Go to ...
RSS Feed

Page 5

भाँड़ में जाव जनसंख्या नियन्त्रण

नैनीताल, 04 अगस्त (वार्ता). उत्तराखंड उच्च न्यायालय काल्हु शुक का दिने एगो याचिका पर फैसला देत राज्य सरकार के ओह फैसला के रद्द क दिहलसि कि तिसरका बच्चा जनमावे ला मातृत्व अवकाश ना दीहल जाई. वरिष्ठ न्यायाधीश राजीव शर्मा के एकलपीठ हल्द्वानी के रहे वाली उर्मला मसीह के याचिका पर सुनवाई का बाद राज्य सरकार

जौनपुर सड़क हादसा में पाँच गो भक्त-भक्तिन के मौत

जौनपुर , 04 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में जौनपुर जिला के मछलीशहर कोतवाली इलाका में काल्हु शुक के राति भइल एगो सड़क हादसा में तीन गो मेहरारुवन समेत पाँच जने के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र जानकारी दिहलें कि वाराणसी जिला के रहे वाला 11 गो भक्त-भक्तिन बोलेरो से

शोपियां में पांच गो आतंकवादी मरइले, एक दर्जन ढेलामार घवाहिल

श्रीनगर 04 अगस्त (वार्ता). जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में शुक का देर रात से जारी तलाशी अभियान का दौरान सुरक्षाबल आ आतंकवादियन के मुठभेड़ में पांच गो आतंकवादी मरइलें आ अभियान के बाधा चहुँपावे वाला एक दर्जन ढेलाबाज घवाहिल हो गइलें. रक्षा मंत्रालय के प्रवक्ता कर्नल राजेश कालिया आजु शनिचर के यूनीवार्ता के बतवलें कि

खेसारी से दू करोड़ के रंगदारी मांगल गइल

छपरा 03 अगस्त (वार्ता). भोजपुरी फिलिमन के बड़का स्टारन में शुमार अभिनेता खेसारी लाल यादव (शत्रुघ्न यादव) थाना में केस लिखववले बाड़न कि उनुका से बिहार के सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के भतीजा दू करोड़ रुपिया रंगदारी मंगले बा आ ना दिहला पर जान से मारे के धमकी देले बा. सारण जिला के रसूलपुर थाना

इशांत झटकलें पांच गो विकेट, जीते खातिर भारत के चाहीं 194 रन

बर्मिंघम, 03 अगस्त (वार्ता). भारत के अनुभवी तेज गेंदबाज इशांत शर्मा आजु 51 रन दे के पांच विकेट ले लिहलें आ भारत इंगलैण्ड का बीच होखत पहिलका क्रिकेट टेस्ट के तिसरका दिने इंगलैण्ड के पूरा टीम 180 रन पर बहरा गइल. अब जीते खातिर भारत के महज 194 गो रन बनावे के बा. इशांत 13

महाराष्ट्र के जलगांव नगर निगम आ सांगली नगरपालिका में भाजपा जीतल

जलगांव अउऱ सांगली, 03 अगस्त (वार्ता) जलगांव नगर निगम खातिर भइल चुनाव में कांग्रेस आ राकांपा के सूपड़ा साफ करत भाजपा 75 सीज में से 57 सीट जीत लिहलसि. एहिजा पिछला बेर खानदेश विकास अघाडी के जीत मिलल रहुवे आ शिव सेना के पूर्व मंत्री अउर नेता सुरेश दादा जैन पिछला 35 बरीस से सत्ता

सबले बड़का बैंक आ सबले बड़का नेटवर्क हाथ मिलवले

मुंबई 03 अगस्त (वार्ता). रिलायंस जियो अउर भारतीय स्टेट बैंक अपना ग्राहकन के अगिला दौर के खास डिजिटल बैंकिंग, भुगतान आ वाणिज्यिक सेवा मुहैया करावे खातिर साझेदारी क लिहलें. बियफे का दिने काल्हु जियो का तरफ से एलान भइल बा कि ऊ स्टेट बैंक के ‘योनो’ प्लेटफॉर्म के अपना ‘माय जियो’ ऐप में शामिल कर

