Go to ...
RSS Feed

TatkaKhabar

साधु यादव पर रंगदारी मांगे के अछरंग

लालू के सार साधु यादव पर रंगदारी मांगे के अछरंग लगवले बाड़न पटना के बिल्डर अनिल सिंह. उनकर कहना बा कि उनुका के जान से मरवावे के धमकी देत पचास लाख रुपिया के रंगदारी मांगल गइल बा. ओने साधु यादव केस लिखवले बाड़न कि उनुका पर झूठ अछरंग लगा के बदनाम करे के साजिश होखत

बिहार के हरलाखी विधानसभा उपचुनाव

बिहार के हरलाखी विधानसभा उपचुनाव के आजु आखिरी दिने सगरी गोल आपन पूरा बेंवत लगा दिहले. सीट एनडीए गठबन्हन में शामिल रालोसपा जीतले रहे. एह चलते एनडीए के साख दाँव पर लागल कहल जा सकेला. लालू नीतीश के महागठबन्हनो पूरा जोर लगवले बावे एह सीट पर काबिज होखे ला.

सिवान जेल में बंद कैदी के मौत

महाराजगंज इलाका के छोटका टेघड़ा गाँव के रहे वाला पचास बरीस उमिर के पासपति चौधरी सोमार का दिने अदालत में सरेंडर कइले रहुवे. ओकरा पर गैरकानूनी शराब बेचे के मुकदमा रहुवे. बुध के रात खाना खइला का बाद अचानके ओकर तबियत खराब हो गइल. इलाज खातिर ओकरा के सदर अस्पताल भेजल गइल बाकिर ओकर मौत

उपप्रमुख के गोली मार के हत्या

काल्हु बुध के साँझे कुछ बदमाश सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के मिर्जापुर गाँव के उपप्रमुख सुरेश्वर चौधरी के गोली मार के हत्या क दिहले सं. हत्यारा तीन गो रहलन स. हत्या पर नाराजगी जतावत खिसियाइल लोग एगो पुलिस वाहन के जरा दीहल आ देर ले रोड जाम क के राखल आ बहुते समुझवला बुझवला

टटका खबर (बुध, 19 अगस्त 2015, देश दुनिया)

राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पत्नी के अंतिम संस्कार में शामिल होखे चहुँपल बांगलादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना बुध का दिने प्रधानमंत्री मोदी से भेंटो करे अइली. एह मुलाकात का समय दुनू देश के अधिकारियो मौजूद रहलन. दिल्ली के बहुते चर्चित रहल उपहार सिनेमा में आग लागे वाला घटना के मुकदमा में सिनेमा हाल के मालिक

टटका खबर : 16 अक्टूबर 2014, बियफे

दिवाली आ छठ के भीड़ देखत रेलवे हावडा से नौतनवां का चलावत जात विशेष जनसाधारण साप्ताहिक गाड़ी के फेरा पाँच ट्रिप के कर दिहलसि. उत्तर प्रदेश के चीनी मिल मालिक प्रदेश सरकार का खिलाफ इलाहाबाद उच्च न्यायायलय में गोहार लगवले बाड़न कि गन्ना के दाम तय होखे से पहिले मिल मालिकन के पेराई के काम

टटको में टटका खबर : 22 सितंबर 2014 से

बिहार आ यूपी के खबर – यूपी के राज्यपाल नाम नाईक कुलपतियन के समय सीमा का भितरे परीक्षा करावे, परिणाम घोषित करे आ नया सत्र शुरू करावे के निर्देश दिहले. इलाहाबाद उच्च न्यायालय आदेश दिहले बावे कि कंपनीबाग में कवनो तरह के व्यावसायिक भा सामाजिक समारोह ना कइल जा सके. बिहार के जल संसाधन मंत्री

टटका खबर : 9 सितंबर 2014

टटका बिहार सिवान जिला के बड़हरिया में अतवार का दिने निकलल महाबीरी जुलूस के कुछ लोग चैन छपरा गाँव के मस्जिद का लगे से ना निकले दिहल जवना का बाद इलाका में तनाव पसर गइल बा. भारी पुलिस बंदोबस्त लगावल गइल बा कि हालात बिगड़े मत. इलाका में सोमारो का दिने कुछेक जगहा आगजनी, पथराव

अठारह गो विधानसभा सीट के नतीजा

बिहार में दस में तीन पर भाजपा, सात लालू नीतीश राहुल गठबन्हन के कर्नाटक के तीन में एगो एनडीए दू गो कांग्रेस के पंजाब में दू में से एगो पर अकाली दल दुसरका पर कांग्रेस मध्य प्रदेश के तीन में से दू गो पर भाजपा आ एगो पर कांग्रेस कहे के मतलब कि अठारह में

