Go to ...
RSS Feed

राजनीति

यूपी सरकार विंध्याचल मंदिर के अपना कब्जा में ली

उत्तर प्रदेश के सपा सरकार मिर्जापुर में हिंदूवन के मशहूर विध्याचल मंदिर के अपना कब्जा में लेबे वाली बा. कहत बिया कि मंदिर के कामकाज देखे चलावे ला एगो ट्रस्ट बनावल जाई. देश के कई मंदिरन से होखे वाला आमदनी के ओहिजा के सरकार दोसरा धर्म का लोगन खातिर खरचा करेले. देश के कवनो मस्जिद

मेयर बने वाली देश के पहिला किन्नर के मौत हो गइल

गोरखपुर में सगरी राजनीतिक गोलन के उम्मीदवारन के हरावत साल २००० में मेयर के वुनाव जीते वाला अमरनाथ यादव उर्फ आशा देवी के मौत काल्हु इकसठ साल के उमिर में हो गइल. ढेर दिन से उनुकर किडनी खराब रहुवे आ ओकर इलाज चलत रहुवे. उनुकर आखिरी संस्कार आजु गोरखपुर में होखे वाला बा. आशा देवी

महाराजगंज उपचुनाव में ४७ फीसदी वोटिंग

महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में काल्हु सैंतालिस फीसदी वोट पड़े के खबर बा. पिछला बेर साल २००९ का चुनाव में पड़ल वोट से ई तनिके ज्यादा बा. पिछला बेर ४५.६८ फीसदी वोट पड़ल रहे. एहसे पता चलत बा कि राजनीतिक गोलन के तमाम कोशिश का बावजूद वोटरन में उछाह ना आ पावल. काल्हु २६

महाराजगंज में वौट पड़त बा

महाराजगंज से राजद सांसद उमाशंकर सिंह का निधन का बाद होखत लोकसभा सीट के उपचुनाव ला आजु वोट डलात बा. राजद एहिजा से उमाशंकर सिंह के धुर विरोधी रहल आ जदयू से राजद में आइल प्रभुना्थ सिंह के उम्मीदवार बनवले बिया जबकि उमाशंकर सिंह के बेटा जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस का टिकट पर चुनाव लड़त बाड़ें.

हडिया विधानसभा उपचुनाव के वोट आजु डलात बा

इलाहाबाद जिला के हँडिया विधानसभा सीट से सपा विधायक महेश नारायण सिंह का निधन का चलते होखे वाला उपचुनाव में आजु वोट डलात बा. तेरह जने मैदान में बाड़ें. सपा एहिजा से स्व॰ महेश नारायण सिंह के बेटा के उम्मीदवार बनवले बिया. कांग्रेस, भाजपा आ बसपो के उम्मीदवार मैदान में बाड़ें.

महाराजगंज उपचुनाव के प्रचार आजु थथम जाई

महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखे वाला चुनाव ला प्रचार आजु साँझ पाँच बजे से थथम जाई. एके साल खातिर होखत एह चुनाव के नीतीश कुमार आ लालू प्रसाद के नाक के सवाल बना दिहल गइल बा. दुनु तरफ से जीत खातिर हर दाँव खेले के तइयारी बा. बीच में कांग्रेसो आपन पूरा जोर लगवले बिया

अखिलेश के नयका मंत्री का बारे में कुछ रउरो जान लीं

यूपी के सपा सरकार पिछला दिने एगो मुल्ला मोहम्मद तौकीर रजा खान के राज्यमंत्री पद दे दिहलसि. तौकीर रजा खान के हैंडलूम विभाग में सरकार के सलाहकार बनावल गइल बा. बहुत संभावना बा कि रउरा एह आदमी का बारे में अधिका ना जानत होखब से इनका बारे में कुछ जानकारी एहिजा दिहल जनहित में लागत

बम विस्फोट के आरोपियन पर से मुकदमा हटावे वाली सपा सरकार वरुण गाँधी का खिलाफ

एक तरफ त सपा सरकार जनहित आ साम्प्रदायिक सौहार्द का नाम पर बम विस्फोट करावे के आरोपी मुसलमानन पर से मुकदमा हटावे में लागल बिया, एगो आरोपी के मौत पर ओकरा परिवार वालन के छह लाख रुपिया के मुआवजा देत बिया त दोसरा तरफ कोर्ट से रिहा हो चुकल वरुण गाँधो का खिलाफ फेर से

सरकार के हद में रहे के माँग कइले भाजपाई

भाजपा के लोग आजु लखनऊ में राज्यपाल के ज्ञापन सँउपले जवना में माँग कइल गइल बा कि सपा सरकार के सीमा में रहे के कहल जाव. आ फैजाबाद बम विस्फोट के आरोपी खालिद मुजाहिद के परिवार के छह लाख के मुआविजा देबे आ आल इंडिया इत्तेहाद-ए-मिल्लत काउंसिल के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना तौकीर रजा खां के

अखिलेश यादव के जब सिपाहिए रोक लिहलें

वाराणसी पुलिस लाइंस ग्राउंड में लैपटाप बाँट के लवटत मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कार पुलिस कल्याण समिति के प्रदेश संरक्षक बृजेन्द्र यादव पुलिस लाइन गेट पर रोक लिहले आ करीब पन्द्रह मिनट ले कार के बोनट पीटत गाड़ी के रोक रखलें. उनुका संगे पन्द्रहे गो सिपाही रहलें बाकिर मुख्यमंत्री के सुरक्षा में लागल पुलिस जवान

