web analytics

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में … Read more

 277 total views,  1 views today

टटका खबर, बियफे, दशमी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोल चाहे ऊ राजनीति में होखो, मीडिया में होखो, प्रशासन में होखो, सरकार चलावत होखो, भा पंचइति करे में लागल होखो बुझात बा कि बाकायदा एगो टूल किट बना के देश के माहौल बिगाड़े में लागल बा. अपना देश के लोग त कउवा कान ले गइल सुनते कउवा का पाछा भागे लागेला … Read more

 136 total views,  1 views today

हिन्दू विरोधी साजिश नाकाम हो गइल

अयोध्या में श्रीराम मन्दिर तूड़ के बनावल बाबरी मस्जिद के ढाँचा गिरावल गइला का बाद तब के कांग्रेसी सरकार हिन्दू संगठनन के प्रभावशाली लोगन पर साजिशन मुकदमा लाद दिहले रहुवे.सुनल सुनावल बात आ हवाई सबूतन का नाम पर 28 बरीस से एह लोग के परेशान कइल जात रहुवे.अब काल्हु एह मामिला पर सुनावाई ला बनावल … Read more

 124 total views

भोजपुरी पट्टी से 25 मार्च 2018 के नव गो खबर

अयोध्या में रामजन्मोत्सव के धूम अयोध्या, 25 मार्च (वार्ता). भगवान श्रीराम के जन्म स्थली अयोध्या में चैत्र रामनवमी मेला में लाखों श्रद्धालु सरयू नदी में स्नान ला डुबकी लगवलें. आ प्रमुख मंदिरन में भगवान श्रीराम के जन्मोत्सव मनवलें. कनक भवन मंदिर में जनम के विशेष कार्यक्रम आयोजित भइल. दुपहरिया ठीक बारह बजते मर्यादा पुरुषोत्तम के … Read more

 121 total views

पूरा देश में हँसी खुशी का साथे मनावल गइल फगुआ

नयी दिल्ली, पटना, लखनऊ, गोरखपुर, अयोध्या 02 मार्च (वार्ता) रंग अबीर आ मौज मस्ती के त्योहार फगुआ शुक का दिने पूरा देश में हँसी खुशी से मनावल गइल. बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कुछ दिन पहिले मुजफ्फरपुर के सड़क हादसा में भइल स्कूली बचवन के दर्दनाक मौत का गम में फगुआ ना मनवलें त राजद … Read more

 109 total views,  1 views today

टटका खबर, 29 सितम्बर 2017, शुक

आजादी का कई युग का बाद हिन्दू के मान सम्मान के काम सरकारो का स्तर प होखे लागल बा. आजु देश में कई राज्यन के मुख्यमंत्री कन्यापूजन आ कन्याभोज के परंपरा निभवलें. ना त अबहीं ले बस इफ्तार प एह तरह के सरकारी आयोजन देखे के मिलत रहल. मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान श्रीराम के नगरी अयोध्या … Read more

 114 total views

टटका खबर, 21 मार्च 2017, मंगल

धनबाद के डिप्टी मेयर रह चुकल नीरज सिंह के गाड़ी प आजु साँझ कुछ लोग ताबड़तोड़ फायरिंग क के नीरज सिंह समेत चार लोग के जान ला लीहल. एह घटना का बाद से धनबाद आ झरिया में तनाव पसर गइल बा, हत्या कइला का बाद हत्यारा अपना गाड़ी से भाग परइले सँ. नीरज के चचेरा … Read more

 124 total views,  1 views today

टटका खबर, 24 जनवरी 2017

यूपी चुनाव ला 403 में से 371 सीट पर उम्मीदवार दे चुकल भाजपा के सूची में एकहु मुस्लिम नाम नइखे। जबकि दोसरा तरफ सपा, कांग्रेस, बसपा मुस्लिम वोट खातिर हर संभव कोशिश करत बाड़े। ऊपर से भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष आज दावा कइलन की भाजपा के सरकार बनल त अयोध्या में राम मंदिर बनवा दीहल … Read more

 554 total views

अयोध्या के राम मन्दिर बनावे के तारीखन के एलान हो गइल

फैजाबाद के मसौधा इलाका के महावा गाँव में होखत रामकथा का मौका पर चित्रकूट के तुलसी पीठाधीश्वर आ रामकथा के मर्मज्ञ जगद्गुरू रामभद्राचार्य एलान क दिहलन कि राम मन्दिर बने से अब केहू ना रोक पाई. कहलन कि एही साल मन्दिर बने के काम शुरू हो जाई आ 6 दिसम्बर 2018 से पहिले एह काम … Read more

 403 total views

अयोध्या में राममन्दिर केन्द्र सरकार के सपना

काल्हु नोएडा में एगो पत्रकार सम्मेलन में केन्द्र सरकार के पर्यटन आ संस्कृति राज्य मंत्री महेश शर्मा कहलन कि अयोध्या में राममन्दिर बनावे के सपना भाजपा का साथही केन्द्र सरकारो के बा. कहलन कि एह मामिला के चुनाव से जोड़ला के जरूरत ना होखे के चाहीं. देश में त हमेशा कहीं ना कहीं चुनाव होखते … Read more

 379 total views

यूपी सरकार अपना सलाहकार के हटवलसि

उत्तर प्रदेश सरकार अयोध्या में श्रीराम मंदिर निर्माण विषय में अपना सलाहकार ओमपाल मेहरा के हटा दिहलसि काहे कि ओमपाल मेहरा मुसलमानन से अपील कइले रहलन कि जब श्रीराम मंदिर बनल शुरु होखे त उहो लोग एकरा में शामिल होखो आ कार सेवा में भागीदारी करे. एह अपील से राज्ये ना देश भर में फिरकावाराना … Read more

