Go to ...
RSS Feed

TatkaKhabar

उपचुनाव में समाजवादी गोल के नुकसान

आजु होखत वोट गिनाई का बाद जवन रिजल्ट आइल बा तवना से यूपी में सपा के जोरदार झटका लागल बा. एहिजा भइल तीन सीट के उपचुनाव में दू गो सीट सपा से छीना गइल बा. देवबंद के सीट कांग्रेस जीत लिहलसि आ मुजफ्फरनगर के सीट बीजेपी. तीनो सीट पहिले सपे के रहुवे. फैजाबाद सीट पर

अपराध आ हादसा के खबर

यूपी के बड़का भठियारन में गिनाए वाला नोएडा के चीफ इंजीनियर रहल यादव सिंह के फेरू दू दिन के रिमांड पर दिहल गइल बा. बसपा आ सपा दुनू सरकारन के दुलरुआ रहल यादव सिंह पर करोड़ों के घोटाला करे के आरोप बा. 11 फरवरी से गायब बलिया के पकड़ी इलाका के वीरपुर गाँव के दस

यूपी रोडवेज के बस में मरला प पाँच लाख रूपिया

यूपी राज्य सड़क परिवहन निगम अपना सवारियन ला दुर्घटना राहत योजना लागू कइले बिया. अब निगम के बसन में सफर का दौरान भइल हादसा से मौत भइला पर ओह यात्री के परिवार के पांच लाख रूपिया के सहायता दिहल जाई. बाकि एह खाति टिकट कटावल जरुरी होखी. रोडवेज के इहो कहना बा कि एह काम

जलाने विश्वविद्यालय बवाल का पीछे हाफिज सईद

केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह काल्हु कहलन कि दिल्ली के जलाने विश्वविद्यालय में पिछला दिने भइल बवाल के पीछे पाकिस्तान के लश्कर-ए-तैयबा प्रमुख हाफिज सईद के समर्थन हासिल रहुवे. कहलन कि सरकार एह तरह के देश विरोधी गतिविधि बरदाश्त ना करी आ भारत विरोधी नारा लगावे वालन के बख्शल ना जाई. राजनाथ सिंह पश्चिम बंगाल के

जबरा मारबो करे आ रोवहू ना देव

बिहार का उपमुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी के कहना बा कि सतारूढ़ दल के विधायके कानून तूड़त बाड़न आ एह लोग का खिलाफ लगातार कानून तूड़े के शिकायत ले के थाना में केसो लिखावल जात बा. एकर खबर सोझा अइला से परेशान प्रशासन अब पत्रकारन के धमकावे में लाग गइल बा जवन चिन्ता के बात

पंचायत चुनाव खाति बनल आचार संहिता

बिहार में पंचायत चुनाव लड़े वालन के कई तरह के नियम माने के पड़ी. जे ना मानी ओकरा खिलाफ कार्रवाई कघल जाई. राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि चुनाव प्रचार का दौरान कवनो प्रत्याशी अपना पोस्टर-बैनर में कवनो गोल के नाम भा या ओह गोल के नारा के इस्तेमाल ना करी. दोसरा के जगह

बिहार के हर टोला आ बासगित ले बनावल जाई सड़क

बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि अढ़ाई सौ से अधिका आबादी वाला हर टोला आ बासगीत के सड़क से जोड़ दिआई. एह काम खाति एक लाख से अधिका टोलन आ बासगीतन के चिन्हासी हो गइल बा आ अब आगे के काम शुरू होखे वाला बा. शहरन में सभका ला आवास योजना में गड़बड़ी रोके ला

मुसलमानन आ उर्दू खातिर खजाना खोल दीहलें अखिलेश

चुनाव से पहिले के अपना आखिरी बजट में यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव काल्हु सरकार के खजाना से आपन वोट बैंक पोढ़ करे ला अनेके योजना के एलान कइलन। मुसलमानन आ उर्दू ला भरपूर खरचो करे के एलान कइलन अखिलेश। एह काम ला 1492 करोड़ रुपिया दीहल बा बजट में। काल्हु बजट में बलिया में

बिहार में बहार बा, फेर से नीतीशे कुमार बा

आजु बिहार भाजपा के उपाध्यक्ष विशेश्वर ओझा के आरा में गोली मार के खून क दीहल गइल। बिहार में जबसे नीतीश कुमार के कानून के राज आइल बा तबसे अपराधियन के बहार मिल गइल बा। आ नीतीश कुमार के कहना बा कि बिहार में कानून के राज चलत बा। अलग बात बा कि बुझात नइखे

जमानत पर छुटल अछरंगीयन के पेशी से छूट

नेशनल हेराल्ड केस में जमानत ले चुकल सोनिया आ राहुल के आजु सुप्रीम कोर्ट निचला अदालत में तारीख पर हाजिर रहे से छूट दे दिहलसि। कहलसि कि ई नामी लोग ह आ एह लोग के तारीख पर हाजिर रहला से बेजरुरत के समस्या पैदा होखी। बाकिर एह लोग के सगरी मेहनत बेकार रहल जब अदालत

