Go to ...
RSS Feed

Page 2

रसोई गैस के दाम में बड़हन कटौती

बे सबसिडी वाला गैस सिलिण्डर के दाम में आजु से साढ़े एकसठ रुपिया के कटौती कइल गइल बा. दुनिया भर में तेल आ गैस के दाम में आ रहल गिरावट का चलते ई करे के पड़ल बा. पिछलो महीना पहिला मार्च के एकर दाम में 53 रुपिया के कमी कइल गइल रहुवे. जाने जोग बा

पूरा देश तबिलागी जमात में शामिल लोग के खोजे में लागल

देश में लॉकडाउन के मकसद खतम करत दिल्ली के एगो मरकज में दुनिया भर से मुसलमानन के बिटोरल गइल आ ओहमें से कई एक जने कोरोना बीमारी से ग्रसित रहलें. ई लोग एह जमात में जुटल लोग के इस्लाम के शिक्षा दिहला का साथही कोरोना वायरस के पसारे में जरिया बन गइलें. अब ओह जमात

कउआ कान ले गइल सुनीं त पहिले आपन कान देखीं

आज हिन्दुस्तान में कोरोना के असर कम होखत देखि चाइनीज दलाल आ ओकर पोसुआ मीडिया भाँड़ अफवाह उड़ावे में लागल बाड़ें कि लॉकडाउन आगे बढ़ावल जाई. अइसनका लोगन के एके मकसद बा केहू तरह देश के संयम तूड़ल जाव आ कोरोना के पसरे लायक माहौल बनावल जाव. चीन के दलाली करे में खुलेआम लागल कुछ

जर्मनी के वित्त मंत्री खुदकुशी कइलें ?

क्रिश्चियन डेमोक्रेटिक यूनियन ऑफ जर्मनी के एगो नेता आ जर्मनी के वित्त मंत्री थामस शेफर के लाश रेल लाइन का किनारे मिलल का बाद ओहिजा के सरकार अनेसा जतवले बिया कि कोरोना वायरस से उपजल हालात से परेशान रहलन शेफर आ हो सकेला कि एही अवसाद का चलते ऊ आपन जान दे दिहलन. 22 फरवरी

घरे बोला के रवि किशन बँटले राशन

पहिलहीं एक महीना के सांसदी के तनखाह पीएम राहत कोष में दे चुकल रविकिशन अब ओह लोग के सहायता ला आगे अइलें जे एह घरी भोजन के संकट झोलत बाड़ें. फिल्‍म इंडस्‍ट्री के तकनिशियनन के अपना घरे बोला के राहत सामग्री के रूप में राशन बँटले. साथही एगो फोन नंबर 9161606666 जारी कइलन आ कहलन

टटका खबर, अतवार राति 10 बजे, 29 मार्च 2020

अपना मन के बाति कार्यक्रम में आजु पीएम सोदी देश के जनता से माफी मँगलन कि तीन हप्ता के लॉकडाउन से सभका परेशानी झेले के पड़त बा. बाकिर अतना बड़हन आबादी के कोरोना बिपति से बचावेला दोसर कवनो राहो नइखे. जब दुश्मन लउकत ना होखे त लुकाईए गइल बेहतर होला. अगर लॉकडाउन में इचिको कसर

B4U के जोगीरा सा रा रा रा के मिलल सबले अधिका टीआरपी

यशी फिल्‍म्‍स के बनावल टीवी के ई होली पार्टी सबले शानदार रहल. सुपर स्‍टार मीका के मौजूदगी का बादो बिग गंगा के होली पार्टी रह गइल फीका. हर साल का तरह एहु साल यशी फिल्‍म्‍स होली के सबसे बड़हन पार्टी जोगीरा सा रा रा रा के आयोजन खूब धूमधाम से कइलसि. एकरा के टीवी चैनल

सांसद रवि किशन आपन एक महीना के तनखाह पीएम राहत कोष में दान कइलन

दुनिया का साथही भारतो चीन से आइल कोरोना वायरस के मार से जूझ रहल बा आ सभे अपना अपना बेंवत भा कूवत भर एह काम में मदद करे में लागल बा. गोरखपुर के भाजपा सांसद आ फिल्म अभिनेता रवि किशनो बतौर सांसद मिलेवाला आपन एक महीना के तनखाह प्रधानमंत्री राहत कोष में देबे के एलान

#ArrestKejariwal से सहमल दिल्ली सरकार

बिहारी आ यूपी के प्रवासी मजदूरन का साथे दिल्ली के सरकार चलावत आआपा गिरोह के मयभावत बेवहार देखि के काल्हु पूरा देश आपन नाराजगी जतवलसि. ट्वीटर पर #ArrestKejariwal के मुहिम जोर ध दिहलसि आ राति होखत होखत दिल्ली सरकार आपन चाल पलटि ला मजबूर हो गइल. जान जाईं कि एह प्रवासी मजदूरन का बीच जानबूझि

कोरोना से जंग में आगे अइली अक्षरा सिंह

बँटली मास्‍क, ग्‍लव्‍स. अउर सेनेटाइजर दुनिया पर आइल बिपति का बीच भोजपुरी सिनेमा के अदाकारा अक्षरा सिंह लॉक डाउन लागे से पहिले सड़क पर आ के आम लोग का बीच मुँहजाबी (मास्‍क) बँटली आ दस्ताना अउर सेनेटाइजरो दिहली. अक्षरा कहली कि उनकर मकसद ओह लोग के जगावल बा जे अबहियों चाइनीज कोरोना वायरस के खतरा

linegraph of corona spread in India

गीध के सराप से डाँगर ना मरअ सँ.