 330 total views

अतवार 6 दिसंबर के अयोध्या दिवस

अतवार 6 दिसंबर के अयोध्या के राम मंदिर पर बनल बाबरी मस्जिद ढहावे के बरखी भा जयंती मनावे वालन का चलते प्रदेश मेंं सुरक्षा के कड़ा इन्तजाम कइल गइल बा. फैजाबाद जिला के चार जोन आ सात सेक्टर में बाँटल गइल बा आ ओहिजा पैंतीस गो मजिस्ट्रेट लगावल गइल बाड़ें सुरक्षा खातिर. हर आवे जाए … Read more

 292 total views

विवादास्पद पत्र जारी कइला का चलते गृह सचिव हटावल गइले

उत्तर प्रदेश सरकार के किरकिरी करा॓ए वाला पत्र का चलते काल्हु देर साँझ गृह सचिव बृजेश कुमार मिश्र के हटा दीहल गइल आ अनुभाग अधिकारी प्रेम पांडेय के निलंबित कर दीहल गइल. राज्य के प्रमुख सचिव गृह आर.एम.श्रीवास्तव बतवले कि बृजेश कुमार मिश्र के गृह सचिव पद से हटा के प्रतीक्षारत राखल गइल बा. गौर … Read more

 334 total views

जयराम रमेश के बयान के बसपा निन्दा कइलसि

बसपा आजु केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश के ओह बयान के निंदा कइलसि जवना में ऊ कहले रहन कि बसपा के संस्थापक स्व. कांशीराम अयोध्या मे महाशौचालय बनावे के बात कहले रहन. बसपा प्रवक्ता आजु जारी एगो बयान मे कहलन कि जयराम रमेश के कहना एकदमे गलत, बेबुनियाद, आ निन्दा करे जोग बा जवना … Read more

 311 total views

कडा सुरक्षा का बीच अयोध्या मे पंचकोसी परिक्रमा शुरु

काल्हु विश्व हिन्दू परिषद के मुख्यालय कारसेवकपुरम से संगीन का साया में पंचकोसी परिक्रमा शुरू हो गइल. अयोध्या में मंदिर निर्माण खातिर दक्षिण भारतीय संतन से अनुष्ठान करवला का बाद काल्हु सबेरे आठ बजे कारसेवकपुरम से कडा सुरक्षा का बीच पंचकोसी परिक्रमा शुरू हो गइल जवन 13 अक्टूबर ले चली. एह परि्क्रमा में अठोध्या के … Read more

 365 total views

अब अयोध्या मे 22 तारीख से पंचकोसी परिक्रमा करे निकली विहिप

अयोध्या के 84 कोसी परिक्रमा का बाद विश्व हिन्दू परिषद 22 सितंबर से 13 अक्टूबर ले पंच कोसी परिक्रमा करे के घोषणा कइले बिया. विहिप के अंतर्राष्ट्रीय महामंत्री चंपत राय एह बारे में काल्हु बयान जारी कइलें. एह परिक्रमा मे दक्षिण भारत के चार गो राज्य केरल, तमिलनाडु, कर्नाटक, आ आन्ध्र प्रदेश के दस गो … Read more

 330 total views

चौरासी कोसी परिक्रमा के समापन पर हवन

अयोध्या में श्रीरामजन्मभूमि पर भव्य मंदिर बनवावे खातिर विहिप.के 84 कोसी परिक्रमा के समापन पर आजु विहिप मुख्यालय कारसेवकपुरम में हवन भइल परिक्रमा 25 अगस्त से शुरू होखे वाला रहल बाकिर सरकार ओहपर रोक लगा दिहलसि. विहिप के दावा बा कि आजु परिक्रमा के समापन बस्ती जिला के मखौडा में हवन का साथे पूरा हो … Read more

 307 total views

चौरासी कोसी परि्क्रमा खातिर विहिप आ सरकार का बीच टक्कर

यूपी सरकार हिंदू साधु संतन के निकले वाला अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा पर रोक लगा दिहलसि. एह रोक के हटावे खातिर हाईकोर्ट मे लगावल गोहारो कवनो कामे ना आइल आ कोर्ट एह रोक के हटवावे से मना कर दिहलसि. बाकिर सब कुछ का बावजूद विहिप अड़ल बिया परिक्रमा निकाले खातिर. एह चलते यूपी पुलिस … Read more

 315 total views

अयोध्या के चौरासी कोसी यात्रा करे पर अड़ल विहिप

यूपी सरकार के मना कइला का बावजूद विहिप चौरासी कोसी परिक्रमा निकाले पर अड़ल बिया आ सपा सरकार एह मामिला में अझूरात लउकत बिया. विहिप के कार्यक्रम के आरएसएस आ भाजपा समर्थन देले बाड़ी सँ त शिवपाल सिंह आ आजम खाँ एह परिक्रमा पर रोक लगवला के जायज बतवले बाड़न. बसपा आ कांग्रेस एह मामिला … Read more

 317 total views

चौरासी कोसी परिक्रमा ना होखे दी यूपी सरकार

खराब माहौल के हवाला देत यूपी सरकार अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा के अनुमति ना दिहलसि आ फैजाबाद प्रशासन के कड़ा होदायत दिहलसि कि कवनो सूरत में एह परिक्रमा के ना होखे दिहल जाव. यूपी सरकार के कहना बा कि उ अयोध्या में कवनो नया परंपरा ना शुरू होखे दिहल जाई.  295 total views

 295 total views