Go to ...
RSS Feed

अठवीं अनुसूची

भोजपुरी खातिर धरना दिहलें भोजपुरिया

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे आ अठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के तत्वावधान में राष्ट्र स्तर पर चलावल जात भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन के तहत आजु 14 जुलाई 2019, का दिने दिल्ली के जंतर मंतर पर बड़हन धरना प्रदर्शन कइलें देश भर से जुटल भोजपुरिया. एह धरना के अगुआ रहलन

भोजपुरी के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे पर सोचत बिया केन्द्र सरकार

काल्हु लोकसभा में प्रश्नोत्तर काल में केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश राजद के प्रभुनाथ सिंह आ जदयू के शरद यादव के सवालन का जवाब में कहलन कि केन्द्र सरकार भोजपुरी आ राजस्थानी भाषा के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे पर विचार करत बिया.

भोजपुरी के अठवीं अनुसूची में जगहा मिले के आसार

बियफे का दिने लोकसभा में एगो ध्यानाकर्षण प्रस्ताव पर गृह मंत्री पी चिदंबरम भोजपुरी में कहलन कि “हम रउआ सभे के भावना समुझत बानी” आ आश्वासन दिहलन कि एह मामिला में एगो बिल संसद के मानसून सत्र में ले आवल जाई. भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर भोजपुरी के अनेके संगठन