Go to ...
RSS Feed

अपराध

बलिया में डाक्टर से मंगाइल तीन करोड़ के फिरौती

बलिया के एगो मशहूर हड्डी रोग सर्जन के आफिस में चिट्ठी डाल के मांगल गइल बा तीन करोड़ रुपिया के रंगदारी आ ना दिहला पर जान मारे के धमकिओ दीहल गइल बा. मंगल के फजीरे उनुका क्लिनिक में एगो नकाबपोश चहुँपल आ काउन्टर पर एगो चिट्ठी छोड़ गइल. ओह बेरा क्लिनिक के आफिस बन्द रहुवे

सिवान में किडनैप व्यापारी अबहीं ले ना मिललन

सिवान जिला के पचरूखी बाजार के एगो व्यवसायी हरिशंकर के किडनैपिंग के मामिला के खुलासा करे में अतवार का दिने पुलिस के टीम पचरूखी चहुँपल. टीसन के प्लेटफार्म आ अगल बगल के दुकानन के बारीकी से देखलसि आ कुछ साक्ष्य बटोर के वापस हो गइल. सोमारो का दिने जाँच करे वाली टीम पचरुखी अइली सँ

विदेश भेजे के झांसा देके पचासी हजार के ठगी

गोण्डा जिला में विदेश भेज के नौकरी लगवावे का नाम पर एगो नवही से पचासी हजार रुपिया ठग लिहल गइल. इंसपेक्टर नाम के एगो आदमी से दू गो जालसाज सऊदी अरब में नौकरी पर लगवावे का नाम पर पचासी हजार रुपिया ठग लिहले. ठगाइल आदमी पुलिस में शिकायत कइलसि त पुलिस अब औह जालसाजन के

भाकपा माओवादी के कट्टर उग्रवादी डा.इंदौर ठाकुर गिरफ्तार

पूर्वी चंपारण जिला के राजेपुर इलाका के उझीलपुर गांव से बियफे का दिने पुलिस एगो कट्टर उग्रवादी डा.इंदौर ठाकुर के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा मौजूदगी के खबर पा के पुलिस सीआरपीएफ का संगे छापा मरलसि आ इंदौर ठाकुर के गिरफ्तार कर लिहलसि. बतावल जात बा कि गिरफ्तारी का समय ओकरा लगे कवनो हथियार ना मिलल.

लेनदेन के विवाद मे एक आदमी के खून

मिर्जापुर जिला के कटरा इलाका में बुध का रात कुछ लोग एगो आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल. पुलिस के कहना बा कि हकोटी गाँव के चिन्टू उर्फ मनीष कुमार सिंह के हत्या धीरज सिंह समेत छह लोग नवीन तिराहा का लगे गोली मार के कर दिहल. एह हत्या का पीछे लेन देन

वाराणसी मे तीन गो शव बरामद भइल

बियफे का दिने वाराणसी में अलग अलग जगहा से पुलिस तीन गो लाश बरामद कइलसि. शिवपुर इलाका के बनियापुर गांव मे बुध का रात कुछ लोग घर का बहरी सुतल पैंसठ साल के छोटेंलाल पटेल के गोली मारके हत्या कर दिहल. बियफे का दिने लाश बरामद कर के पुलिस दू आदमी के गिरफ्तार कइले बिया.

पचास हजार रुपये के इनामी बदमाश मुठभेड मे गिरफ्तार

आजमगढ जिला के रौनापार इलाका मे आज भोर मे जनता के सहयोग लेके पुलिस 50 हजार रुपिया के इनामी अपराधी अमरजीत यादव के गिरफ्तार कर लिहलसि. हथिया के अमरजीत यादव के हेदराबाद बंधा का नियरा से गिरफ्तार कइल गइल जबकि ओकर तीन गो साथी परा गइलें. अमरजीत का खिलाफ लूट. डकैती आ हत्या के अनेके