सोपोर में मुठभेड़, सुरक्षाबल दू गो सूअर मरलें

श्रीनगर, 03 अगस्त (वार्ता). उत्तर कश्मीर में बारामूला जिला के सोपोर में आजु जुम्मा का दिने सुरक्षा बल आ आतंकवादियन का बीचे चलत मुठभेड़ में दू गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइलें. पुलिस के एगो प्रवक्ता बतवलन कि सोपोर का एगो गांव में आतंकवादियन के मौजूदगी के खुफिया जानकारी मिलला प राष्ट्रीय राइफल, जम्मू कश्मीर

क्रिकेट के कप्तानी से पाकिस्तान के ‘कप्तानी’ ले चहुँपलन इमरान

इस्लामाबाद 26 जुलाई (वार्ता). ‘नया पाकिस्तान’ के नारा लगा के आम चुनाव लड़े वाला पाकिस्तान तहरीक-ए- इंसाफ (पीटीआई) के अध्यक्ष इमरान खान के माथ पर जीत के सेहरा सजल करीब करीब तय हो गइल बा काहे कि उनुकर गोल सबले बड़का गोल बन के उभरल बा. हालांकि उनुकर गोल साफ बहुमत से फरके रहि गइल

सेंसेक्स भइल 37 हजारी, निफ्टिओ रिकॉर्ड स्तर पर

मुंबई 26 जुलाई (वार्ता). अर्थव्यस्था का बारे में निवेशकन में बनल सकारात्मक धारणा का चलते बैंकिंग, वित्त आ पावर समूह में भइल लिवाली का दम पर सेंसेक्स आजु पहिला बेर 37 हजार अंक के पार पहुँचे में कामयाब रहल आ आखिर में 126.41 अंक के बढ़त लेत 36,984.64 अंक के रिकॉर्ड स्तर पर बंद भइल.

आयकर रिटर्न भरे के तारीख बढ़ गइल

नयी दिल्ली 26 जुलाई (वार्ता). आकलन साल, Assessment Year, 2018-19 खातिर आयकर रिटर्न भरे के आखिरी तारीख वित्त मंत्रालय एक महीना बढ़ाके 31 अगस्त 2018 क दिहलसि. केन्द्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड (सीबीडीटी) का तरफ से जारी बयान में आजु बियफे का दिने कहल गइल बा कि आयकर रिटर्न दाखिल करे के आखिरी तारीख जवन पहिले

कारगिल दिवस पर राष्ट्रपति अउर प्रधानमंत्री शहीदन के श्रद्धांजलि दिहलें

नयी दिल्ली, 26 जुलाई (वार्ता). आजु बियफे का दिने राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद अउर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कारगिल विजय दिवस पर शहीदन के श्रद्धांजलि दिहलें. राष्ट्रपति कोविंद अपना ट्वीट में कहलन कि ‘का‍रगिल विजय दिवस पर, हर भारतीय अपना सशस्त्र सेना के प्रयास अउर पराक्रम के सराहत बा आ कारगिल के शहीदन के परम बलिदान के

मिले मियाँ के माँड़ ना बिरयानी के फरमाइश

नयी दिल्ली, 22 जुलाई (वार्ता). कांग्रेस के नयका अध्यक्ष बनल राहुल गाँधी के बनावल पहिलका कार्यसमिति के भइल बइठका में आजु तय कइल गइल कि अगिला लोकसभा चुनाव 2019 में मोदी के अकेले हरावे के बेंवत कवनो गोल में नइखे रहि गइल आ एकरा खातिर मोदी विरोधी सगरी गोलन के मिला जुला के एगो नया