महाराजगंज उपचुनाव ले के पन्द्रहजने जिलाबदर

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव शांति आ बिना पक्षपात करावे ला जिला प्रशासन पन्द्रह लोग के जिलाबदर कर दिहले बा. आ सैंतीस जने के अपना थाना में सबेरे साँझ हाजिरी लगावे के आदेश दिहले बा. जिलाबदर होखे वालन में घुरापाली के राकेश सिंह भुअरा, बेलदारी गांव के खेलाड़ी राय, कोपा टंड़वा के कन्हैया सिंह, जानकी नगर कोपा

बक्सर में महर्षि विश्वामित्र के स्मारक बनावे ला धरना प्रदर्शन

कांग्रेस के छात्र संगठन एनएसयूआई के कार्यकर्ता शुक का दिने बक्सर भगत सिंह चौक पर प्रदर्शन कइलें. एह लोग के माँग बा कि बक्सर में महर्षि विश्वामित्र का नाम पर कवनो जगह के नाम राखल जाव आ ओहिजा उनुकर मूर्ति लगावल जाव. एह लोग के अउरी माँग में सदर अस्पताल के नगर अस्पताल के दर्जा

बबुआ बबुआ तू मत कहीहऽ बबुआ लगीहें बाप तोहार

आल्हा में के एगो लाइन ह कि बबुआ बबुआ तू मत कहीहऽ, बबुआ लगीहें बाप तोहार. बतीसो दाँत तूड़ब मुँहन के, मुँह में ठेसि देब तलवार. कुछ एही अंदाज में कांग्रेस के युवराज उपाध्यक्ष राहुल अपना पार्टी वालन के हड़कवले बाड़न कि माई भले सिधवा हियऽ हम ना हईं, आ हम मोलायमियत ना जानीं. से

बिहार कैडर के अधिकारी शशिकांत शर्मा कैग बनले

काल्हु बुध का दिने पिछलका कैग विनोद राय के रिटायर भइला का बाद आजु उत्तर प्रदेश के निवासी आ बिहार कैडर के अधिकारी, आ रक्षा सचिव रहल शशिकांत शर्मा कैग के शपथ ले लिहलें. शपथ लेबे के आयोजन राष्ट्पति भवन में भइल जहवाँ राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी उनुका के पद आ गोपनीयत के किरिया धरवलें. शशिकांत

दुश्मनी का बाद दोस्ती

कहल गइल बा कि दुश्मनी अइसन होखे के चाहीं कि अगर कबो फेर से दोस्त बने के माहौल बन जाव त लाज ना लागे. नीतीश कुमार के भरपूर लानत मलानत करे वाला ललन सिंह आखिरकार आपन गलती मानत नीतीश संगे सट गइलें. लखीसराय में एगो समारोह में दुनु नेता मंच पर मौजूद रहलें. ललन सिंह

यूपीए टू का डिनर से माया मुलायम नदारद

यूपीए से नाराज चलत समाजवादी पार्टी के सुप्रीमो मुलायम सिंह यादव चार साल पूरा होखे का जश्न मनावे ना चहुँपले. चहुँपे के त मायावतिओ ना चहुँपली बाकिर उनुका पार्टी के सतीश चंद्र मिश्रा आ ब्रजेश पाठक डिनर में मौजूद रहलें. सपा का ओर से केहु नजर ना आइल. एह हालात के फायदा बसपा के मिलल

बलिया के कांग्रेसी के जोनल प्रभारी बनवलसि कांग्रेस

यूपी में आपन जमीन मजबूत करे में लागल कांग्रेस बलिया के पुरान कांग्रेसी आ कांग्रेस के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के सदस्य दिग्विजय सिंह के जोन चार के जोनल प्रभारी बना दिहलसि. एह सम्मान खातिर एगो बलिया के जिलाध्यक्ष राघवेंद्र सिहं के अध्यक्षता में स्वागत समारोह भइल.

हर तरफ से निराश गुरूजी अब आपन गोल सम्हारे में लगलन

झारखण्ड मुक्ति मोर्चा के गुरुजी शिबू सोरेन के उमेद रहल कि कांग्रेस कुछ ना कुछ सहारा जरूर दी बाकिर कुछ हाथे लागत लउकत नइखे. भाजपा का साथे गठबन्हन शिबू सोरेन के बेटा हेमंत सोरेन एह उमेद में तूड़ले रहलन कि कांग्रेस से मिल के मुख्यमंत्री बन जइहन. अब झारखण्ड मुक्ति मोर्चा गोल के लोग नाराज

एबीपी नेल्सन के सर्वे में राजग के फायदा मिलत लउकत

पिछला दिने एबीपी नेल्सन के सर्वे के परिणाम एबीपी न्यूज में देखावल गइल जवना में बतावल जात बा कि राजग के २०६ सीट मिल सकेला अगिला लोकसभा चुनाव में. संप्रग के हर जगह नुकसान मिलत देखावल गइल बा आ सबले अधिका फायदा इलाकाई गोलन के मिलत लउकत बा. बिहार का मामिला में सबले मजेदार परिणाम

अखिलेश सरकार पन्द्रह गो आतंकियन पर से मुकदमा हटवलसि

मुसलमानन से कइल आपन चुनावी वादा पूरा करे खातिर कवनो सीमा ले जाए क तइयार अखिलेश यादव पन्द्रह गो आतंकियन पर से मुकदमा हटावे के फैसला ले लिहले बाड़न आ बाकी चौदह गो अउर आतंकियन पर से मुकदमा हटा लेबे के तइयारी चलत बा. अखिलेश सरकार के एह फैसला से ओह आरोपियन के अपना के

Older Posts›› ‹‹Newer Posts