Go to ...
RSS Feed

राजनीति

जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस के उम्मीदवार बनले

राजद सांसद उमाशंकर सिंह के निधन से खाली भइल महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखत उपचुनाव में स्व॰ उमाशंकर सिंह के पुत्र जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस का ओर से उम्मीदवार बनावल गइल बाड़न. आजु मंगल का दिने ऊ आपन परचा दाखिल करीहें. आजुए राजद का ओर से प्रभुनाथो सिंह परचा भरीहें. जदयू का ओर से उम्मीदवार पी॰

ब्राह्मण वोट खातिर सगरी गोल फिकिरमंद बाड़ें

यूपी में ब्राह्मण वोट के अपना पाला में बिटोरे खातिर सगरी राजनीतिक गोल फिकिरमंद हो गइल बाड़ें. बसपा पहिलही से खुलेआम ब्राह्मण जाति के गोलबंद करे में लागल बिया आ अब एह काम में समाजवादिओ पार्टी शामिल हो गइल बिया. काल्हु परशुराम जयंती का मौका पर लखनऊ में बोलावल ब्राह्मण सम्मेलन में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव

महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में पीके शाही के परचा आज

राजद सांसद उमाशंकर सिंह का निधन से खाली महाराजगंज संसदीय सीट पर होखे वाला चुनाव खातिर जदयू का ओर से बिहार के मौजूदा शिक्षा मंत्री पी के शाही आजु सोमार का दिने आपन परचा दाखिल करीहें. राजद का ओर से प्रभुनाथ सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा आ ऊ मंगल का दिने आपन परचा दाखिल

बिहार के विशेष राज्य माने खातिर विचार होखत बा

एक दिन ला बिहार आइल केन्द्रीय वित्त मंत्री पी चिदम्बरम कहलन कि कवना राज्य के कवना आधार पर विशेष राज्य के दरजा दिहल जाव एह खातिर केन्द्र सरकार रघुराम राजन के अध्यक्षता में एगो समिति बनवलेबिया जवन एकर आधार तय करी. समिति के रिपोर्ट एक महीना का भीतरे आ जाए के उमेद बा. कहलन कि

हंडिया विधानसभा सीट पर उपचुनाव खातिर पहिला परचा दाखिल

इलाहाबाद जिला के हंडिया विधानसभा सीट पर होखे जात उपचुनाव खातिर आजु पहिलका परचा दाखिल भइल. ई सीट सपा विधायक महेश नारायण सिंह के निधन से खाली भइल बा आ सपा एहिजा से उनुका बेटा प्रशान्त कुमार सिंह के टिकट दिहले बिया. भाजपा का तरफ से एह सीट पर विद्याकांत तिवारी के उम्मीदवार बनावल गइल

राजद नेता कामेश्वर सिंह मुन्ना गोल बदलीहें

अपना पार्टी से नाराज कामेश्वर कुमार सिंह मुन्ना जे पिछला चुनाव में एकमा विधानसभा से राजद उम्मीदवार का तौर पर चुनाव लड़ल रहलें अब जदयू में शामिल होखे के एलान कइले बाड़न. एह एलान से पहिले ऊ अपना समर्थकन संगे बइठक कइलें.

बम ब्लास्ट के आरोपियन पर से मुकदमा वापिस ना हो पाई

उत्तर प्रदेश के अखिलेश सरकार सपा के चुनावी वादा पूरा करे खातिर मुस्लिम आरोपियन पर से मुकदमा उठावल चाहत बिया. एही खातिर गोरखपुर सीरियल बम ब्लास्ट के दोषियन पर से मुकदमा उठावे के निहोरा कोर्ट से कइले रहुवे. बाराबंकी के अदालत सरकार के एह गोहार के नकार दिहलसि आ मुकदमा हटावे के अनुमति ना दिहलसि.

संजय दत्त के अर्जी सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि

गैरकानूनी हथियार राखे के दोषी संजय दत्त सु्प्रीम कोर्ट में अर्जी लगवले रहलें कि उनुका मामिला पर फेर से विचार कइल जाव आ उनुका के दिहल सजा माफ कर दिहल जाव. संजय दत्त के १६ मई से पहिले सरेंडर करे के बा आ अपना सजा के बाकी साढ़े तीन साल जेल में बितावहीं के पड़ी.

महाराजंगज सीट के उपचुनाव में अबकी दबंगई ना चली

राजद सांसद रहल उमाशंकर सिंह के निधन का चलते होखेवाला महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में अबकी दबंगई ना चल पाई. एह बाबत प्रशासन एक सौ पन्द्रह जने के नोटिस जारी कइले बा. एह लोग के सदर अनुमंडलाधिकारी का कार्यालय में हाजिर हो के बांड भरे के पड़ी. एह सूची में दाउदपुर के 80 आदमी, मांझी क्षेत्र

राजद समर्थक अपराधी पर हमला

सिवान के रामराज मोड़ पर बध का सबेरे कुछ अपराधी ताबड़तोड़ फायरिंग क के हुसैनगंज थाना के प्रतापपुर निवासी मुँशी मियाँ के घवाहिल कर दिहलें. खुद मुंशी मियाँ के अपराधी इतिहास रहल बा आ हालही में ऊ जमानत पर बाहर आइल बा. एह मामिला में एमएलसी के भाई वार्ड पार्षद धनंजय सिंह आ एगो अउर

