर कुछ अनेरिया बाउर बकार कइए दिहले त ओकरा के महटिआवल चाह रहुवे. बाकिर सुषमा जी त अपने लोग से नाराज हो गइल बाड़ी आ भाजपा विरोधियन का हाथे खेलल शुरु कर दिहले बाड़ी. अगर

अनेरियन से हाथ मिलइहें अब भजपो के अनेरिया

वाराणसी, 21 जून (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के उनुका गढ़ में घेरे ला स्वघोषित अनेरिया गोल आआपा भाजपा के बागी सांसद शत्रुघ्न सिन्हा अउर पहिले वित्त मंत्री रहल यशवंत सिन्हा के आपन मंच मुहैया कराई. आआपा नेता मुकेश सिंह बतावत बाड़न कि उनुकर गोल 25 जून का दिने बेनिया बाग के राजनारायण पार्क में एगो

मुस्लिम वोट बैंक बरियार करे ला राहुल दीहलें इफ्तार भोज

नयी दिल्ली, 13 जून. बतौर कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के पहिलका इफ्तार में आजु मुसलमान वोट बैंक ला लार टपकावे वाला देश के कई गो विपक्षी नेता भोज खाए चहुँपलन. संघ के कार्यक्रम में शामिल होखे गइल प्रणवो दा एह भोज में शामिल भइलें. एह भोज में शामिल खासमखास लोगन में उपराष्ट्रपति रहल हामिद अंसारी,

यूपी के पुरनका मुख्यमंत्री के खाली कइल बंगलन से गायब सामान के सूची बनी

लखनऊ, 11 जून. कानूनी सलाह लिहला का बाद उत्तर प्रदेश के राज्य संपत्ति विभाग फैसला कइले बावे कि मुख्यमंत्री रहल लोग जवन बंगला खाली कइले बा ओह में लगावल गइल सरकारी संपति के नुकसान के जांच करावल जाई. विभाग के कर्मचारी एह बंगलन से गायब भइल सामानन के सूची बनावल शुरू कर दिहले बाड़ें. सामान

अटल बिहारी वाजपेयी एम्स में भरती करावल गइनीं

नयी दिल्ली 11 जून (वार्ता) देश के प्रधानमंत्री रह चुकल आ भारतीय जनता पार्टी के पुरनिया नेता अटल बिहारी वाजपेयी जी के आजु सोमार का दिने नियमित जांच खातिर अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान चिकित्सा संस्थान (एम्स) में भरती करावल गइल बा. एम्स से से जारी बयान में बतावल गइल बा कि वाजपेयी जी के नियमित जांच

लोकसभा चुनाव से पहिले विपक्षी गठबन्हन होखे के उमीद कमे बा : येचुरी

पटना 08 जून (वार्ता). मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी के महासचिव सीताराम येचुरी आजु बतवलन कि 2019 के लोकसभा चुनाव से पहिले विपक्षी गठबन्हन होखे के उमीद कमे लउकत बा. ऊ अपना गोल के एगो कार्यक्रम में शामिल होखला का बाद ‘यूनीवार्ता’ सै ई बात कहलन. येचुरी के कहना रहे कि पहिलहूं राष्ट्रीय स्तर पर अइसन गठबन्हन

भेषभूषा से मुसलमान बनले बिना इफ्तार के भोज ना घोंटाव

पटना 08 जून. पता ना सही कि गलत बाकिर भोट का लालच में लार टपकावत इफ्तार खाए चहुँपल हिन्दू नेतवन के भेष भूषा पूरा मुसलमानी हो गइल रहेला. शायद बिना मुसलमानी भेष बनवले इफ्तार खइला से एह लोग के संस्कार ना चिन्हाइत. एह लोग का समुझ का हिसाब से मुसलमान एह देश के बाशिन्दा ना

हाल ले राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी संघ मुख्यालय पहुंचलें

नागपुर, 06 जून (वार्ता) हाल ले राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के कार्यक्रम में शामिल होखे ला बुधवार के साँझे नागपुर आ गइलें. बियफे का दिने उहाँ के रेशमीबाग में स्थित संघ मुख्यालय में आरएसएस के तिसरका साल के प्रशिक्षण शिविर (संघ शिक्षा वर्ग) के समापन समारोह के संबोधित करब. आरएसएस हर साल

उद्धव ठाकरे के मनावे ला मातोश्री पहुँचले अमित शाह

मुंबई, 06 जून (वार्ता) काल्हु रात करीब पौने आठ बजे भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह शिव सेना अध्यक्ष उद्धव ठाकरे से भेंट करे ला पश्चिमी उप नगर बान्द्रा में उद्धव का घरे मातोश्री चहुँपले. दुनु जने एहिजा देर ले बातचीत कइलें जवना में बाद में मुख्यमंत्री फणनवीस आ उद्धव के बेटा आदित्यो ठाकरे

राहुल गांधी के नेता ना मनीहें विपक्षी गोल : रामविलास

रांची 01 जून (वार्ता). केंद्रीय खाद्य अउर नागरिक आपूर्ति मंत्री रामविलास पासवान हाल का उप चुनाव में विपक्षी गोलन के मिलल सफलता का बावजूद ओह लोग पर चुटकी लेत कहलन कि कवनो विपक्षी गोल कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के आपन नेता नइखे माने जात. केन्द्र में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) सरकार के चार साल पूरा

Older Posts›› ‹‹Newer Posts