विधानसभा
बिहार विधान मंडल के बजट सत्र आजु से शुरू होखी आ 4 अप्रेल ले चलावल जाई. आजु पहिला दिने राज्यपाल रामनाथ कोविंद दुनू सदन के संयुक्त बइठक के संबोधित क के एकर शुरूआत करइहें. भाजपा के नेतृत्व वाला विपक्ष कानून व्यवस्था, किसानी के समस्या आ अउरियो मुद्दन पर आपन आवाज उठाई. आम बजट 26 फरवरी
बिहार के मधुबनी जिला के हरलाखी सीट से चुनाइल रालोसपा विधायक के मरला का चलते खाली भइल सीट पर होखे जात उपचुनाव ला परचा दाखिला के काम अजु पूरा हो गइल. काल्हु परचन के जाँच होखी आ 30 जनवरी ले लोग आपन परचा वापिस करा सकी. ओकरा बाद 13 फरवरी के वोटिंग का बाद 16
बिहार में पहिले मंत्री रहल नरेंद्र सिंह आ सम्राट चौधरी के विधान परिषद के सदस्यता बुध का दिने खतम करे के फैसला परिषद के सभापति अवधेश नारायण सिंह सुना दिहलन. एह से पहिले मंत्री रह चुकल महाचंद्रो प्रसाद सिंह के सदस्यता अइसहीं खतम क दीहल गइल रहुवे. एगो दोसरो मंत्री रहल मंजर आलम अपनहीं इस्तीफा
बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद काल्हु दुपहरिया से पहिले विधानमंडल के दुनू सदनन के संबोधित करीहें. एह अभिभाषण के सीधा प्रसारण आकाशवाणी पटना से कइल जाई आ बिहार के सगरी आकाशवाणी केन्द्र एकरा के रिले करीहें.
बिहार विधानसभा के जाड़ावाला सत्र आजु शुरु हो गइल. सबसे पहिले राज्यपाल रामनाथ कोविंद कांग्रेस के पुरनिया विधायक सदानंद सिंह के प्रोटेम स्पीकर पद के किरिया धरवलें आ ओकरा बाद स्पीकर सदानंद सिंह राज्यपाल के धन्वाद दिहलन. एकरा बाद नयका विधायकन के अभिनंदन करत सत्र के शुरुआत कइल गइल. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बहुमत पावे
यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के तोस देत पीएम मोदी के कहना बा कि एह मसला पर हाई कोर्ट के फैसला आवे दीहल जाव आ ओकरा बाद रास्ता निकाल लीहल जाई. घबड़ाए जिन लोग. शुक का दिने वाराणसी के यात्रा पर आइल पीएम मोदी अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के पूरा बदल देबे के
चुनाव के पाँच चरण में करावल जाई. पहिला दौर खातिर अधिसूचना 16 सितंबर के जारी होखी आ 23 सितंबर ले परचा दाखिल करे के काम चली. जाँच 24 तारीख के होखी आ 26 सितंबर ले परचा वापसी के दौर चली. वोटिंग के काम 12 अक्टूबर के करावल जाई. दुसरा दौर खातिर अधिसूचना 21 सितंबर के
मानीं त विधान परिषद के 24 गो सीट खातिर करीब पूरा बिहार में करावल गइल चुनाव विधानसभा चुनाव से दू महीना पहिले करावल सर्वेक्षण कहल जा सकेला. अतना बढ़िया सैम्पल शायदे कवनो सर्वे में होला जवना में समाज के हर वर्ग, हर उमिर, आ हर तरह के लोग शामिल रहल. परिषद चुनाव के वोटर कवनो
बिहार विधानसभा के दस गो सीट ला भइल उपचुनाव में भाजपा लोजपा का खिलाफ राजद, जदयू आ कांग्रेस गठबन्हन के मिलत बड़हन जीत साफ बतावत बा कि बिहार के मोदी मंजूर नइखे. एहिजा बात नरेन्द्र मोदी के ना क के सुशील मोदी के होखत बा. नीतीश का सरकार में सुशील मोदी जे तरह उनकर पिछलगुआ
भाजपा गठबन्हन राजनगगर. मोहनिया, बांका, हाजीपुर, आ नरकटियागंज से लालू गठबन्हन परबत्ता, छपरा, जाले, मोहिउद्दीननगर, आ भागलपुर से
बिहार के दस गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव के वोट आजु गिनात बा. अबहीं भाजपा गठबन्हन पाँच जगहा से आ लालू गठब्नहनो पाँचे सीट से आगे चलत बा. पिछला बेर भाजपा के छह गो सीट रहल आ लालू गठबन्हन के चार गो. एह हिसाब से भाजपा नुकसान में चलत बिया. परबत्ता से जदयू, मोहनियां