कर्नाटक में वोटिंग आ पवन बंसल के इस्तीफा

कर्नाटक विधानसभा के चुनाव खातिर आजु वोट डालल जा रहल बा. सबेरही से भारी भीड़ पोलिंग बूथ पर लागे लागल रहुवे आ वोटिंग के रफ्तार तेज रहुवे. बाकिर दुपहरिया में तिक्खर घाम का चलते वोटिंग कुछ मद्धिम चाल से भइल. दू बजे ले चालीस फीसदी वोट पड़ चुकल रहुवे. विधानसभा चुनाव होखला का बावजूद एह

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव २ जून के

राजद सांसद उमाशंकर सिंह के निधन का चलते खाली भइल बिहार के महाराजगंज संसदीय सीट पर उपचुनाव २ जून के करावल जाई. एह खातिर ८ मई से १५ मई का बीच परचा दाखिल कइल जा सकी. परचा के जाँच १६ मई के होखी आ १८ मई ले नाम वापिस लिहल जा सकी. ओकरा बाद जरूरी

पिछला जनगणना के आंकड़ा से धार्मिक आंकड़ा गायब बा

शुक का दिने साल २०११ में भइल जनगणना के आधिकारिक आंकड़ा जारी कर दिहल गइल. एह आंकड़ा से धार्मिक आधार पर जनसंख्या के आंकड़ा जान बूझ के अलोप राखल गइल बा. काहे कि जानकारन के कहना बा अगर आधिकारिक आंकड़ा जारी होखी त अल्पसंख्यकन के जनसंख्या में तेज रफ्तार से होखत बढ़ोतरी आ हिंदूवन के

हंडिया विधानसभा के चुनाव

इलाहाबाद जिला के हंडिया विधानसभा सीट के उपचुनाव ओहिजा के सपा विधायक महेश नारायण सिंह का निधन का चलते २ जून के करावल जाई. एह खातिर ८ मई से १५ मई का बीच परचा दाखिल कइल जा सकी. परचा के जाँच १६ मई के होखी आ १८ मई ले नाम वापिस लिहल जा सकी. ओकरा

अमेरिका के बोस्टन हवाई अड्डा पर आजम खान के तलाशी

हावर्ड में भाषण देबे खातिर गइल मुख्यमंत्री अखिलेश का संगे गइल कैबिनेट मंत्री आजम खां के रोक के देरी ले पूछताछ कइल गइल. तमतमइला पर उनका के हड़काइयो दिहले अमेरिका के अधिकारी. एह घटना के विरोध में दुनु जने हावर्ड यूनिवर्सिटी में भाषण देबे के कार्यक्रम रद्द क के लवटे के फैसला कइले बाड़ें. आजु

गोरखपुर सीरियल ब्लॉस्ट के आरोपी पर से केस हटवला के विरोध

गोरखपुर सीरियल ब्लास्ट के आरोपी तारिक काजिमी पर से यूपी के सपा सरकार मुकदमा वापिस ले लिहले बिया. एकरा खिलाफ भाजपा जिलाध्यक्ष रामकृष्ण तिवारी के अगुआई में गोरखपपुर जं॰ का लगे मुख्यमंत्री के पुतला फूंक के विरोध दर्ज करावल गइल. एकरा पहिले सिविल लाइंस में पार्टी आफिस से रेलवे स्टेशन तक जुलूसो निकालल गइल आ

जदयू फेर भाजपा से फरका लउकल शुरू कइलसि

एने कुछ समय से जदयू कांग्रेस से गलबहिया करे का फिराक में अपना पुरान साथी भाजपा से बात बात में फरका चाल चलल शुरू कर दिहले बिया. राष्टंपति चुनाव में कांग्रेसी उम्मीदवार के वोट दिहलसि, त अब फेर कोयला घोटाला में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से इस्तीफा माँगे के भाजपा के जोर पर आपन विरोध दर्ज

सपा मंत्री बेलगाम हो गइल बाड़े

सपा सरकार के बड़ाई जन जन ले चहुँपावे का प्रोग्राम में निकलल सपा मंत्रियन के बदजुबानी के खबर से सपा के छवि अउरी खराब होखे लागल बा. राज्य के वस्त्र उद्योग मंत्री शिव कुमार बेरिया कहलें कि पुलिसवालन के औकात नइखे कि उनुका कहला बिना बइठिओ सकस्. जिन जाने उनकर बात ना मनीहें उनकर वरदी

बिहार विधान परिषद के तीन सीट खातिर उपचुनाव

विधान परिषद के तीन गो सदस्यन, रामाश्रय प्रसाद सिंह, रामचंद्र प्रसाद, आ बादशाह प्रसाद आजाद, के निधन से खाली भइल सीटन खातिर उपचुनाव करावे के अधिसूचना आजु मंगल का दिने जारी कर दिहल गइल. एह उपचुनाव खातिर २९ अप्रेल ले परचा दाखिल करे के बा. दाखिल परचन के जाँच ३० अप्रेल के कइल जाई आ

तिसरका मोर्चा बनावे का फिराक में जयललिता से भेंट कइले अखिलेश

यूपी के मुख्यमंत्ती देश में राजनीतिक गोलन के तिसरका मोर्चा बनावे का फिराक में सोमार का दिने चेन्नई जा के तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता से आध घंटा ले बतियवलें. बातचीत से का निकलल से त अबही सामने नइखे आइल बाकिर अखिलेश कहलन कि कांग्रेस आ भाजपा दुनु फेल हो गइल बाड़ी सँ आ अब एह

Older Posts›› ‹‹Newer Posts