अखिलेश
विधानसभा चुनाव में बड़हन हार का बाद अब बाप बेटा फेरु आमने सामने आ गइल लउकत बाड़ें. सपा गोल के मौजूदा अध्यक्ष आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव 28 तारीख का सबेरे सपा विधानमंडल गोल के बइठक बोतवले बाड़न त मुलायम सिंह 29 मार्च के साँझ बेरा नवका चुनाइल विधायकन के बइठक बोलवले बाड़न.
सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आपत्तिजनक फोटो पोस्ट करे वाला मोबाइल दूकानदार के गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. कासिमाबाद में मोबाइल के दुकान चलावे वाला सोनबरसा गांव के बरक्कत राईनी अपना मोबाइल से सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री के आपत्तिजनक तस्वीर पोस्ट कइले रहल. एकरा खिलाफ संघ के ब्रजभूषण सिंह आ
अखिलेश के राहुल से साथ से खिसियाइल मुलायम सिंह आजु एलान क दिहलन कि ऊ एह गठबन्हन ला प्रचार ना करीहन. कहलन कि एकर कवनो जरुरत ना रहल आ सपा अकेले सरकार बनावे लायक जीत हासिल क लीत अब पाँच बरीस के मौका गँवा दिहलन अखिलेश. उनुका इहो शिकायत बा कि कई लोग के टिकट
अपना जिलेबिया दिमाग आ राजलीटी में कुश्ती के दांवपेंच में माहिर मानल जाये वाला मुलायम जतना मुलायमियत से अपना बेटा से हार जाये वाला कुश्ती लड़लन ओकरा से सवाल उठत बा कि कहीं ई उनुकर सोचल समुझल चाल त ना रहुवे! बेटा के मुख्यमंत्री बनवा दीहल आसान रहुवे बाकिर गोल के कमान सउंपल मुश्किल रहल।
समाजवादी गोल के पारिवारिक झगड़ा सझुराए के नाम नइखे लेत. काल्हु बेटा अखिलेश का तरफ से चाचा रामगोपाल चुनाव आयोग का सोझा डेढ़ लाख पन्ना के सबूत सँउप के असली समाजवादी होखे के दावा कइलन आ कहलन कि साइकिल निशान के असली हकदार उनुके गोल बावे. आजु बाप मुलायम चाचा शिवपाल के संगे गोल के
मध्यप्रदेश के भोपाल में शौर्य स्मारक के उद्घाटन कइला क बाद प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि उनकर सरकार वन रैंक वन पेंशन के वायदा पूरा क दीहलसि, जबकि पहिले के सरकार बड़हन बड़हन वायदा कइला क बादो एह दिसाईं कुछ ना कइली सँ. शौर्य सम्मान सभा में पहिले के सैनिकन आ शहीदन के परिवारवालन के
पाकिस्तानी गजल गायक गुलाम अली अब आपन भारत यात्रा रद्द क दिहले बाड़न. उनुको एहिजा के ‘असहिष्णुता’ वाला कीड़ा काट लिहले बा आ कहले बाड़न कि जबले हिन्दुस्तान में हालात सुधर नइखे जात तबले एहिजा कवनो कार्यक्रम ना करीहें. गुलाम अली के एह फैसला से दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश
छपरा 02 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री आ .सपा.नेता अखिलेश छपरा में संवाददाता लोगन से बतियावत कहलन कि देश हित मे तिसरका मोर्चा बनावल बहुते जरूरी बा. कहलन कि एह मोर्चा में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादवो के बोलावल गइल बा. अखिलेश यादव छपरा मे एगो निजी विद्यालय के उद्घाटन करे आइल रहलन.