उपचुनाव के वोटिंग आजु बियफे का दिने

बिहार विधानसभा के दस गो खाली भइल सीटन पर आजु वोट डलाई, चुनाव के सही तरीका से करावे खातिर हर जगहा के प्रशासन चउकस बा, सारण जिला प्रशासन दियारा इलाका मे नावो से पेट्रोलिंग करावल तय कइले बा. बुध का दिने जगहे जगहे वाहन चेकिंग भइल. आजु सबेरे सात बजे से वोटिंग शुरू बा. छपरा

धूमधाम से सिवान मे निकलल महाबीरी जुलूस

काल्हु सिवान मे महाबीरी जुलूस पूरा धूमधाम आ उमंग से निकलल. बीच मे बरखा भइला का चलते कुछ देर ले लागल कि उत्साह ठंडा पड़ जाई बाकिर बरखा रुकते फेरउ ओही उत्साह से जुलूस आगे बढ़त गइल. जय श्री राम आ जय बजरंगबली के नारा लगावत जुलूस जस जस ‘शांतिवट’ के पार करत गइल तस

यूपी मे अब एके हजार का आबादी प बनावल जाई ग्राम पंचायत

उत्तर प्रदेश सरकार निर्देश दिहले बिया कि अब से एके हजार के आबादी प ग्राम पंचायत बना दिहल जाई. पहिले कम आबादी रहला पर दू गो, तीन गो गाँव मिला के पंचायत बनावल जात रहे. आबादी के आधार साल 2011 के जनगणना मानल जाई. एह बाबत अब जिला प्रशासन नया पैमाना पर ग्राम पंचायत बनावे

गवंदरी में अपना भउजाई के गड़ासी से काट दिहलसि देवर

थावे इलाका के गवंदरी गांव में बुध का सँझिया मे एगो आदमी अपना भउजाई के गड़ासी से काट के मुआ दिहलसि. हत्या कइला का बाद हत्यारा देवर भाग निकलल. मरे वाली ओरत के नाम बेबी खातून बतावल जात बा. एगो दोसर घटना मे कटेया इलाका के तिवारी छपरा गाँवो मे एगो देवर अपना भउजाई के

बाप के डाँट का बाद बेटा फांसी प लटक गइल

बलिया जिला के रसड़ा इलाका के डेहरी गांव में बुध का भोर मे बाप से डटईला से नाराज होके बेटा फांसी लगा लिहलसि. कई दिन से स्कूल ना जाए से नाराज बाप डटलन त उ अपना कोठरी मे चल गइल आ दरवाजा बंद क के फांसी लगा लिहलसि. कुछ देर बाद लोग कोठरी खोलवावे के

बीच रास्ता से ट्रक गायब

मोतिहारी से कोलकता खातिर गेहूं लाद के चलल ट्रक के ओकर ड्राइवर बीचे मे कहीं से गायब क दिहले बा. ना त ट्रक के पता लागत बा ना ओकरा चालक के. मोतिहारी राधानगर के ट्रक मालिक एह मामिला मे नगर थाना मे केस लिखववले बाड़न.

आरा के डीएम के कहना बा कि जिला मे कतहीं बाढ़ नइखे

लोग के अफवाह पर कान देबे से बचे के सलाह देत भोजपुर के डीएम के कहना बा कि जिला मे कतही ना त बाढ़ बा ना ओकर कवनोअनेसा बा. बतवलन कि बड़हरा मे गंगा नदी खतरा का निशान से अढ़ाई मीटर नीचे बहत बाड़ी.

आरा के बहोरनपुर मे इनार मे गिर के एगो नवही मरल

आरा जिला के बहोरनपुर इलाका के उमरावगंज गांव का इनार मे गिरला से गाँवे के चौबीस बरीस के एगो नवही डूब के मर गइल. पुलिस बुध का दिने लाश कब्जा मे ले क पोस्टमार्टम करावे ले गइल. मामिला के जाॅच चलत बा कि हादसा रहे कि खुदकुशी.

तीन साल से गायब लड़िका घरे चहुँपल

सारण जिला के दाउदपुर इलाका के बरवा खुर्द गाँव के एगो नवही तीन बरीस बाद घरे चहुँपल. ओकरा गायब भइला का बाद ओकर बाप थाना मे अपहरण के केस लिखववले रहन. लढ़िका के लवटला के सूचना थाना के दिहल गइल त पुलिस आ के लड़िका के ले गइल आ कोर्ट ले जा के सेक्शन 164

पागल सियार से परेशान लोग ओकरा के मार दिहल

सारण जिला के दाउदपुर इलाका के दुमदुमा गाँव मे एगो पागल सियार पिछला कई दिन से लोग के हलकान कइले रहुवे. उ कई लोग के काट चुकल रहे आ बुधो का दिन एगो आदमी पर हमला बोल के ओकर मुॅह नोच डललसि. एह पर लोग ओह पागल सियार के घेर के पीट पीट के मुआ

Older Posts›› ‹‹Newer Posts