अखिलेश यादव
पिछला लोकसभा चुनाव में अखिलेश यादव के बाबूजी मुलायम सिंह यादव सांसद चुनाइल रहलें. अबकी ओह सीट से अब अपने लड़े के फैसला कइले बाड़न. आजु उनुका गोल से एह बाति के एलान हो गइल. मुलायम सिंह के नाम अबकी सपा के स्टार प्रचारको में शामिल नइखे कइल गइल. हालांकि ऊ सासंदी के चुनाव लड़ीहें
लखनऊ, 11 जून. कानूनी सलाह लिहला का बाद उत्तर प्रदेश के राज्य संपत्ति विभाग फैसला कइले बावे कि मुख्यमंत्री रहल लोग जवन बंगला खाली कइले बा ओह में लगावल गइल सरकारी संपति के नुकसान के जांच करावल जाई. विभाग के कर्मचारी एह बंगलन से गायब भइल सामानन के सूची बनावल शुरू कर दिहले बाड़ें. सामान
मुलायम सिंह यादव के पारिवारिक बाकिर समाजवादी नाम से जानल जाए वाला गोल सपा में गुटबाजी के कवनो सीमा नइखे लउकत. कहे खातिर सभे केहू आपन, आपन कहाए वाला के बा, जइसन हाल हो गइल बा सपा में अखिलेश यादव के. जवन नेता चाचा शिवपाल सिंह यादव से लड़ाई में अखिलेश का साथे लउकले ओह
खा पी के हाथ झार के चल गइलें कांग्रेस के युवराज राहुल गाँधी. ना ऊ सोचलन ना उनुकर लगुआ भगुआ कि गरीब परिवार उनुका आवभगत के खरचा से कइसे निबटी. अब खबर बा कि राहुल के खाना खिआवे ला करजा उठावा वाला स्वामीनाथ के गरीब परिवार कइसे उतारी ई करजा. वइसे संस्कार रहीत एह नेता
दू दिन पहिले हिन्दुस्तान टाइम्स के सम्मेलन मेंं राहुल गाँधी के औकात बता चुकल यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव काल्हु कह दिहलन कि कांग्रेस से कवनो तरह के गठबन्हन नइखे होखे जात सपा के. सम्मेलन में अखिलेश यादव कहले रहलन कि अगर राहुल मुलायम सिंह के मातहत काम करे के तइयार हो जासु त कांग्रेस
यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु अपना आठ गो मंत्रियन के निकला बाहर क दिहलें आ नौ जने से विभाग छीन लिहलें. निकाल बाहर कइल गइल मंत्रियन में बलिया के नारद राय आ अम्बिका चौधरी का साथही भगवत शरण गंगवार, शिवकुमार बेरिया, शिवाकांत ओझा, योगेश प्रताप सिंह, आलोक कुमार शाक्य, आ अरिदमन सिंह शामिल बाड़ें.
नेतो लोग तरह के तरह के नमूना देखावत रहेला जेहसे कि जनता के मनोरंजन होत रहो आ ओह लोग के चरचा चलत रहो. यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव पिछला 19 अक्टूबर का दिने सड़क किनारे अमरूद खरीदत आपन फोटो फेसबुक पर डललन जवना के लाखो लोग अबले लाइक कर चुकल बा.
(शनिचर, 14 मार्च के खबर) श्रीलंका में आपसी लड़ाई से तबाह बरबाद जाफना में बेआसरा हो गइल परिवारन खातिर भारत के सहजोग से बनावल 27 हजार मकान के सँउपलन भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी. कहलन कि ई काम दुखी परिवारन के दुख-दर्द में शरीक होखे के, ओह लोग के मदद करे के एगो आदरप्यार भरल
फगुआ का मौका प रेलगाड़ियन में होखे वाला भीड़ के धेयान में राखत गोरखपुर से पुणे आ छपरा से दिल्ली वाया आजमगढ का बीच विशेष गाडियन के चलावे के फैसला लीहल गइल बा. उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहना बा कि मायावती का राज में उनुका घर के कैमरा से निगरानी करावल जात
लखनऊ 01 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव राहुल गांधी के ओह आरोपन के बेबुनियाद बतवले बाड़न जवना में कहल रहे कि विकास के केन्द्रीय योजना मे राज्य सरकार सहयोग नइखे देत. अखिलेश यादव कहलन कि उनुके सरकार एम्स बनावे ला रायबरेली मे नि:शुल्क जमीन दिहले बिया. जबकि मायावती का जमाना में लाख
लखनऊ 21 अक्टूबर (वार्ता) समाजवादी पार्टी.के अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव कांग्रेस आ भाजपा.के नीतियन के गरीब विरोधी आ पूंजीपरस्त बतवले बाड़े. सपा के राज्य कार्यकारिणी के बईठक में बोलत मुलायम सिंह यादव कहलन कि आज के हालात मे लोकसभा चुनाव मे उनुका पार्टी के महत्वपूर्ण भूमिका रही. साम्प्रदायिक आ विघटनकारी ताकतन के कामयाब नइखे होखे
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु देवरिया में स्व॰ मोहन सिंह के तेरही में शामिल भइला का बाद पत्रकारन से बतियावत में कहलन कि समाजवादी चिन्तक मोहन सिंह के जगहा भरल पार्टी ला मुश्किल होखी. स्व॰ सिंह अइसन नेता रहले जिनका के सुने ला लोग लालायित रहत रहुवे. साथे आइल नगर विकास मंत्री मो.
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आठ अक्टूबर के गोरखपुर मे छात्र छात्रा के लैपटाप बँटीहे. ओही दिने ऊ बाबा राघवदास मेडिकल कालेज के मस्तिष्क ज्वर वार्ड के लोकार्पण करीहें आ रामगढ ताल परियोजना आ गोरखपुर विकास प्राधिकरण के काम के समीक्षा करीहें. मुख्यमंत्री के दौरा पहिले 10 अक्टूबर के होखेवाला रहुवे बाकिर अब तारीख