छपरा विधानसभा उपचुनाव खातिर परचा दाखिला के आखिरी दिने अतवार के भाजपा का तरफ से कन्हैया सिंह समेत पाँच जने आपन परचा दाखिल कइलन. ई मिला के अब बारह जने मैदान में उतर चुकल बाड़न. आजु परचा दाखिल करे वाला में भाजपा के कन्हैया सिंह, कांग्रेस से बागी प्रीतम यादव, बिहार जनक्रांति पार्टी से अर्पणा
चुनाव आयोग शनिचर का दिने बिहार के दस गो खाली विधानसभा सीट पर उप-चुनाव करावे के एलान क दिहलसि. नरकटियागंज, राजनगर सुरक्षित, जाले, छपरा, हाजीपुर, मोहिउद्दीन नगर, परबत्ता, भागलपुर, बाँका आ मोहनिया सीट पर अगिला 21 अगस्त के वोट करावल जाई. एह ला अधिसूचना 27 जुलाई के जारी होखी आ 2 अगस्त ले परचा दाखिल
लोकसभा चुनाव 2014 में कड़ेर हार झेलला से दुखी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु सनिचर का दिने मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहलन आ राज्यपाल से निहोरा कइलन कि बिहार विधानसभा भंग क दिहल जाय. जानकार लोग के ककहना बा कि नीतीश के अनेसा बा कि उनकर पार्टी जदयू के विधायक बड़हन संख्या मे
मुख्य निर्वाचन आयुक्त, सीईसी, प्रेस के संबोधन मुख्य निर्वाचन आयुक्त, सीईसी, प्रेस के संबोधन शुरू क दिहलें. आंध्र प्रदेश, ओडिशा आ सिक्किम विधानसभा के चुनाव लोकसभा चुनाव का साथही करावल जाई अबकी दस करोड़ नया वोटर मिला के कुल ८१.४ करोड़ वोटर वोट दीहें. नौ लाख तीस हजार पोलंग बूथ बनावल जाई. वोटर का सभके
बेगलूर 04 जनवरी (वार्ता) कर्नाटक विधानसभा के अध्यक्ष कोगुडु थिम्मप्पा मुख्यमंत्री रहल बी.एस.येदयुरप्पा के कर्नाटक जनता पक्ष के तीन गो विधायकन संगे भाजपा मे शामिल होखे के मंजूरी दे दिहलन. एह का बाद अब भाजपा के विधायकन के गिनिती चउवालीस हो जाई आ विधानसभा में अब भाजपा मुख्य विपक्ष बन जाई. अबहीं ले जदसेकुलर मुख्य
नयी दिल्ली।9 दिसंबर (वार्ता) केन्द्रीय गृहमंत्री सुशील कुमार शिंदे आज कहलन कि दिल्ली मे आम आदमी पार्टी (आ आपा) के सरकार बनावे ला अउरी समय देबे ला केन्द्र तइयार बा. शिंदे कहलन कि केन्द्र एह बारे में कवनो बाधा खतम कइल चाहत बा आ आ आपा के अउरी समय देबे ला तइयार बा. केन्द्र दिल्ली
नयी दिल्ली 17 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा. के पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी हाल में भइल चार राज्यन के विधानसभा चुनाव मे कांग्रेस के हार इमरजेन्सी का बाद ओकर दुसरका बड़ हार बतवले बाड़न. अपना ताजा ब्लाग मे आडवाणी लिखले बाड़न कि यदि लोकसभा चुनाव मे कांग्रेस के सीट सौ से निचहीं रहि जाव त अचरज
भोपाल. 14 दिसंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश मे अपना लोकप्रियता के लहर प सवार मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान भाजपा के लगातार तिसरका बेर आ प्रचंड बहुमत से सत्ता मे ले आवे में सफल होखला का बाद आजु तिसरका बेर राज्य के मुख्यमंत्री पद के किरिया ले लिहले. किरिया लेबे के इ समारोह जम्बूरी मैदान मे राज्य भर
नयी दिल्ली. 14 दिसंबर (वार्ता) आ आपा नेता केजरीवाल के कहना बा कि उ कांग्रेस भा भाजपा से तबे समर्थन लीहें जब उ लोग उनकर शर्त माने के तइयार हो जाई. आ जब दुनू मान जइहें तब उ अपना जनता से पूछला का बाद सरकार बनावे प विचार करीहें. आज सबेरे उपराज्यपाल नजीब जंग से
Older Posts››
‹‹Newer Posts