web analytics

हेहर बिडेन गलती ना मनीहें

Official Portrait of US President

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) अफगानिस्तान से भागे का हड़बड़ी में बहुते गलती कर चुकला का बावजूद अमेरिका के राष्ट्रपति जो बिडेन आपन गलती माने के तइयार नइखन. अबहियों कहत बाड़न कि जवन कइलन, सही कइलन. अबहियों जवन अमेरिकी नागरिक अफगानिस्तान में अपना मर्जी से रुकल बाड़न उनुको के निकाल ले आवे … Read more

 151 total views,  1 views today

इस्लामिक आतंकियन के जो बिडेन के गीदड़ भभकी

Official Portrait of US President

(टटका खबर, शुक, भादो अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी) अफगानिस्तान से आपन जान बचावत बाकिर इज्जत गँवावत हटल अमेरिका अब अपने चाल में अझूरा गइल बा. राहत के बाति बा कि पाकिस्तान के नाराजगी का डर से अमेरिका भारत के सेना के अफगानिस्तान में ना आवे दिहलसि आ भारत फजीहत से बाच गइल बा. अब अफगानिस्तान … Read more

 211 total views

यूपी के योगी राज में चार लाख नवहियन के सरकारी नौकरी

टटका खबर, सोमार, जेठ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी काल्हु अतवार का दिने यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी जानकारी दिहनी कि सभका सहजोग से कोरोना पर काबू पवला का साथही राज्य में एह कोरोना कालखण्ड में सरकार अपना आर्थिक गतिविधियन के सफल संचालन कइले बिया, पिछला चार बरीस में करीब चार लाख नवहियन के सरकारी … Read more

 141 total views

टटका खबर, मंगल, वैशाख अमावस्या, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल के नंदीग्राम विधानसभा सीट पर मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के पटखनिया देबे वाला भाजपा विधायक सुवेंदु अधिकारी के सभका एकमत राय से काल्ह सोमार का दिने भाजपा विधायक दल के नेता चुन लीहल गइल. एकरा साथही इहो तय हो गइल कि ऊ राज्य विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष रहीहें.विधायक दल के बइठक में उनुका नाम … Read more

 159 total views

टटका खबर, बियफे, चईत अँजोरिया तृतिया 2078 विक्रमी

कोरोना महामारी का हाहाकार का बीच बेबस सरकार आखिरकार सीबीएसई के 10वीं के परीक्षा रद्द क के एगो नियत पैमाना का हिसाब से परिणाम तय कर दी. अगर कवनो विद्यार्थी एबसे सहमत ना होखी त ऊ बाद में होखे वाला परीक्षा देके आपन परिणाम सुधरवावे के मौका पा सकी. 12वीं का परीक्षा अबहीं टारल गइल … Read more

 106 total views

तातल धीकल टटका खबर, शनिचर, 7 नवम्बर 2020

अब बिहारो में महाराष्ट्र राज आवे के संकेत मिल गइल बा. एक्जिट पोल में करीब करीब हर चैनल पर राग तेजस्वी सुने के मिलत बा. एगो अकेला चैनल सुदर्शन टीवी बावे जवन अबहियों कहत बा कि बिहार में राजग के सरकार फेर बने जा रहल बा. अब सही खबर त दस तारीख का पहिले मिले … Read more

 233 total views,  3 views today

मजारे शरीफ शहर में आतंकियन से मुठभेड़

अफगानिस्‍तान के मज़ारे शरीफ शहर में भारतीय वाणिज्य दूतावास का नियरा का एगो मकान में लुकाइल आतंकियन आ सुरक्षा बल का बीच जम के गोलीबारी चल रहल बा. आतंकी काल्हु रात भारत के वाणिज्‍य दूतावास में घुसे के कोशिश कइलन स बाकिर असफल रहला का बाद बगल के एगो मकान में घुस के मोर्चा सम्हार … Read more

 415 total views

भूडोल से थर्रा उठल दिल्ली समेत उत्तरी भारत

आजु सोमार का दुपहरिया में दू बजे आइल एगो बड़हन भूडोल से दिल्ली समेत पूरा उत्तरी भारत काँप उठल. भूकंप के केन्द्र अफगानिस्तान में हिन्दुकुश के पहाड़ी इलाका के फैयाजबाद से 82 किलोमीटर दक्खिन-पश्चिम में 196 किलोमीटर के गहराई में रहुवे जवना से अधिका नुकसान ना हो पावल. बाकिर तबहियों पाकिस्तान आ अफगानिस्तान में सौ … Read more

 346 total views