सारण तरैया के भाजपा नेता केदार सिंह के हत्या

सारण जिला के तरैया इलाका में काल्हु रात एगो भाजपा नेता केदार सिंह के गोली मर के मुआ दीहल गइल। ओह बेरा ऊ अपना बहिन किहां मशरख बंगरा से लवटत रहलें जब पहिले से घात लगा के बईठल अपराधी गण्डार पुल का नियरा गोली मार दिहलें। खून से लथपथ लाश देख पहिले त लोग सोचल

उमिरदराज थानेदारन के लाईन हाजिर करा दीहल गइल

बलिया के पांच गो थानेदारन के काल्हु लाइन हाजिर करा दीहल गइल काहेकि एहलोगन के उमिर 58 पार हो गइल बा। यूपी के नयका डीजीपी जावीद अहमद के आदेश बा कि उमिरदराजन के थानेदारी के बोझा मत दीहल जाव। बलिया में लाइन हाजिर करा दीहल एह थानेदरन में शहर कोतवाल इल्ताफ हुसैन, नगरा के टी

आरा छपरा सड़क पुल पर जून से आवाजाही शुरू हो जाई

गंगा नदी पर आरा के बबुरा से छपरा के डोरीगंज ले बनत सड़क पुल जून से गाड़ियन के आवाजाही ला खोल दीहल जाई। हालांकि अबहीं एप्रोच रोड के मसला सलटल नइखे बाकिर विभाग के उमेद बा कि जल्दिये सलटा लीहल जाई।

मरदन के हॉकी में भारत पाकिस्तान के भिड़ंत आजु

गुवाहाटी में होखत दक्खिन एशियाई खेल में आजु शुक का दिने भारत पाकिस्तान के भिड़ंत होखे वाला ब। भारत के पिछलका मैचन में बढ़िया खेल नइखे रहल एहसे आजु सावधान रहला के जरूरत बा। ओने महिला फुटबॉल में बिना कवनो गोल के ड्रा करा के नेपाल भारत के रोक दिहलसि आ अब फाइनल में बांग्ला

यूपी विधानसभा में विपक्ष के गैरमौजूदगी में अनुपूरक बजट पास भइल

विपक्ष के सदन से बहरा चलि गइला क बाद यूपी के सपा सरकार चालू वित्तीय बरीस के सत्ताईस लाख पचहत्तर हजार आठ सौ सत्तानबे करोड़ रूपिया क वित्तीय अनुपूरक बजट विधानसभा से पारित करा लिहलसि. अलग बाति बा कि सपा का लगे अतना बड़ बहुमत बा कि ई लोग सदन में रहियो के कुछ ना

मियाँ मुशर्ऱफ कोमा में

पाकिस्तान के राष्ट्रपति आ सेना प्रमुख रह चुकल परवेज मुशर्रफ आजु ब्लड प्रेशर बढ़ गइला का चलते बेहोश हो गइलन आ उनुका के सेना के अस्पताल में भरती करावल गइन बा. कारगिल के लड़ाई इनके चलते भइल रहुवे.

हेलल हेलल भईंसिया पानी में

देश के शेयर बाजारन में आजु बियफे का दिने बड़हन गिरावट देखे के मिलल. सूचकांक सेंसेक्स 807.07 अंक आ निफ्टी 239.35 अंक के गिरावट का साथे बन्द भइली सँ. नाहियो त तीन लाख करोड़ रुपिया के नुकसान हो गइल निवेशकन के आजु.

लांसनायक हनुमंतप्पा क आजु बियफे का दुहरिया में बेरा गंगालाभ हो गइल

सियाचिन में छह दिन ले बरफ में दबाइल रहला का बादो जिन्दा मिलल बहादुर जवान लांसनायक हनुमंतप्पा क आजु बियफे का दुहरिया में बेरा गंगालाभ हो गइला से देश भर में दुख के लहर पसर गइल. सभे एह बहादुर जवान के आपन सरधांजलि दिहले बा. बरफ में जिन्दा मिलला का बादो लांसनायक हनुमंतप्पा कोमा में

यूपी में वकीलन के हड़ताल

लखनऊ में काल्हु वकीलन पर भइल लाठीचार्ज का खिलाफ आजु यूपी का कई दो जिलन में वकील हड़ताल पर रहलें. ई लोग इलाहाबाद उच्च न्यायालय में जनहित याचिका दायर क के लखनऊ के जिलाधिकारी अउर वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक के ससपेन्ड करे के अरजी लगवले बाड़ें. बियफे का दिने यूपी विधानसभो में एह मामिला के उठावल

यूपी विधान परिषद चुनाव ला परचा दाखिला जारी

यूपी विधान परिषद के निकाय खण्ड से चुनाए वाला 36 गो सीट से चुनाए बदे परचा दाखिला क काम आजुओ जारी रहल. 15 फरवरी ले ई काम हो सकी आ दाखिल परचन के जाँचे के काम 16 फरवरी का के कइल जाई. 18 फरवरी ले नाम वापिस लीहल जा सकी. 3 मार्च के वोटिंग होखी

Older Posts›› ‹‹Newer Posts