जहाँ सगरी दुनिया एह उहापोह में फँसल बा कि धंधा डुबाईं कि परिवार ओहि दुनिया में मोदी सरकार परिवार बचावे खातिर धंधा के लात मार दिहलन. आ एकर असरो लउकत बा. भारत में 11 मार्च का दिन ले कोरोना के 56 केस मिल चुकल रहुवे. मरीजन के ई गिनिती ओकरा बाद हर दिने बढ़त चलि

अनजान लाश के जानकारी मँगलसि बलिया पुलिस

काल्हु अतवार 19 जनवरी का दिने बलिया जिला के नरही थाना के गोविन्दपुर गाँव का नियरा गंगाजी का किनारे रेती पर एगो लाश मिलल बा जवना के पहचान नइखे हो पावत. बलिया पुलिस सभका से निहोरा कइले बिया कि एह आदमी का बारे में अगर कवनो जानकारी होखो त नीचे दीहल कवनो फोन पर खबर

चुनाव जीत मारीशस के प्रधानमंत्री पद के किरिया धइलन प्रविन्द

साल 2017 में बिना चुनाव जीतले तब के पीएम आ अपना पिता अनिरुध जगनाथ से मारीशस के कमान धरे वाला पीएम प्रविन्द कुमार जगनाथ हालही में करावल गइल चुनाव में अपना गठबन्हन के शानदार जीत दिअवला का बाद आजु 12 नवम्बर 2019 के फेरु प्रधानमंत्री बन गइलन. 7 नवम्बर के भइल चुनाव में उनुका गठबन्हन

जतवो गइल भतवो ना मिलल

महाराष्ट्र में सरकार बनावे का फेर में अपना औकात से बाहर जाके फउँके का फेर में शिवसेना आपन जवन हाल कर लिहलसि तवना पर भोजपुरी में कई एक गो कहाउत बा. खबर त सभे जानत बा बाकिर खबर का बहाने एह कहाउतन के चरचा कइल हमरा बेसी सही लागत बा. जतवो गइल भतवो ना मिलल

आईं विश्व भोजपुरी दिवस मनावल जाय

बहुते निराशा वाली बाति बा कि दुनिया भर में पसरल भोजपुरी भाषी अपना माई भाषा ला कवनो दिन पर अबहीं ले एकमत नइखन हो पवले. एही मुद्दा पर भोजपुरी के पहिलका वेबसाईट होखला का नाते हमार एगो सुझाव कि विश्व भोजपुरी दिवस मनावे ला छठ महापर्व का बाद आवे वाला पहिलका अतवार के चुन लिहल

कुकुरन के चिन्हवा दिहलसि चन्द्रयान-2

भारत के अन्तरिक्ष अनुसंधान संगठन इसरो के मिशन चन्द्रयान-2 अपना अधिकतर मकसद में सफल साबित होखला का बावजूद अपना उपलब्धि के चित्रांकित करे में असफल हो गइल. काहे कि आखिरी मौका पर ओकर लिंक फेल कर गइल आ ऊ विक्रमलैन्डर से ओकरा उतरला के आंकड़ा हासिल ना कर पवलसि. चन्द्रयान-2 के प्रक्षेपण से लगाइत विक्रमलैन्डर

योगी मंत्रीमंडल के पहिलका विस्तार

आजु अपना मंत्रिमंडल में पहिलका विस्तार करत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना मंत्रीमंडल में 26 गो हिन्दू मंत्रियन के किरिया धरववलन. एह खबर के कुछ हिन्दू विरोधी मीडिया में जाति का आधार पर गिनल गइल बा एहीसे टटका खबर एकरा के एके साथ हिन्दू मंत्री बतावत बा. राज्यपाल आनन्दी बेन पटेल एह मंत्रियन के किरिया धरवली.

मूस बिलार के खेल खतम, पीचि हिरासत में

आर्थिक घोटाला के आरोपी पी चिदम्बरम 27 घंटा लुकाइल रहला का बाद आजु साँझ अचके कांग्रेस मुख्यालय पर सोझा भइलें. ओहिजा प्रेस बयान दिहला का बाद बिना कवनो सवाल के जवाब दिहले ऊ अपना घर ला रवाना हो गइलें. जब ले ईडी, सीबीआई के टीम ओहिजा चहुँपित पीचि अपना घर ला रवाना हो गइलें. पीचि

अइला के डर ना, परिकला के डर बा

यूपीए 1 आ 2 का दौरान भइल आ कइल घोटालन का चलते सत्ता से बहराइल कांग्रेस जानत बिया कि चिदम्बरम वाला केस उनुके ले नइखे रहि जाए वाला. एक तरह से ई मोदी सरकार के टेस्ट बैलून हवे. सरकार देखल चाहत बिया कि पीचि के गिरफ्तारी का बाद कांग्रेस आ ओकरा समर्थकन के रवैया कइसन

P-Chidambaram

भागल नइखे, लुकाइल बा

कबो देश के गृह मंत्री आ वित्त मंत्री रहल, देश के बड़का वकीलन में शामिल, कांग्रेस के बड़का नेता पी चिदम्बरम काल्हु साँझ से कतहीं लुकाइल बाड़न आ सीबीआई आ ईडी उनुका के खोजे में लागल बा. अनेसा बा कि कानून के फंदा गरदन पर कसाइल देखि पीचि बाहर भागे के कोशिश मत करसु एह

Older Posts›› ‹‹Newer Posts