53 बरीस बाद एशियाई जूनियर बैडमिंटन चैम्पियनशिप जीतलसि कवनो हिन्दुस्तानी

नयी दिल्ली, 22 जुलाई (वार्ता). खेल का दुनिया में एगो इतिहास बनावत छठवां सीड भारत के लक्ष्य सेन आपन शानदार प्रदर्शन करत टॉप सीड थाईलैंड के कुनलावुत वितिदसरन के आजु अतवार का दिने लगातार गेम में 21-19, 21-18 से हरावत इंडोनेशिया के जकार्ता में भइल एशियाई जूनियर बैडमिंटन चैम्पियनशिप में स्वर्ण पदक जीत लिहलें. ई

अंतरराष्ट्रीय भोजपुरी फिल्म अवार्ड में रवि किशन के मिलल नजीर हुसैन अवार्ड

कुआलालंपुर 22 जुलाई (वार्ता). मलेशिया के राजधानी कुआलालंपुर में मनावल गइल चउथका अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड समारोह में भोजपुरी के मेगा स्टार रवि किशन कॆ भोजपुरी फिलिमन के जन्मदाता नजीर हुसैन के नाम से शुरू कइल गइल नजीर हुसैन अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. उनुका साथही अउरिओ कलाकारन के कई श्रेणी में अवार्ड बाँटल गइल.

सेनिटरी नैपकीन, राखी, मूर्ति, आ पत्तल वगैरह जीएसटी से बाहर

नयी दिल्ली 21 जुलाई (वार्ता). जीएसटी परिषद आजु अपना बइठक का बाद सेनिटरी नैपकिन, राखी, मूर्ति, कंपोस्ट, सिक्का, साल के पत्तियन से बनल दोना अउर पत्तल, अलगा से पोषक तत्त्व मिलावल दूध जइसन कईएक सामान पर से जीएसटी हटा दिहलसि. परिषद के आजु एहिजा 28वीं बइठक का बाद वित्त मंत्री पीयूष गोयल बतवलन कि सेनिटरी

कहीं एकरा पीछे मोदी के मारे के साजिश त नइखे

भाजपा के बड़हन नेता आ राहुल सोनिया का नाक में दम करे वाला डॉ सुब्रह्मण्यम स्वामी के कहना बा कि पीएम मोदी के स्वास्थ्य के तुरते जाँच करावल बहुते जरूरी बा आ धेयान से देखला खोजला के जरूरत बा कि उनुका देह पर कवनो महीन खरोंच त नइखे. डॉ स्वामी के कहना बा कि मोदी

बड़ बड़ भूत कदम तर रोवसु, मुआ माँगे पूआ

कोलकाता, 21 जुलाई (वार्ता) पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी केन्द्र के नरेंद्र मोदी सरकार पर सीधा हमला करत एलान कइले बाड़ी कि 15 अगस्त से ऊ “ भाजपा हटाओ- देश बचाओ” अभियान शुरू करीहें. शनिचर का दिने धरमतल्ला में तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के सालाना शहीद दिवस रैली के संबोधित करत ममता बनर्जी कहली कि

राहुल के कनखी उनुकर खेल बिगाड़ दिहलसि

शुक का दिने लोकसभा में पेश तेदेपा के अविश्वास प्रस्ताव पर आपन मोहर लगावे का बेचैन कोशिश में अपने के कांग्रेस होखे के दावा करे वाला राहुल जवन हरकत कइलन ओकरा के उनुकर पोसुआ मीडिया एगो बड़का बाति बतावे बनावे के कोशिश करिके उनुका के अगिला चुनाव में विपक्ष के चेहरा साबित करावे में कवनो

सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पर जुम्मा का दिने चरचा

नयी दिल्ली, 18 जुलाई (वार्ता). मोदी सरकार का खिलाफ तेलुगुदेशम् पार्टी (तेदेपा) का तरफ से पेश अविश्वास प्रस्ताव लोकसभा में चरचा करे ला बुध का दिने सकार लीहल गइल आ एह पर चरचा आ भोटिंग अब शुक माने जुम्मा का दिने करावल जाई. ओह दिन सदन में ना त प्रश्नकाल चली ना कवनो गैर-सरकारी कामकाज.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts